JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

दिल के छू गइल स्वाभिमान सम्मेलन: भरत शर्मा

जीरादेई (सिवान)। भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के मंच पर आवते साथ भोजपुरी सम्राट भरत शर्मा के पहिला लाइन रहे – “देश के पहिला राष्ट्रपति राजेन्द्र बाबु के धरती के हमार प्रणाम।“ बात सुने में भले साधारण लागत रहे, लेकिन अगर मीडिया के मानल जाव त भरत शर्मा एगो अइसन ऐतिहासिक आयोजन के हिस्सा रहलन, जवन कि जीरादेई के धरती पर आज से पहिले कहियो ना भइल रहे।

"हम भोजपुरिया डॉट कॉम अउर जय भोजपुरी डॉट कॉम के तहेदिल से धन्यवाद दिहल चाहेब, एह आयोजन खातिर। हम आश्चर्यचकित बानी कि एगो अइसन गांव में, जहाँ बिजली जइसन साधारण चीज खातिर लोग तरस रहल बा, ओहिजा एह तरह के वृहत स्तर के आयोजन कइसे संभव भइल?" भरत शर्मा आगे कहलन। एह कार्यक्रम के शुरुआत में ही भरत शर्मा साफ शब्दन में भोजपुरी से अश्लीलता उखाड फेंके के एह मुहिम के सराहना कइलन, अउर ओकरा खातिर हर संभव सहयोग के वचन भी दिहलन।

भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के शुरुआत में पारंपरिक भक्ति गीतन के बाद भरत शर्मा जइसहीं “दिल्ली बंबई कलकत्ता, चाहें रहिह मसूरी में... पढिह-लिखिह कवनो भाषा, बतिअइह भोजपुरी में...” शुरु कइलन, त एक पल खातिर अइसन लागल कि दुनिया भर के भोजपुरिया लोगन के भोजपुरी में बात करे के संदेश दिहल जा रहल बाटे। ओकरा बात त एक के बाद एक गीत चलत गइल, आ कडाकेदार ठंड के बावजुद रात के करीब एक बजे ले लोग ओहिजा भोजपुरी गीतन के अलग-अलग भाव में डूबत-उतरात रहल।

एगो अइसन समय में, जब भोजपुरी गीतन में व्याप्त अश्लीलता के वजह से लोग एह तरह के कार्यक्रम में सम्मिलित होखे से बचेला, एहिजा दर्शक-दीर्घा में हजारन के संख्या में महिला दर्शकन अउर छोट लइकन के उपस्थिति भोजपुरिया गीत-संगीत के दुनिया में एगो नया बदलाव के संकेत करत रहे। भरत शर्मा के शब्दन में अगर कहल जाव, त ई भोजपुरी में अश्लीलता से उब चुकल लोगन खातिर खुली हवा में सांस लेवे के एगो अवसर रहे। आपन भोजपुरी के गरिमा के पुन: स्थापित करे के एगो बरियार कोशिश रहे।

Views: 12

Comment by Sudhir Kumar on December 8, 2010 at 1:03pm
पिछला 5 साल में भरत भइया से मिले के कई गो मौका मिलल, लेकिन एह बार उनकर जवन समर्पण लउकल, ओकर तुलना संभव नइखे। मुंबई से बनारस, अउर फेर बनारस से सडक मार्ग से आये के थकावट भइला के बावजुद भरत भइया के पूरा टीम 10 मिनट के भीतर कार्यक्रम देवे खातिर तैयार हो गइल... अउर, एक बेर जब कार्यक्रम शुरु भइल, त फेर जवन जादू चलल, ऊ उहे जानता, जे ओहिजा रहे... शब्द नइखे ओह कार्यक्रम के बडाई करे खातिर...
Comment by suman pathak on December 8, 2010 at 4:53pm
hamni k bhojpuri hero bharat sharma k sat sat pranam ba
Comment by suman pathak on December 8, 2010 at 4:54pm
aur sudhir ji hum jana taani ki ohija k log k josh dekh k raaur josh bhi aur jaibhojpuri pariwar k josh bhi dugna ho gail hokhi
jaibhojpuri
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on December 9, 2010 at 9:01pm
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

हम आजु ले भरत शर्मा के सुनले ( आडियो भा विडियो मे ) रहनी हा लेकिन जब देखनी आ ओकरा बाद जब हम उँहा के विचार सुननी आ फेरु वोह के उँहा के आवाज मे भोजपुरी गीतन के सिननी ओकरा बाद त सांच पुछी त उँहा के हमरा नजर मे रील आ रियल लाईफ के हीरो बन गईल बानी ।

शत शत नमन बा भरत शर्मा जी के ...

आ अश्लीलता के एह लडाई मे भरत शर्मा जी के योगदान अतुलनीय बा ।

जय भोजपुरी
Comment by sudhir singh on December 14, 2010 at 4:44pm

 Dear admin ji 

 Bhojpuri samman samelan ke safalta e bat ke sakchi banal ki bhojpuri boli ke ago aandolan ke rup me ubhar ke aa rahal ba. byas bharat sharma bhojpuri khatir jevan jang lad rahal baran okra se bhojpuri aapan sabhyta auri sanskriti ke bahute bal milal rahal ba.

 

jai bhojpuri

 

S.singh ujala 

Magik Tv

New Delhi ,Bhart

Comment by Ashutosh Ranjan on December 15, 2010 at 1:06pm

भारत शर्मा  जी  के  आँखी के सामने देखल आ सुनल  एगो  अद्भुत  अनुभव  रहल...उन्हा के अश्लीलता के खिलाफ लड़ाई में जवन  भी योगदान बा ओकर जेतना तारीफ़ कईल जाओ कम बा.

 

जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service