JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

आपन बात: बिग बॉस के घर में छठी माई के प्रसाद

मुंबई। एह खबर से शायद कई लोगन के ताज्जुब होई, लेकिन हमनी का आखिरकार एगो अइसन काम कइ देहनी जा, जेकरा बारे में बहुत लोग सोचले भी ना होई। आज दोपहर 3:20 बजे जब भोजपुरिया डॉट कॉम के ओर से राजेश पाठक जी बिग बॉस के निर्माता कंपनी के छठी माई के पावन प्रसाद देहनी, त ई भोजपुरिया संस्कृति खातिर एगो नया क्रांति के संदेश रहे। ई प्रसाद एगो अइसन "घर" में रहि रहल हमनी के आपन मनोज तिवारी खातिर रहे, जवना कार्यक्रम में शायद लोग कबो भगवान के बारे में सोचतो ना होई।

बात शुरु भइल पिछला हफ्ता, जब हमनी का भोजपुरिया डॉट कॉम के ओर से हर साल होखे वाला छठ प्रसाद वितरण कार्यक्रम के योजना बनावत रहनी जा। हर साल हमनी से छठी माई के प्रसाद पाये वाला लोगन के लिस्ट में एगो नाम (मनोज तिवारी) अइसन रहे, जवन कि हमनी के दिल के त करीब बा, लेकिन उनका "बिग बॉस" के घर में रहला का वजह से उनका तक छठ के प्रसाद पहुँचावल संभव ना लउकत रहे। हमनी का तुरंत एह दिशा में संभावना टटोलल शुरु कइनी जा, कि आखिर एह स्थिति में का कइल जा सकेला। मनोज तिवारी के कुछ करीबी लोगन से बात कइला के बाद फैसला लिहल गइल कि एह दिशा में कार्यक्रम के संचालक लोग से बात कइल जाव।

तार से तार जुडत गइल, आ हमनी का एंडेमोल इंडिया (बिग बॉस के निर्माता कंपनी) के एगो बडहन अधिकारी से एह बारे में चर्चा कइनी जा। उनकर रुख त सकारात्मक रहे, लेकिन ऊ कुछ भी निर्णय लेवे से पहिले अपना टीम से बात करे खातिर कुछ वक्त लेहलन। उनका से जब हमनी का दोबारा बात करे के कोशिश कइनी जा, त अपना व्यस्तता का वजह से ऊ फोन ना उठवलन। एकरा बाद भी जब उनकर फोन ना आइल, तब "बिग बॉस" के घर में प्रसाद भेजे के हमनी के ई प्रयास दम तूडत लागल, लेकिन छठी माई के कुछ अउरे मंजूर रहे।

अगिला दिन जब भोजपुरिया डॉट कॉम पर छठ प्रसाद के ऑनलाइन बुकिंग शुरु भइल, त सबेरे से हमनी के कार्यालय में काफी गहमा-गहमी रहे। देश भर के मीडिया अपने आप में अनोखा, आ दुनिया के सबसे बडहन छठ प्रसाद वितरण के एह मुहिम के सराहना में लागल रहे, आ ओही बीचे बिग बॉस के संचालक लोगन के फोन आ गइल। "आप हमें शनिवार को प्रसाद दे दें, और हम उसे रविवार को बिग बॉस के घर के भीतर मनोज तिवारी तक पहुँचा देंगे," ई सुनते साथ हमनी के टीम में खुशी के लहर दौड गइल। एह खुशी के पिछे सबसे बड कारण ई रहे कि हमनी का एगो अइसन व्यक्ति तक छठी माई के प्रसाद पहुँचाये में सक्षम हो गइल रहनी जा, जे हमेशा हमनी के छठ प्रसाद वितरण के एह मुहिम के सराहना कइले बा, आ पिछला साल त ऊ हमनी के एह मुहिम के सहयोगी भी रह चुकल बाडन।

अब शुरु भइल तैयारी मनोज तिवारी का बाकी लोगन खातिर शनिचर के छठ घाट से लौटला के तुरंत बाद प्रसाद पहुँचाये के... चूंकि हमनी का जमशेदपुर में बानी जा, त ई बात कवनो कम मुश्किल ना रहे। पहिले सोचल गइल कि एहिजा से हमनी के एगो प्रतिनिधि जाके मुंबई में प्रसाद कार्यक्रम के संचालकन तक पहुँचा आई। एह बारे में कई लोगन से भइल चर्चा के दौरान नवीन भाई एगो नाम सुझवलन - राजेश पाठक जी के। राजेश जी जय भोजपुरी परिवार के पुरान सदस्य हईं, आ मुंबई में ही रहेनी। भोजपुरी के प्रति समर्पित, आ एगो बडहन पेट्रोलियम कंपनी में इंजीनियर के पद पर काम कइ रहल राजेश जी के जब हमनी का पहिला बेर फोन कइनी जा, त एह इंजीनियर के पिछे छिपल भोजपुरिया सामने आ गइल। "रउआ लोग चिंता मत करीं, हम सब व्यवस्था क लेब..." आ राजेश भाई अपना वादा पर खरा उतरनी।

