JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

मोरे बालम गए परदेश हो ,... एक गीत

मोरे बालम गए परदेश हो ,

कोई बाबुल के भेजो सन्देश हो .....

एक तो मोरी इ बाली उमरिया ,

दूजे सतावे ई बैरी ननदिया ,

कोई बाबूल को भेजे सन्देश रे ..मोरे ...

छतवा पे आवू तो बहे पुरवैया ,

रही रही मोरी दरद करे देहिया

मेरे मैया को भेजो सन्देश रे मोरे.....

दिनवा गिनी कभी, रहिया निहारी

तबहू न आवे मोरा बलमा अनाड़ी

जाके भैया को दे दो सन्देश रे मोरा ..

मै बिरहिन जिया, दरद की मारी

हमके ना भावे हो, अगना अटारी

मोरे बलमा को भेजो सन्देश रे ......


अजय त्रिपाठी

Views: 17

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 11, 2010 at 3:12am
अजय भईया प्रणाम आ जय भोजपुरी

बहुत ही बरियार चित्रण बहुत ही बरियार रचना , आ बिरह के जवना हिसाब से रउवा देखवले बानी वोह के केतनो तारीफ कईल जाउ त कमे कहाई ।

बहुत दिन से राउर विचार राउर रचना के दर्शन ना भईल रहल हा आ जब दर्शन भईल त बहुते बेजोड भईल ।

बधाई बा एह रचना खातिर ।

जय भोजपुरी
Comment by Ajay Tripathi on October 11, 2010 at 3:18am
धन्यवाद और आशीर्वाद भाई !
Comment by Sudhir Kumar on October 11, 2010 at 3:54am
अजय जी, प्रणाम आ जय भोजपुरी,

एगो बिरहिन के दर्द के एह से बढिया चित्रण का हो सकत रहे? गजब के भाव बा, आ एकर जेतनो बडाई कइल जाव, कम होई। जय भोजपुरी ।
Comment by Rajnish Kumar Singh on October 11, 2010 at 7:03am
Aajjay bhaaiya Praanaam aaur jai bhojpuri........

Baahut bejod rachna ba raaur.........
Ek daam dil ke daard ke key booard ke rste nikal
ke raakh dele bani bahut ssundar dard ke chitran baa........

JAI BHOJPURI
Comment by Brij Kishor Tiwari on October 11, 2010 at 11:20am
जय भोजपुरी .....अजय जी
लाजवाब बा ..........
बहुत बढ़िया रचना .........
आ फोटुवा त कवितवा में चार चाँद लगा देता ..........
Comment by sanjay panday on October 11, 2010 at 11:41am
ajay ji parnam a jai bhojpuri |
bhai ji bahut badhiya rachana ba raur |
bahut abhut dhanyavad auri bhejat rahi |
jai bhojpuri
san jay pandey
Comment by Ashutosh Ranjan on October 11, 2010 at 8:40pm
अजय जी प्रणाम ,

बहुत जबरजस्त लिखनी....बहुते बेजोड़ ....बहुत बढ़िया से बिरहन के व्यथा देखाव्नी.....

धन्यवाद,
जय भोजपुरी
Comment by Dinesh Thakur on October 12, 2010 at 6:01pm
ajay ji pranam aa jai bhojpuri

bahut sunder rachana ba

dhanybad , jai bhojpuri

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service