JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

पंजाब में बिहारी मजदूरन के मौजा ही मौजा

भटिंडा। पंजाब में मजदूरन के कमी के हालत इ हो गइल बा कि रेलवे स्टेशन से
ही मजदूरन के अपना संगे ले जाये खातिर मारा मारी हो जाता। एह घरी बिहार
यूपी से आवे वाला मजदूरन के पंजाब में बीसों अंगूरी घिव में आ मुड़ी पूरा
कढ़ाई में बा। काहें की धान के बोवनी शुरु हो गइल बाटे अउर मजदूरन के भारी
कमी के कारण पूरा पंजाब में असही हाय-तौबा मचल बाटे। एहिजा स्थानीय किसान
लोगन के माथे पे एह समय बुवाई के चिंता के लकीर साफ लउक रहल बाटे।


आज कल पंजाब के भठिंडा, संगरूर आ अइसने कई गो स्टेशन पे किसानन के बिहार से आवे वाला ट्रेन के इन्तजार अइसन रहत बा जइसे कि उनकर आपन कवनो
रिश्तेदार आवे वाला होखे। आ ओह लोगन का संगे रहता मजदूरन के देवे जाये वाला
सुविधा के वादा वाला बड़हन- बड़हन पोस्टर। मजदूरन से बात भइला के बाद
मोबाइल, मुफ्त बिजली का संगे-संगे मनोरंजन खातिर केबल टीवी के भी सुविधा
दिहल जात बा। मजदूरन के मजदूरी त डबल होइए गइल बा, ओकरा संगे-संगे खाना,
पहनना अउर रहना सब कुछ मुफ्त मिल रहल बाटे। एतने ना, मजदूरन के अउर दुसर
किसानन से मिले भी नइखे दियात काहें कि मजदूरी बढ़वला के लालच दे के मजदूरन
के बहकवला के भी डर बा।

पंजाब में जमीन के घटत जल स्तर के कारण सरकार 10 जून से धान के बोवाई के समय मुकर्रर कइले बाटे, अउर मशीन से बोवाई
करवला पर धान के खेती के लागत बढ़ जात बा, ओकरा वजह से मजदूरन के मांग
अचानक से बढ़ गइल बाटे। दोसरा ओर, बिहार समेत कई गो राज्यन में मनरेगा अउर
लघु उद्योगं के विकास के चलते मजदूरन में स्वाबलंबन भा स्वरोजगार के प्रति
रुझान बढल बाटे, आ राज्य छोड के जाये वालन के संख्या में भारी कमी आइल बा।
जेकरा परिणाम-स्वरूप पंजाब में खेतिहर मजदूरन के संख्या में भारी कमी भइल
बा, जवन कि माँग में बढोतरी के मुख्य कारण हवे। .

खैर, मजदूरन के कमी के कारण खेती के हाल चाहे जवन होखे लेकिन अगर बिहार के प्रगति के राह
कुछ दिन अउर अइसहीं रह गइल त पूरा देश में बोझ समझे जाये वाला मेहनती
बिहारी मजदूरन के प्रति लोगन के नजरिया बदले में देरी ना लगी।

bhojpuria.com se sabhar

Views: 8

Tags: news

Comment by Ashutosh Ranjan on June 19, 2010 at 11:33am
आडमिन जी प्रणाम,
माने ई पिछ्ला कुच्छ साल के हमणि के एगो नया चमकता बिहार के तरफ बधल एक कदम मानी जा त शायद अतिशयोक्ति ना कहाई. जौन हमेशा पहीले बिहार के बारे में खाली उल्टा सीधा ही सूने के मिलत राहुवे, अब तनी निमन भी सूने के मिलता. अब उ चाहे नवीन जी काल समाचार पहुँचवनी लयकिन के शिक्षा के बारे में, आ चाहे बिहार के प्रगती दर गुजरात से अधिक भैला के खबर होखे, चाहे सरक निर्माण के बात होखे या चाहे क़ानून व्यवस्था के क्रमिक सूधार के बात होखे. मन प्रसन्ना होला, लेकिन तनी डर भी लागेला की केहु के नज़र ना लाग जाओ.
अब है समाचार केटना गर्व के अनुभूति करा रहल बा.
खैर, मजदूरन के कमी के कारण खेती के हाल चाहे जवन होखे लेकिन अगर बिहार के प्रगति के राह
कुछ दिन अउर अइसहीं रह गइल त पूरा देश में बोझ समझे जाये वाला मेहनती
बिहारी मजदूरन के प्रति लोगन के नजरिया बदले में देरी ना लगी।

उम्मेद्द बा की ई बिकाश के पटरी पर लौटल बिहार कबो आपण पटरी से ना उतरी आ दिन दूना आ रात चौगूना प्रगती करके फेनु सिरमौर बनी अपना हिन्दुस्तान के. आ आपण भोजपूरिया संस्कृति के परतिष्ठा पुनर्स्थापित होई.