आज सबेरे छठ घाट से लवट के फेर राजेश भाई से बात भइल, आ दोपहर में बिग बॉस के संचालकन के प्रसाद भेजे के तैयारी कइल गइल। राजेश भाई आ उनकर धर्मपत्नी मनीषा पाठक जी मिल के प्रसाद बनवइला से लेके ओकर पैकिंग कइला तक के हर काम पूरा लगन से कइल लोग, आ हमरा इ कहे में तनिको गुरेज नइखे कि इनका बगैर "बिग बॉस" में छठी माई के प्रसाद भेजे के कल्पना भी संभव ना रहे। एह आयोजन में सहयोग खातिर भोजपुरिया डॉट कॉम के पूरा टीम अपना परिवार के एह सदस्य के ई योगदान कहियो ना भूलाई, काहें कि आज ले हमनी के टीम के एक सदस्य के छोड के केहु अउर से राजेश भाई से कबो मिलल भी नइखे, लेकिन अब हमनी के मन में इच्छा बा कि जल्द से जल्द मुलाकात होखे, भोजपुरी के एह सजग सिपाही से...

वईसे एह कार्यक्रम मे सबसे बडहन योगदान त छठ माई के बा छठ माई के आशिर्वाद के बा। दोपहर में एक पल खातिर जब हमनी के ई बतावल गइल कि शायद हमनी के मुंबई का जगह अब लोनावला जाके प्रसाद पहुँचाये के पडी, त मन में तरह-तरह के आशंका उठे लागल। हमनी का तुरंत मुंबई में कुछ लोगन के लोनावला जाये खातिर तैयार करे लगनी जा, लेकिन छठी माई के कृपा से एगो फोन दोबारा आइल, आ हमनी के बतावल गइल कि मुँबई से लोनावला जा रहल "बिग बॉस" के गाडी के आधा घंटा तक रोकल जा रहल बिया, आ ओतना समय काफी रहे ई प्रसाद पहुँचाये खातिर...

प्रसाद त शायद अभी ले मनोज तिवारी के भी मिल गइल होई, लेकिन हमनी का सांस रोक के प्रतीक्षा कर तानी जा, कि आखिर बिग बॉस के घर में रह रहल लोग एकरा के कवना तरह से लेता। राष्ट्रीय मीडिया में, आ खास कर के युवा वर्ग के चहेता एह कार्यक्रम के मंच के जरिये हमनी का कोशिश कर तानी जा भोजपुरिया समाज के नवहा लोगन के बीच अपना भाषा आ संस्कृति के एगो अलग पहिचान बनाये के। अगर बिग बॉस के घर में छठी माई के प्रसाद पहुँच सकेला, त एह से हमनी के नवहा लोगन के आपन भाषा, आपन संस्कृति आ अपना पहचान के लेके गर्व होई, आ ओह लोगन के मानसिकता में एगो बदलाव त जरुर आई। वइसे बदलाव बाकी लोगन के मानसिकता में भी आई, जेकरा खातिर ई एगो नया अवसर होई, भोजपुरिया संस्कृति के करीब से जाने आ समझे के, आ हमरा भरोसा बा कि बिग बॉस के ई मंच एह दिशा में एगो सकारात्मक रोल अदा कर सकेला।

अंत में बस एतने कहब कि भोजपुरिया डॉट कॉम परिवार आभारी बा आनन्द जी के, प्रमोद पाण्डेय जी के, विकास सिंह जी के, प्रभुनाथ राय जी के, शशिकांत सिंह जी के, बिग बॉस के पूरा टीम के, आ हर ओह आदमी के, जे एह अभियान में हमनी के प्रत्यक्ष या परोक्ष रुप में सहयोग कइल। रउआ लोगन के सहयोग से हमनी का भोजपुरी के दुनिया में एगो नया पहचान दिलायेब जा, ई वादा बा...

आईं, भोजपुरी खातिर कुछ कइल जाव...



Views: 19

Comment by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on November 13, 2010 at 10:14pm
भोजपुरी समाज और भोजपुरी परम्परा के सम्मान के आज एगो नया उचाई मिलल बा|
हम धन्यवाद देत्बानी भोजपुरिया डॉट काम के ,जय भोजपुरी के एडमिन टीम के और ओह सिपाही के जून आपण कीमती वक्त से कुछ वक्त निकाल के एह शुभ काम में सहयोग देहलन राजेश भाई आ उनकर धर्मपत्नी मनीषा पाठक के बहुत बहुत धन्यवाद |
केहू सोचलो न होई कि छठ के प्रसाद बिग बोस के घर में भी जा सकत बावे और हमरा पूरा यकीन बावे कि जब बिग बोस में मनोज तिवारी और बाकि लोगन के इ प्यार से लबरेज प्रसाद मिली ता उ लोग भाव विभोर हो जाई |
और सब से बड़ा बात ता इ बावे कि दुनिया देखली कि आज भी भोजपुरिया भाषी लोग आपना भाषा,समाज ,लोग रीती रिवाज और परम्परा के केतना प्यार करेला |
हम फिर धन्यवाद देत्बानी हर ओह आदमी के जे छठ प्रसाद वितरण के कार्येक्रम से जुडल रहल हावे |
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on November 13, 2010 at 11:23pm
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

