अनिल भाई जी प्रणाम
बहुत नीमन लागल जानि के रउवा काम मे व्यस्त रहनी आ उहो त एक तरह से भोजपुरी के सेवा ही बा । हम कुशल मंगल से बानी आ सब नीमन से चलत बा , अबहि त दुबई मे बानी लेकिन सितम्बर मे आवे के बा । बाकि सब ठीक बा ।
राउर इंतेजार हमेशा रहेला आ रही…
नवीन भैया,
प्रणाम ..साच कहत बानी हम नौकरी के साथे थोड़ा सा ( शूटिंग & रेकॉर्डिंग ) में व्यस्त हो गयील रहनी...लेकिन अब वादा करत बानी
कि हम रेगुलर अपने विचार के आदान प्रदान करब..हम तो ठीक बानी भैया आपन बतायी...कैसे बानी ...
--
Anil…
अनिल जी प्रणाम आ जय भोजपुरी
बहुत दिन हो गईल कुछ खबर ना मिलल राउर ?
हम उमेद करत बानी की सब कुछ कुशल पुर्वक होई आ हमनी के जय भोजपुरी पे एक हाली फेरु बतकही के सिलसिला शुरु होई ।
प्रतीक्षारत
राउर आपने
नवीन भोजपुरिया
अनिल अंजुनिल जी प्रणाम आ जय भोजपुरी
सही कहनी ई भोजपुरिया डाट काम आ जय भोजपुरी त अब हमनी के घर हो गईल बा आ बिना एजुगा अईले मन ना लागेला , चुकि हम अपना लोगन से दुर बानी त हमरा अपना परिवार के कमी एजुगा पुरा हो जाला , एजुगा सब रिश्ता मिल गईल , सब प्यार…
Naveen ji pranaam..
Bahut din baad ham ghar (bhojpuriya.com) me aayal baani baata na sakat baani ki kitnaa khushi ba... HUM Naukari ke saathe-Sathe MAHUVA TV KE SAATH BHI Bhojpuriyaa ke act k majaa le rahat baanee... Prograam k naam ba Kharkhat…
अनिलान्जुनिल जी ,
पाहिले ता हम माफ़ी चाहब अगर राउर नाव गलत लिखले होखब ता !!
आ दोसर बात की हम रउवा के बहुत बहुत धन्यवाद दिहल चाहब की रउवा नजर में ऊ ग्रुप पडल हाटे आ रउवा वोह में आपन विचार रखनी हाटे |
तीसरका बात ई बाटे की रउवा अगस्त में एह साईट में…
आई सभे , एजुगा हमनी के भोजपुरी के कुछ परम्परिक गीत लिखल जाऊ, सुनल जाऊ पढ़ल जाऊ और एह गीतन के और लोगन के बतावल जाऊ जेकरा से आवे वाला पीढी के हमनी के संस्कृति के पता चलत रहे ..See More
बहुत नीमन लागल जानि के रउवा काम मे व्यस्त रहनी आ उहो त एक तरह से भोजपुरी के सेवा ही बा । हम कुशल मंगल से बानी आ सब नीमन से चलत बा , अबहि त दुबई मे बानी लेकिन सितम्बर मे आवे के बा । बाकि सब ठीक बा ।
राउर इंतेजार हमेशा रहेला आ रही , राउर विचार के सादर इंतेजार बा ...
अनिल अंजुनिल जी प्रणाम आ जय भोजपुरी
सही कहनी ई भोजपुरिया डाट काम आ जय भोजपुरी त अब हमनी के घर हो गईल बा आ बिना एजुगा अईले मन ना लागेला , चुकि हम अपना लोगन से दुर बानी त हमरा अपना परिवार के कमी एजुगा पुरा हो जाला , एजुगा सब रिश्ता मिल गईल , सब प्यार मिल गईल आ मिल रहल बा ।
ई बहुत खुशी के बात बा की रउवा अपना लक्ष्य के तरफ अग्रसर बानी आ हम उपर वाला से प्रार्थना करब की राउर लक्ष्य हमेशा आगे के तरफ बढत जाउ आ रउवा अपना लक्ष्य के पावत रही ।
ई जान के नीमन लागल हा की रउवा महुआ पे काम कई रहल बानी आ भोजपुरी के प्रचार प्रसार मे लागल बानी । बिल्कुल हम जरुर देखब , फिलहाल त हम भारत मे नईखी लेकिन हम जब भारत आईब त जरुर देखब ।
जहा तक हमार परिचय बा त हम बलिया के रहे वाला हई आ पेशा से मेकेनिकल ( यांत्रिकि ) अभियंता हई आ फिलहाल एगो मलेशिया के कम्पनी मे काम करत बानी आ दुबई मे पोस्टेड बानी । परिवार एह समय पुना मे बा ।
आईल करी जय भोजपुरी पे आ आपन कुछ गीत अगर हो सके त हमनी संगे भी बाटी , साथ मे हमनी के मार्गदर्शन भी करी । रउवा सब के अनुभव से हमनी के भोजपुरी खातिर बहुत कुछ नीमन कई सकेनी जा ।
पाहिले ता हम माफ़ी चाहब अगर राउर नाव गलत लिखले होखब ता !!
आ दोसर बात की हम रउवा के बहुत बहुत धन्यवाद दिहल चाहब की रउवा नजर में ऊ ग्रुप पडल हाटे आ रउवा वोह में आपन विचार रखनी हाटे |
तीसरका बात ई बाटे की रउवा अगस्त में एह साईट में आपन नाव पंजीकृत करवयिले बानी लेकिन एह बेरा हम राउर टिपण्णी देखत बानी !!
एह सब के देखला के बाद हम रउवा से गुजारिश करत बानी , रउवा से निहोरा करत बानी की रउवा तानी और सब बहस में हिस्सा लीही , कुछ सुझाव दी , कुछ वाद -प्रतिवाद में आपन बात कही जवना से भोजपुरी भाषा और समाज के भला हो सके |
उमेद करत बानी की रउवा हमरा बात के गलत ना ले ले होखब आ अगर कुछ गलत हो गईल होखे ता हमें माफ़ी दे देब लेकिन रउवा आपन विचार , सुझाव जरुर दी |