JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

स्वाभिमान सम्मेलन के बाहर लागल मेला

जीरादेई (सिवान)। जय भोजपुरी परिवार के भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के सफलता के एह चीज से भी महसुस कइल जा सकेला कि स्थानीय महेन्द्र इंटर कॉलेज में लोगन के भीड देखले हुये खाये-पिये के चीजन खातिर कई गो ठेला लाग गइल रहले सन। दोपहर के बाद त हालात अइसन हो गइल कि 7-8 गो ठेला वाला लोग ओहिजा बिस्कुट-नमकीन से लेके चनाचुर आ गोलगप्पा तक के स्टाल लगा दिहल।

ओहिजा लोगन के भीड का वजह से लोगन के बिक्री भी काफी भइल, जवना से ओह लोगन के चेहरा पर संतोष के भाव देखल जा सकत रहे। “एह तरह के कार्यक्रम से आम लोगन के फायदा त होखे करेला, अउर हमनी के भी रोजगार के अवसर देवेला। सरकार के चाहीं कि एह तरह के चीजन के बढावा देव,“ भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के बाहर मैदान में ठेला पर बिस्कुट-नमकीन आ मूंगफली बेचत एगो व्यक्ति कहलन।

वइसे एह ठेला-वालन के शिकायत रहे कि जीरादेई कि एगो पर्यटन-स्थल का रुप में विकसित करे के कोशिश सरकार नइखे करत। अगर सरकार एह दिशा में पहल करित, त कई लोगन के रोजगार मिल सकेला।

Views: 9

Comment by Sudhir Kumar on December 8, 2010 at 12:59pm
एगो बात बहुत बढिया लागल कि एह कार्यक्रम का वजह से ओहिजा के ठेला वाला लोगन के अच्छा-खासा बिक्री हो गइल। अगर सरकार तनी ध्यान दे देव, त जीरादेई के तकदीर बदले में समय ना लागी...
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on December 9, 2010 at 8:56pm
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

महाराज कहे के नईखे , हम त दु पलेट चाट आशुतोष भाई के पईसा से आ एक ठोंगा भुजुना बृज भाई के पईसा से खौउवी ।

असल मे जीरादेई के मेला लेखा ही होखे के चाही आ जब जय भोजपुरी आ भोजपुरिया लोग जुट गईल बा त होखही के बा आ एह के केहु रोक नईखे सकत अब ।

धन्यवाद एह दृश्य के एह अदभुत और गजब दृश्य के सब लोगन से दर्शन करावे खातिर ।

जय भोजपुरी
Comment by Brij Kishor Tiwari on December 11, 2010 at 6:26pm

जय हो ..........नवीन जी के

मेलवे त अड़लस १२ बजे ले.......... 

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on December 11, 2010 at 6:30pm

हम त बरियारे दबा के दु दु चमच चाटवा खईनी रिंकु भाई आ शरत बाबु मे से ।

 

आ भुजुनवा के त कहही के नईखे ।

 

अनकर धन रहे एहि से तनी दाबी के खईनी ;-) 

Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on December 11, 2010 at 7:12pm

jee chatwa ta sacho main garam garam bahute niman lagat rahal

Comment by Pankaj Praveen on December 11, 2010 at 8:29pm

Humro Bhetail rahe ji ...maja aa gail bahut din baad gaw me ke chaat bhetail rahe:)

Comment by Ashutosh Ranjan on December 15, 2010 at 1:01pm

चाट त हमहूँ एक पलेट मार देहनी..आ उहो फीरीये में ब्रिज भाई, नविन भाई, रिंकू भाई  सभे रहबे कईल..खा के धीरे से लम्बी ले लेहनी....हा हा हा

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service