JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन-2

Comment by Sudhir Kumar on December 21, 2011 at 11:19pm

भोजपुरी के कवनो कार्यक्रम के उदघाटन के समय पचासन लोग स्टेज पर चढ जाला। लेकिन भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के शुरुआत में सिर्फ विकल जी (उदघाटनकर्ता) ओहिजा रहनी, अउर उनका के सहयोग करे खातिर स्थानीय कस्तूरबा इंटर कॉलेज के पाँच गो लइकी रहली सन.. मैसेज एकदम साफ रहे - भोजपुरिया समाज के आयेवाला पीढी (जेकर प्रतिनिधित्व ई छात्रा लोग करत रहे), अपना गौरवशाली अतीत के दुनिया के सामने ले आये खातिर प्रतिबद्ध बाटे, अउर ओकरा खातिर ई पीढी "भोजपुरी के सच्चा सेवक" के आगे राखे में हर संभव सहयोग कइ रहल बाटे...। 

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on December 21, 2011 at 11:24pm

सुधीर जी सांचो अभी ले हम जतना सम्मेलन के फोटो देखले बानी चाहे उ भोजपुरी के होखे भा कवनो अउरी चीझु के मंच प लोगन के फोटो घिंचवावे खाति भीड लागि जाला बाकी एगो इहो सम्मेलन रहल ह जहवा मंच प उहे लोग रहे जेकरा से भोजपुरी के सम्मान मिल रहल बा जे भोजपुरी के जी रहल बा जे भोजपुरी खाति तन मन धन से जुटल बा आ भोजपुरी के सेवा कई रहल बा .... एगो अदभुत क्षण ,,, भोजपुरी के रक्षक के संगे भोजपुरी के सेवा खाति आवे वाली पीढी ... एक संगे जुटि के लागी के भीड के भोजपुरी के आगे बढावे खाति " भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन -2 " के मंच प ...

Comment by Sudhir Kumar on December 21, 2011 at 11:29pm

सही कहनी नवीन भाई, ओह समय अइसन लागत रहे कि ओहिजा मौजुद हर व्यक्ति ई कह रहल होखे - "विकल जी नियन भोजपुरी के सच्चा सेवक लोग आगे बढे, हमनी के समाज के बच्चा-बच्चा ओह लोगन के सहयोग करी।"

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on January 7, 2012 at 8:47am

bilkul sahi kahani

Comment by dhiraj kumar yadav on February 2, 2012 at 7:22pm
Jai Bhojpuri

Comment

You need to be a member of JaiBhojpuri.com to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service