जय भोजपुरी
Comment by Anoop Srivastava on June 19, 2010 at 12:25pm
एडमिन जी प्रणाम आ जय भोजपुरी !
ई कुल पढला के बाद , थोड़ी देर खातिर हम सोचे लगनी कि, एमें, खुश होखे के चाही कि नाही । फेर दुबारा पूरा पढ़ला के बाद ई अहसास भइल कि, अगर पंजाब में, मजूरन के अभाव चलत बा त जाहिर बा कि, इज्जत के साथ पइसा भी बढ़ियाँ मिली । हाँलाकि, ईहे स्थिति हर प्रदेश के बा, आ य़ू.पी. बिहार से आवे वाला हर गाड़ी से उतरत हर स्तर से लोग के जरूरत बा, केहू अगोरे भा ना अगोरे, आ रहल बात नजरिया के त ऊ जरूर बदली ।
धन्यवाद आ जय भोजपुरी ...।
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on June 19, 2010 at 12:54pm
टी ए जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

हर्ष भी बा दुख भी होत बा एह समाचार से ।

हर्ष एह बात के बा की बिहारी आ यु पी के लोगन के डीमांड बा , आ एह वजह से नीमन पईसा आ सुविधा मिली बाकी दुख एह बात के बा की लोगन के जब जरुरत पडत बा तब पुजत बा लो ना त दुर दुर ।
एहि पंजाब से कुछ दिन पहिले लुट-पाट के खबर आईल रहे , एह से हम आपन बात कहनी हा ।

बाकी खुशी के खबर बा , धन्यवाद एह जानकारी खातिर ।

जय भोजपुरी
Comment by Sudhir Kumar on June 19, 2010 at 3:41pm
एह खबर से एगो बात त साफ बा कि अगर बिहार में विकास एही लेखां जारी रहल त बाकी जगहन पर भी बिहारी मजदूरन के इज्जत, सम्मान आ वेतन में बढोतरी होई.
Comment by ALOK R MISHRA on June 19, 2010 at 4:26pm
wahh ka baat baa....
Comment by sanjay kumar singh on June 19, 2010 at 6:07pm
टी ए जी ,प्रणाम !

श्रमजीवी के श्रम के महत्त्व का होला आज ई पंजाब के किसान लोगन के बुझा रहल बा | बिहार आ उत्तरप्रदेश के मजदूर के मिलेवाला सम्मान आ पारिश्रमिक एकर प्रमाण बा | बहुत बहुत धन्यवाद एह जानकारी खातिर |

जय भोजपुरी
Comment by Rajnish Kumar Singh on June 19, 2010 at 9:53pm
Aab u din bhi door naikhe jab achchha kam khatir log bihari kahlai ....
Bihari viseshan ke aab dhire dhire roop aur aarth badalat jata aab bihar
karmathat ke pratik ban jaihan.....
Jai bhojpuri jai bihari...Jai ho uttar bhartiya...
Comment by shamim.khan on June 20, 2010 at 1:55am
bahut khusi bhail ba ki bihar ke majduran ke pujab ke kisan apne ristedaro se jyada
mahtttow deta lan lekin kuchh din pahle is punjab se kuchh ghatna ke samachr milal rahe
bihar se palayan par lagam lagal bate saf dikhat ba
hamani ke khusi ke thikana naikhe dhanya bad
Comment by मुकेश यादव on June 20, 2010 at 2:06pm
खुश होइला के कवनो बात नईखे,जब काम रही त आगे पिछे घुमिह जा जब काम खतम हो जाई त इहे यूपी बिहार के मजदुरन के भगा दिहल जा ।
Comment by Bimlesh Tiwari Kaushal on June 21, 2010 at 8:00am
बहुत बढ़िया जानकारी दिहनी....। बदलाव अइसहीं आई....हमार बधाई आ शुभकामना

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service