एह पहल के जेतना भी तारीफ कईल जाउ उ कम कहाई । आ रउवा बहुत ही सरल रुप जय भोजपुरी के एक एक् सद्स्य के भाव लिख देले बानी । राजेश भाई के आ भउजाई के प्रयास के त कहे के नईखे । राजेश भाई बलिया से ही हई आ हमनी के परम मित्र हई जा । बाकी त सब बताईये देले बानी रउवा ।

हमरा एगो चीज जवन बहुत बरियार लागल हा आ जवना खातिर हम जय भोजपुरी के एह साईट के हार्दिक बधाई दिहल चाहब उ बा की " एह पहल से बहुत लोगन के शंका संशय और मानसिकता बदल जाई जे भोजपुरी के गंवार भा अनपढ के भाषा बुझेला "

एह साईट से जुडला के हम अपना के केतना गर्वांवित महसुस करत बानी वोह के शब्दन मे हम ना बता सकेनी बस इहे कहब की " हे छठ मईया एह साईट पे आपन आशिर्वाद बनवले रही , जवना से भोजपुरी के सेवा दिन दुनी रात चौगुनी होत रहे ।

अपना भाव के अपना दिल के बात के एजुगा लिखला खातिर रउवा के बहुत बहुत धन्यवाद एडमिन जी ।

जय भोजपुरी जिया भोजपुरी
Comment by S Rajesh Kumar Pathak on November 14, 2010 at 9:26am
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

Hindi font mein likhe ke abhi aadat maikhe bhayeel... maafi chaahathaani ekaraa khaatheer...

hamaar soubhagya ba ki hamraa ke ekar mauka dihal gayeel haa...Mera bahut hi chhotta role tha isme, asli ground work tha Sudhir bhai thaiyaar kayile rahaniyaa... Chhatti maiya ke prasad jethnaa baatal jaala othane okar mahatva badhath jaalaa...


Jai Chhatti Maiya... Sabke manokaamna pooraa kareen...


Jai Bhojpuria Samaaj

Jai Bhojpuri dot com
Comment by Anoop Srivastava on November 14, 2010 at 12:40pm
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी ,
मन प्रसन्न हो गइल , रउआ के आ ए अभियान से जुड़ल सब लोगन के हार्दिक बधाई ......।
जय भोजपुरी ...।
Comment by SURAJ DWIVEDI 'SARAS' on November 14, 2010 at 1:33pm
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी।
राउवाँ सब के ई पहल के कवने तरे सराहना करीं , हमरा ना बुझा ता।
ए प्रसाद वितरण कार्यक्रम मे शामिल सबका के बधाई आ कोटि कोटि धन्यवाद बा। आ हम ईशवर से विनती करब की ऊ अईसहीं निरंतर आप सब के हर कदम पर सफलता दें।
हमरा ई कहत में तनिको झिझक ना बुझा ता कि मौजूदा समय मे भोजपुरी के विकास खातिर भोजपुरिया डाट काँम परिवार के बहुत महान योगदान बा....बहुत महान योगदान ।।।
जय भोजपुरी
Comment by Abhay Tiwari on November 14, 2010 at 2:01pm
Jai Ho !!!! Mangalmay Ho !!
Comment by Ashutosh Ranjan on November 14, 2010 at 3:25pm
एडमिन जी प्रणाम,
एह अभियान के जेतना तारीफ़ कईल जाओ कम बा..हमार हार्दिक बधाई बा एह अभियान से जुडल हर व्यक्ति के आ शुभकामना बा सारा भोजपुरिया समाज के की छट्ठी माई सबपर आपण कृपा दृष्टि बनवले राखस.

जय भोजपुरी
Comment by satish kumar singh on November 14, 2010 at 4:08pm
bahut bahut dhanybad admin ji.............................
Comment by SHIV SHARAN SINGH on November 14, 2010 at 10:11pm
bahute neek kaam kaila ha bhaiyaa log.Apane mahtari se bad jag me koi naa hola,aur chhath maiya ta jagat ke mahtari hayi,aaj jetna samman eh parv ke ba u dekh ke lagela ki sari duniya jaldiye hum han ke chhath vaale desh ka bolave lagi.
Comment by Rajesh kumar singh on November 15, 2010 at 1:21am
बहुते सराहनीये कार्य कैले बानी एडमिन जी !
जय भोजपुरी के सारा परिवार के बधाई हो !
इई समाचार पढ़ के ता हमर मन ख़ुशी से झूमता
और गदगद होता !
हम ता बहुते गर्व महसूस करत बानी की हम जय भोजपुरी के एगो सदस्य बानी !
बहुते बढ़िया !
बस इसने पूरा इमानदारी से आपन संस्कृति और भाषा के मान बढ़ाते रही !
हमनी के पूरा सहयोग रही !
~~~जय भोजपुरी - आई भोजपुरी खातिर कुछ करल जाव~~~

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service