JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

एह कल्लुआ के का कइल जाव...?

आज सबेरे सबेरे एगो फोन आइल ह पटना से (930461**** से), रउआ लोग का संगे एह घटना के बाँटल चाहेब -

फोनकर्ता: "क्या आप भोजपुरिया डॉट कॉम से बोल रहे हैं?"
हम : "जी हाँ"
फोनकर्ता: "आपके वेबसाइट पर भोजपुरी गायक 'कल्लू जी' का कोई फोटो नहीं मिल रहा है, उनके बारे में कोई जानकारी भी नहीं है?"
हम: "उनके बारे में जानकारी देना हमारे लिये संभव नहीं है।"
फोनकर्ता: "क्या ऐसा कोई तरीका नहीं है, जिससे उनकी फोटो यहाँ लग सके?"
हम: "जाकर कह दिजियेगा उनसे कि भोजपुरी भाषा और संस्कृति को बदनाम करने वाले, और बेचने वाले किसी भी गायक का फोटो ना तो भोजपुरिया डॉट कॉम पर लगा है, नाहीं कभी लगेगा। इस वेबसाइट पर पैसे के लिये आज तक नाही कुछ लिखा गया, ना आगे लिखा जायेगा। आपकी नजर में वो बहुत महान हस्ती होंगे, लेकिन भोजपुरी को बदनाम करने वालों का प्रचार यह वेबसाइट नहीं करती।"

का कहल जाव एह घटना के? एगो अश्लील गीत गाये वाला गायक के अहंकार? या मीडिया के गिरत स्तर के नतीजा, जवना में पइसा देके कहीं भी कुछो लिखवावल जा सकेला? एक ओर हमनी का भोजपुरी से अश्ल्लीलता हटाये के बात कर तानी जा, आ दोसरा ओर कल्लुआ नियन अश्लील गाना गाये वाला लोग एहिजा आपन तस्वीर देखल चाहता? का कइल जाव? एह घटना पर राउर प्रतिक्रिया के इंतजार रही।

Views: 125

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 2, 2010 at 1:36pm
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

पहिले त रउवा हिम्मत के बधाई बा कि एह बात के एजुगा लिखनी , काहे कि आजु काल्हु ई अश्लील गीत वाला लोग बडा हुमचल बोली बोलेला आ देखावे मे त कह ही के नईखे ।

जहा तक बात बा आजु क्लाहु के मिडिया के त उ साफ साफ लउकत बा की एह घरी ई लोग कुछ कुकुरमुत्तन के आम अमरुद्ध के फेड बनावे मे लागल बा आ एह लोगन के बुझात नईखे की कुकुरमुत्ता भोजपुरिया क्षेत्र गोबर पे होला आ कईसे होला ई कहे के जरुरत नईखे । बाकि आजु काल्हु त कृत्रिम ( जोगाड से ) भी पैदा हो जात बाडन स आ ई जोगाड ई मिडिया ही बिया अईसना लोगन के ।

बाकि कल्लु आ अईसन अश्लील गीतकारन जईसन गिरल लोगन खातिर राउर जवाब बहुत ही सही बा आ एह लोगन के नीमन जवाब दिहल बहुत जरुरी बा आ राउर जवाब बिल्कुल सही बा आ एह लोगन के धोबलक अईसही छुटी ।

कुछु बेच के पईसा कमाईल जा सकल जाला लेकिन पईसा से सब कुछ ना हो सकेला एह बात के हम आजु जानि गईनी ।

बहुत बहुत बधाई बा आ शुभकामना बा आगे खातिर ।

जय भोजपुरी
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 2, 2010 at 1:54pm
ओकरा शुभचिंतक आ अश्लीलता के उपासक लोगन के एह बात के बुझे के चाही की अश्लीलता से पईसा मिल सकेला लेकिन नाम इज्जत आ सम्मान पईसा से ना मिलेला ।
Comment by Pankaj Praveen on October 2, 2010 at 2:02pm
admin जी

हमरा लगे एगो आईडिया बा ..एह लोनग के न्यूज़ me आवे के सौख बा त एगो वेबसाइट बनावल जाव, जेतना कुलही अश्लील गीत गावे वाला लोग बा ओकर गीत उहा डाली के ओकर निचे ओह लोगन के बड़ाई कइल जाव ..एकरा से नीमन उपाय कुछ न हो सकेला ..
Comment by Navin Kumar Upadhyay on October 2, 2010 at 2:21pm
आडमिन जी, नमस्कार,
और जाई भोजपुरी...

