JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

Rules

एह वेबसाइट के बारे में:
जय भोजपुरी डॉट कॉम आज के जागरूक भोजपुरिया के मांग रहल हा, जहाँ छोट चाहे बड़ आ हर तरह के सोच रखे वाला लोग भोजपुरिया अंदाज में आपन लोगन से मिले, आपन बात कहे, अपना बारे में बतावे, दूसरा के बारे में जाने, उहो बिना कौनो भेद भाव के... त आईं बिना देरी के अपना लोगन से जुडी, अपना लोगन के जोड़ी, आपन आवाज अपना भाषा में सब लोगन तक पहुँचाईं... अउर दुनिया के हर कोना में भोजपुरी के जयकार करवाईं...

नियम आ शर्तें:
1. एह वेबसाइट से जुडल कवनो भी व्यक्ति के बारे में एह वेबसाइट पर निजी आरोप लगावल मना बा.
2. एह वेबसाइट पर गलत/अशोभनीय/जाति-धर्म के आधार पर बाँटे वाली भाषा के इस्तेमाल मना बा.
3. एह वेबसाइट पर कवनो दोसर वेबसाइट के लिंक दीहल मना बा. (खाली एगो ब्लॉग के text लिंक "My Page" पर राखल जा सकेला)
4. एह वेबसाइट पर केहू के मर्जी के खिलाफ ओकरा के लगातार कई गो मैसेज भेजल मना बा.
5. एह वेबसाइट पर कवनो फिल्म, गाना, धर्म, वेबसाइट चाहे सामान के प्रचार बिना लिखित आदेश के कइल मना बा.
6. कवनो तरह के विवादास्पद मुद्दा चाहे सामग्री पर अगर 5 सदस्य शिकायत क दीहें, त मॉडरेटर द्वारा ओकरा के हटावल जा सकेला.
7. एह वेबसाइट के कवनो तरह के व्यावसायिक इस्तेमाल ना कइल जा सकेला. कवनो भी सदस्य से कवनो तरह के खरीद/बिक्री चाहे अन्य कवनो तरह के बिजनेस डील खातिर वेबसाइट प्रबंधन जिम्मेदार ना होई. एह वेबसाइट का माध्यम से मिलल कवनो सदस्य के साथ भी कवनो तरह के वित्तीय लेन-देन खातिर वेबसाइट प्रबंधन के दोषी ना ठहरावल जा सकेला.
8. कवनो तरह के शिकायत भइला पर संबंधित सदस्य के सदस्यता रद्द क दीहल जाई.
9. एह वेबसाइट पर केहू के द्वारा कइल कॉमेंट चाहे व्यावहार खातिर वेबसाइट प्रबंधन ना जिम्मेदार होई.
10. एह वेबसाइट पर कवनो दोसर व्यक्ति के नाम पर प्रोफाइल बनावल मना बा. हमनी का हर प्रोफाइल के लोकेशन IP Address द्वारा खोजल जा सकेला, आ एह तरह के कवनो शिकायत मिलला पर संबंधित व्यक्ति के खिलाफ कानुनी कारवाई कइल जा सकेला.
11. एह वेबसाइट पर कवनो दोसरा वेबसाइट/पत्रिका से लेख, खबर, गाना, फोटो इत्यादि बिना इजाजत के एहिजा पोस्ट कइल मना बा. कवनो तरह के कॉपीराइट के मामला में वेबसाइट प्रबंधन के दोषी ना ठहरावल जा सकेला.
12. एह वेबसाइट पर पब्लिकली केहु के फोन नम्बर या ई-मेल एड्रेस माँगल या दिहल मना बा. अगर बहुत जरुरी होखे त प्राइवेट चैट या Inbox में ई जानकारी भेजल जा सकेला।
13. एह वेबसाइट पर फोरम पर खाली अइसने विषय लगावल जा सकेला, जवना पर बाकी लोग का लगे बतकही के उम्मेद होखे. कवनो निजी विषय, आ अइसन विषय, जवना से बाकी लोगन के सरोकार ना होखे, ओकरा के हटा दिहल जाई. कवनो विषय के हटाये के अधिकार जय भोजपुरी डॉट कॉम प्रबंधन का लगे सुरक्षित बा.
14. जय भोजपुरी डॉट कॉम पर हिन्दी या अंग्रेजी में लिखल कवनो ब्लॉग ना फीचर कइल जाई. काहें कि ओह भाषा खातिर बहुत वेबसाइट बाडी सन, आ हमनी का एहिजा भोजपुरी खातिर जुटल बानी जा.
15. कवनो तरह के विवाद के स्थिति में जय भोजपुरी डॉट कॉम के प्रबंधन के फैसला आखिरी होई.
16. जय भोजपुरी डॉट कॉम प्रबंधन एह नियमन में समय-समय पर बिना कवो पूर्व सुचना के बदलाव क सकेला, आ ऊ नियम एह वेबसाइट के इस्तेमाल करे वाला सब आदमी पर लागु होई.

BLOG/FORUM/COMMENT RULES

To help you gain the most from our community, please familiarize yourself with the rules and guidelines below for participating in the message forums.

1. Use a title that describes the content of your post. Don't use all caps or special characters to draw attention.
2. No advertising or links to advertising or "Spam"
3. No cracks, serials or illegally obtained copyrighted content
4. No posts that attack, insult, or abuse members or non-members.
5. No use of explicit, obscene or vulgar language or images and/or messages, including racist remarks.
6. No discussion of any illegal activity or threats of violence.

JaiBhojpuri.com reserves the right to remove any post and ban any member for any reason whatsoever.

PHOTO UPLOAD RULES

By uploading pictures to JaiBhojpuri.com you agree to the following rules:
1. Quality is always better than quantity. Please upload maximum upload only your BEST works.
2. Photos that are to be uploaded should NOT contain any pornographic nudity, violent or offensive material.
3. No illegal content (photos that violate copyrights or were posted without permission from the original owner).
4. No advertising materials, business cards, posters or brochures.
5. Please upload ONLY your work.
6. Please upload photos with a maximum width of 1024 pixels and a maximum height of 768pixels. This should be big enough for most of the people in the world that browse the internet at only 1024 pixels wide.

JaiBhojpuri.com reserves the right to remove any image for any reason whatsoever. Specifically, any image uploaded that is pornographic in nature, infringes upon copyrights not held by the uploader, is illegal or violates any laws, will be immediately deleted.

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service