JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

कुछ हाइकु: -----संजीव वर्मा 'सलिल'

कुछ हाइकु
संजीव वर्मा 'सलिल'
*
पावन भूमि
भारत देसवा के
प्रेरण-स्रोत.
*
भुला दिहिल
बटोहिया गीत के
हम कृतघ्न.
*
देश-उत्थान?
आपन अवदान?
खुद से पूछ.
*
अंगरेजी के
गुलामी के जंजीर
साँच साबित.
*
सुख के धूप
सँग-सँग मिलल
दुःख के छाँव.
*
नेह अबीर
जे के मस्तक पर
वही अमीर.
*
अँखिया खोली
हो गइल अंजोर
माथे बिंदिया.
*
भोर चिरैया
कानन में मिसरी
घोल गइल.
*
काहे उदास?
हिम्मत मत हार
करल प्रयास.
*
दिव्यनर्मदा.ब्लॉगस्पोट.कॉम

Views: 1

Comment by Rajnish Kumar Singh on July 13, 2010 at 7:55pm
gajab ke Raura likhale bani .........Bahut kamal ke raura likhila......

Jai Bhojpuri...............
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 13, 2010 at 8:02pm
प्रणाम आ जय भोजपुरी सलिल जी

बहुत दिन के बाद लेकिन बेजोड बा राउर ई हाईकु स्टाईल के रचना ..

बेहतरीन , लाजवाब ।


धन्यवाद आ जय भोजपुरी

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service