रौवा जौन प्रयास कर्तबानी भोजपुरी के गरिमा के बचावाए खातिर उ प्रयास मे हम सब लोग आप के साथ है.
रहाल बात आश्लील गीत के त...उ त हम ना जाने कितने दिन से सुनना बंद कर दिया है....और सब भोजपुरी भाई लोगों से अनुरोध बा की रोओ सब बंद कर दी..ना कहू अश्लील गीत सुनी, ना उ बन सकी.......
Comment by Krishna das on October 2, 2010 at 2:23pm
Bahut Achha Samaj se Aslilta mitawe me koi kasar na chhore ke ba . Jai Bhojpuri.
Comment by Ashutosh Ranjan on October 2, 2010 at 2:34pm
एडमिन जी प्रणाम,

पहले त बहुत बहुत धन्यवाद बा रौवा के की कवनो भी चीझ रौवा के सत्य से डिगा नईखे सकत...आ सलाम बा राउर जज्बा आ हिम्मत के जे उनका के त मून्ह्तोड़ जवाब देह्बे कईनी, हमनियो के संगे बंटनी...

अब करे के बा इनका संगे....इयाद बा नु की अभी कुछ दीन पहिलही एगो भोजपुरी के महापुरूष आपन फिलिम के प्रचार खातिर अश्लील हरकत करत रहलन....उनकर फोटो लागल इन्ह्वा discussion में...आ उनकर खूब निमन से इज्जत दिहल लो जय भोजपुरी के सदस्य लो... त एहू महान हस्ती के इहे इक्षा बा त हम त इहे निहोरा करेब रौवा से की उन्हा के बात मान जायीं...आ discussion में उन्हा के फोटो के साथ जवन उन्हा के भोजपुरी के प्रति कारगुजारी बा ओकरा के लिख दीन्ही.....बाकी त प्रतिक्रया के प्रसाद उन्हा के भेन्तायिये जाई...उन्हा के हिया भी जुड़ा जाई...

धन्यवाद,

जय भोजपुरी
Comment by Abhay Pandey on October 2, 2010 at 3:04pm
जय भोजपुरी,
बहुत सही बात कहले नवीन भाई, हिम्मत के बात तो बटले बा बाकी ए गो बात हम और कहम कि ऐसन गीत गावे वाला लोग हमनिए के समाज के देन ह, आख़िर उ लोग ऐसन गीत कहे गावाता कहे की हमणि के उहे पसंद आवाता. आ एगो बात औरई बा भैया लगता की ऐसन गीत गेव वाला लोग अपना घरे ई गीतवा ना सुनवत होई लोग आ ना तो भैया ई लोग के अपना घर-परिवार, माइ-बहिन से लाज शरम ना होई.
भोज्पुरिय.काम के बहुत बहुत बधाई आ बहुत बहुत शुभ कामना.

जय भोजपुरी......जय भोजपूरिया
Comment by Dhanendra Kumar Srivastava on October 2, 2010 at 3:41pm
DHANYAWAAD AAPKE KI EGO ACHCHHA NIRNAY LIHNI AA ETNA MAN BAA WEBSITE PAR PHOTO LAGAWAWALE KE TA NAVIN JI KE RAY THIK BAA KI ALGE SE EGO WEBSITE YA BLOG PAR YEH LOG KE GANA AA OKAR SHABD-SANRACHNA PAR VICHAAR HOKHE.

AAP SAB KE DHANYAWAAD
JAI BHOJPURI
Comment by sanjay panday on October 2, 2010 at 3:43pm
ADMIN JI JAI BHOJPURI |
bhai ji bahut sahi kahani raua bhojpuri ke badnam a beche wala log hamanio ke na pasand ba |
raur bahut sahi kahani hamani ke na chahi |
kallua hamaralagat ba ki sabse jada bhojpuri ke bigarale ba , kavno gana parivar me baith ke
sune layak na ba | halanki ham jadanaikhe janat okara bare me lekin jetana janat bani otana
bhojpuri ke paisa khatir badnam jarur kaile badan u |
bahut sahi raur uttar rahal | dhanyavad
jai bhojpuri
sanjay pandey
Comment by neeraj singh on October 2, 2010 at 4:46pm
hi
ham raur ke kuch kaheke chahatani raur kallu ke subh chintak ke bahute achha jabab dile ham raur se sahmat bani jai bhojpuri navratra ke raur logan le bahut bahut subh kamna



agar ham kuch galat likhle bani ta maf kariha kahe ki hamra bhojpuri pura trika se naikhe aabat

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service