JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

चली अब हमनी के भी शायर बन जाईल जाऊ , बस हम राउर और रउवा हमार सहयोग करी और बस ताल में ताल मिलावत चलल जाऊ |

हम इक लाइन देब अब रउवा वोह लाइन से लाइन मिलावत इक लाइन जोड़ के बस दू लाइन के शायरी बना दी | लाइन बन गायीला के बाद एगो लाइन अब रउवा दे दी ...



बस एहे ख्याल राखे के बाटे की ऊ लाइन सबके सुने लायक और पढ़े लायक होखे|

Tags: भोजपुरी, शायरी

Views: 200

Replies to This Discussion

पैसा के चाकर में हमरा के भुला गइनी
भर के का करब पैसा के बोरिया
तानी ताकिना बलमुआ हमर ओरिया
हिरन के चाल नियन तोहार चाल गोरिया
नयन बा मृगनैनी, रूप बा एक मिशाल गोरिया
हंसेलु एक बार त हो जाईना कंगाल गोरिया
हिरन के चाल नियन तोहार चाल गोरिया

अगिला लाइन:

बहकने दो बहने दो मत रोको ये धारा है
बहकने दो बहने दो मत रोको ये धारा है
यही मजधार येही किनारा है,
चहेहे कतनो चाहे ई ज़माना
लेकिन हमके बा इ प्यार निभाना
अब ता चेहे धरती फटे चाहे आकाश टूटे,
तोहके न छोड़ब, चाहे दुनिया छूटे ता छूटे
बड़ा मुश्किल से तोहके पयिले बानी
आपण खून आ पसीना पानी लेखा बहैले बानी
अब कैसे तोहसे मुह फेरी हम
चाहे इ दुनिया में रहीं चाहे छोड़ी हम

अगला लें बा

जब जब तोहके देखि सखियन संग
गर्मिए हसरते नाकाम से जल जाते हैं ,
हम चिरागों की तरह शान से जल जाते हैं
शमा जिस आग मे जलती है नुमाइश के लिए,
हम उसी आग में गुमनाम से जल जाते हैं
जब भी आता है तेरा नाम मेरे नाम के साथ
जाने क्यों लोग मेरे नाम से जल जाते हैं
शाम होते ही चिरागों को बुझा देता हूँ
इतना काफी है गम भुलाने के लिए
गर्मिए हसरते नाकाम से जल जाते हैं ,
हम चिरागों की तरह शान से जल जाते हैं
शमा जिस आग मे जलती है नुमाइश के लिए,
हम उसी आग में गुमनाम से जल जाते हैं
जब भी आता है तेरा नाम मेरे नाम के साथ
जाने क्यों लोग मेरे नाम से जल जाते हैं
शाम होते ही चिरागों को बुझा देता हूँ
इतना काफी है गम भुलाने के लिए
जब जब तोहके देखि सखियन संग
मन में उठेला अजबे एक उमंग
मन होला बेकाबू, बाकिर का फायदा
दुनियादारी के भी कुछ बा कायदा
ना जाने भगवान कब हमनी के सुनिहें
हमनी के रिश्ता के कब ऊ डोर बुनिहें
ओही दिन के इंतजार में बइठल बानी
डोली उठी ई सपना रोज सजावत बानी...

अगिला लाइन:
का ए भगवान, ई कइसन बा इंसाफ
का ए भगवान ई कईसन इंसाफ बा
जे कुछ ना करे उ दोषी हो गईल
कई गो खुन कई के ओकर सबकुछ माफ बा
आजु के ई दुनिया आ गजबे बा राउर तरिका
एक दुसरा के लोग लोगन के कबारे के सलिका
बुझाता एह धरती से अब इंसानियत साफ बा
का ए भगवान ई कईसन इंसाफ बा

अगिला लाईन

जिये खातिर अब त जोगाड करे के परी
जिये खातिर अब त जोगाड करे के परी
आपना रिश्ता खातीर ता दुनिया से रार करे के paree
जीवते जिनगी ता ई संग छुटी ना
ई प्रेम के बरियार गांठ बा टूटी ना
सही बा की प्रेम खाली पावल ना होला
स्वार्थ आ आसक्ती कभी प्रेम ना होला
दीहल आ लीहल ता व्यापार ह
जून दे के ना मांगी उहे ता प्यार ह

अगला लाइने ....

आवा रचे के एगो इतिहास ऐसन
ज़िंदगी में जीना ज़रूरी नही
जीने का अंदाज ज़रूरी है
दिल में लाखों गम हो मगर
चेहरे पे मुस्कान ज़रूरी है |
चेहरा पे मुस्कान जरुरी बा
एह रंग बदलत दुनिया मे
आपन पहचान जरुरी बा
लुट पाट के मचल बा शोर
एह मे बनल इंसान जरुरी बा
दुख से भरल जिनगी मे
अब हर चेहरा पे मुस्कान जरुरी बा

अगिला लाईन बा -
खुशी गम त संगे संगे मिलल

खुशी अउर गम

खुशी अउर गम त संगे संगे  मिलल
तबो अपना धुन में चलल जात रहनी
सुर में गम आ खुशी के गावत  रहनी
रो रो के उनकर  याद  मिटावत रहनी

केहू कहल

तु बहुते निमन राग मे गीत गावे ल
अपना भितर के दर्द-पिडा निकाले ल
बाकीर काहे तू भोजपुरी लोर बहावे ल
कंठ से  हिन्दी गाना  काहे ना गावे ल

तुरंत याद आईल

जब गा सकीले त लिख काहे ना लेम
उनका विरह के कागज प उतार  देम
केहू पढी त सबक ली हमरा जनुन से
दर्द के घाव के पुरा लेखनी मे गार देम

बेबस हो गईनी हम

शब्द के जोडे मे बेबश कईलस हिन्दी
दर्द  के  अउर गहीर  कईलस ई भाषा
अंग्रेजी  के  त  अब  पुछबे  मत करी
निकाल  देहलस   एक  दम से लासा


वापसी

भटकत  भटकत जहावाँ  छाया मिलल
सुस्ताऐ लगनी ओह आँचल मे दमतुरी
आँख के सोझा  हमार आपन बहुते खास
माई रहली जेकरा कहल जाला भोजपुरी


किरीया

गोड छु   के पहिले   त माफी मंगनी
फेर  किरीया  खा के बतईनी अरमान
गलती   अब कबो   ना करेम ऐ माई
मरेम तबो भोजपुरी बनी हमार पहचान

.

.

.

अगीला लाइन : लिखेम आज तोहरा गम के कहानी

जब ,
भोजपुरी भाषा से
आपन खरची चलावे वाला
एगो कलाकार
भोजपुरी के बात
दोसरा भाषा मे दांवेला
जब
रिति रिवाज, संस्कार मे
सउनाईल , गोताईल
ओह उपजल माटी के
लोग
फुहर पातर गाना
अईंठाई के बतीसो दांत देखाई के
बडा चाव से गावेला
तब
बहुते भकसावन लागेला
आवे वाला दिन
का जाने काहे, कबो कबो
बडा भकसावन लागेला

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service