JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

जाग उठल बा अब जवानी...

अश्लीलता के बिरोध में  एगो अउर कदम ...


न बुझबा त मति बुझा ,
बुझी उ जेकर काम बा
जाग उठल बा अब जवानी,
भोजपुरिया जेकर नाम बा

अँगुरी से राह देखावल गइल
का गलत सही समझावल गइल
रोज देत दुहाई मनावल गइल

अब ना मनबा त का होई
होई  जे  रचलें   राम बा
जाग उठल बा अब जवानी,
भोजपुरिया जेकर नाम बा

शुभ काम के बदला नाम मिली
भासा उन्नति अउर काम मिली
इज्जत, शाबासी अउर दाम मिली

जे मनबा ना करबा नंगई
होई उहे जे खुलेयाम बा
जाग उठल बा अब जवानी,
भोजपुरिया जेकर नाम बा

  - प्रवीण
 











Views: 13

Tags: Bhojpuri, अश्लीलता, जय, भोजपुरी

Comment by भास्कर रंजन "सूर्य" on December 28, 2010 at 7:05pm

बाह परवीन भाई . . . बाह

 

रउआ त गरदा उडा देहनी  . . .

"जाग उठाल बा अब जवानी,
भोजपुरिया जेकर नाम बा " . . . ए बात के त हम दिवाना हो गइनी ।

 

बहुते सुनर रचना ।

 

जय भोजपुरी ।

Comment by MANTOSH SINGH on December 28, 2010 at 7:31pm

जे मनबा ना करबा नंगई
होई उहे जे खुलेयाम बा
जाग उठाल बा अब जवानी,
भोजपुरिया जेकर नाम बा

 

पंकज जी बहुत निमन रचना बा

जय भोजपुरी ।

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on December 28, 2010 at 8:54pm

प्रवीण जी भोजपुरिया प्रणाम

 

एकदम धधकत रचना , वीर रस के रस मे डुबवले , ललकार रहल बिया की

 

जे हमनी से टकराई उ त

चुर चुर हो जाई जी

ई बात ना बुझी उ अब त

जुता लात खाई जी

मान जा मान जा मान जा भईया 

अब केतना समझाई जी

6 घर छोड के डायन करे

आपन हाथ सफाई जी

 

बहुत बहुत धन्यवाद एह आगाज खातिर ।

 

जय भोजपुरी जिया भोजपुरी

Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on December 28, 2010 at 9:04pm
पंकज भाई प्रणाम,

बहुत निमन आगाज बा राउर एह रचना में हम त कहब कि :-

जे ना बुझल ओकरा जीवन पे धिक्कार  बा !
उ एह जन्म में  इंसान ना पथर के मूरत बा !

बहुत सुंदर रचना एगो नया जोश के साथ ,
स्वागत बा राउर एह रचना के ,

सधन्यवाद !

जय भोजपुरी जीय भोजपुरी !
Comment by anilkumar on December 29, 2010 at 10:38am
भोजपुरी प्रेम के भाषा हौ एकरा के गजरा मूर  समझता लोग 
Comment by Bimlesh Tiwari Kaushal on December 29, 2010 at 1:13pm

waah...waah praveen bhai....

शुभ काम के बदला नाम मिली 
भासा उन्नति अउर काम मिली 
इज्जत, शाबासी अउर दाम मिली 

बहुत बढ़िया लिखनी.....

Comment by Pankaj Praveen on December 29, 2010 at 2:10pm
@ Bimlesh ji.. ehwo Copy pest :)))) jai hooo
Comment by NOORAIN ANSARI on December 29, 2010 at 2:27pm

bahoot josh bharal rachna praveen bhai..

Comment by sanjay kumar singh on December 29, 2010 at 5:00pm
पंकज भाई प्रणाम ,
ई खाली रचना ना एगो ललकार बा भोजपुरिया समाज के ..............
जय भोजपुरी 
Comment by Mantu Singh on December 30, 2010 at 12:27pm
मोट मिले भा पातर नइखे कोई आतर
अश्लीलता के बढ़ावे वालू हो जा सब पातर
चली नाही अब कोई अश्लीलता के चक्कर
देवे लागल बारन भोजपुरी भाई
जय भोजपुरी के साथ मिल के टक्कर
jAI BHOJPURI

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service