JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

Jai Bhojpuri team ke auri sab bhojpuri member logan ke hamar sadar pranam!!!!!

Sabse pahle pyar hauye kaathi. Hamar bichar mein jekra pichhe koi maksad na hokhe auri bina swarth ke kekro ke chahal jala auri aapan samjhal jala wokra ke pyar kahal jala. eeh duniya mein bahut kisim ke pyar hola. mai baapu se ke pyar, bhai bahan ke pyar, marda maugi ke pyar, larka larki ke pyar, sangatiya logon ke bich ke pyar...... eh sab ke bich mein mai baapu ke pyar sab se upar baate. Par ab Sabse barka sawal baate hamni ke samaj mein eh pyar naam ke cheej baate yaa sirf naam ke lagi rah gayel ba. Muh mein raam raam bagal mein chhura. hamar bichar se hamni ke sanskriti mein pyar dhire dhire worat jata auri swarthi bhawana aawat jata auri kono na kono rup se makasad rakhte huwe pyar ke naam dewal jata. chahe uh dosti hokhe chahe larka larki ke pyar hokhe chahe gharwala ke gharwali se hokhe.......Baki bad mein ham kuchh kaham. pahile apne logan ke bichar jaane ke chaham. Akhhir mein pyar hauye kathir auri ehh duniya mein baate yaa sirf naam ke estamaal kar ke ego swarthi bhawana auri maksad chhupal baate. Plzzzz raur apan valuable jawab kaaran ke saath jarur deham.

Best Regards
Shah, Parm

Tags: dosti, mohabat, pyar

Views: 7

Reply to This

Replies to This Discussion

परमेश्वर जी,
जइसन कि हमरा पहिलहुँ अंदाज रहे, धीरे- धीरे हमनी के फोरम पर गंभीर मुद्दा आये लागल बा, जवन कि एगो शुभ संकेत हवे. अभी वक्त तनी कम बा, लेकिन एह मुद्दा पे हम रात के आपन राय जरुर देब.

राउरे आपन,
सुधीर कुमार
-
परमेश्वर जी,

बहुत आसानी से एतना बड सवाल उठा देहनी रउआ...

हम रउआ से सहमत बानी कि आज के जमाना में प्यार ज्यादातर मतलब के चीज हो गइल बा. अगर माई- बाबुजी खिसिया के लइका के कुछ बोल दे तारे त ऊ घर छोड के निकल जाता... 1-2 महीना के अपना प्यार (?) के पावे खातिर 20-22 साल के साथ के एक झटका में ठुकरा देता... कम से कम एकरा के प्यार ना कहल जा सकेला.

प्यार त त्याग सिखावेला, समर्पण सिखावेला, एक संगे रहे के आ सबके संतुष्ट रखे के सिखावेला, आ ओह सब से बढ के खाली देवे के सिखावेला, ओकरा बदले कुछ लेवे के भा पाये के उम्मीद रखे के ना... लेकिन एह कलयुग में आज प्यार भी भौतिकतावादी हो गइल बा, जवन कि हर कदम उठवला से पहिले ओकरा से का फायदा होई, इ देखेला.

अगर सांच कहल जाव त ज्यादातर लइका- लइकिन के प्यार आजकल सुन्दरता (शारीरिक आकर्षण) से शुरु होला... आ एह में ऊ समर्पण ही ना आ पावेला, कि ऊ अपना अंजाम तक पहुँचो... प्यार कबो शारीरिक सुख के, चाहे शादी के बंधन के मोहताज ना होला... इ त बस दोसरा के खुश देख के खुश रहे के सिखावेला, पर रउये बताईं, आज काल्ह केतना लोग अइसन प्यार करेला?

जहाँ तक भाई-भाई चाहे अपना परिवार में प्यार के बात बा, त इ रउआ से छुपल नइखे कि कइसे लोग अपना स्वार्थ खातिर परिवार के टूकडा- टूकडा क रहल बा, आ कई जगह त भाई- भाई दुश्मन हो जाता लोग, आ माई- बाबुजी के बुझात नइखे कि अपना जमीन- जायदाद के बँटवारा त क दिहल लोग, पर अपना निःस्वार्थ प्रेम के बँटवारा कइसे करो लोग?

एगो फिलिम आइल रहे "बागवान", जवन कुछ भी ओहमें देखावल गइल रहे, उहे शायद परिवार के ताना-बाना हो गइल बा भारत में. आदमी एतना स्वार्थी हो गइल बा कि खाली स्वार्थ खातिर कई महीना तक रात-रात भर जागे वाला माई-बाप के दर्द भी नइखे समझ पावत. रउआ अलग रहीं, एहमें कवनो दिक्कत नइखे, लेकिन कम से कम ओह माई- बाबुजी के बोझ त मत समझीं, जे रउआ के पाल-पोस के एतना बड बनवलस...

परमेश्वर जी, हम त इहे कहब कि कम से कम एह तरह के स्वार्थी रिश्ता के प्यार के नांव मत दीं, ओकरा अलावा कुछ भी कह सकेनी... (वइसे हर जगह कुछ ना कुछ exception होला, पर हम ज्यादातर लोगन के बारे में बात क रहल बानी, ओह कुछ लोगन के बारे में ना).

राउर विचार के इंतजार में...

राउरे आपन,
सुधीर कुमार
-
Sudhir jee sabse pahle hamar pranam!!!
Hamara bahut khushi bhail apne ke jawab sunke.Hum pahilau kahale rahani ha ki mai bapu ke pyar sabse ucha ba aa rahi. Auri sab pyar mein ketna khokla pan ba eh hamni sab se chhupal naikhe. saath mein raur jawab bhi batawa ta. Par tani ab hamra lagata mai bapu ke pyar mein bhi khokhala hokelagal ba!! Jaise ki apne kahni ha 1- 2 mahina ke pyar la larka larki mai bapu ke chhor deta log. eh ta hogayel larka larki log ke dosh. Par ka hamni ke uhlog ke galti par amal na kar sakatani san. Jaise ki bahute bada bada pariwar ke log bhi apan larka ke biwah bada ghar mein aur moti rakam ke saath bihah kare ke chahe la log. Ek ra ke hamni ke aapan jigar ke tukda ke sauda karal na samjhem san. Auri je aapan jigar ke tukda ke sauda karela uh kaise aapan larka se pyar kar sakela. Auri saath mein dahej leke aayewala larki pein ketna julm hola eho humni se naikhe chhupal. gharke patoh logan ke aapan larki samajh ke pyar kahe na karela log? tab rauye batai Mai bapu ke pyar mein bhi kuchh ansh tak swarthi bhawana aawelagal ba ki na!!!
wohi se hum sab se meber logon se gujaris karatani pyar haue kathi auri abhi eh duniya mein bate yaa sirf naam ke rah gail ba
raur bichar ke aasha rakha tani. baki baad mein. jai ram jee ki!!
Best regards
Shah, parm
परमेश्वर जी,
ठीक कह तानी रउआ, आजकल हर तरह के प्यार में खोखलापन आ गइल बा, चाहे ऊ लइका- लइकी के होखे, चाहे माई-बाबु के, सब स्वार्थ पर टिकल बाडे सन...
परनाम,
सुधीर कुमार
-
Ganesh jee hamar sadar pranam!!!
hamra bahut achha laagal je aapne eh sawal ke jawab mein kuchh lekkhani ha! Apne ke jawab dil ke chhu dela kha. hum eh biswas karatani kam se kam mai babu log swarth bhawana ke tyag ke sacha pyar ke bhawana rakhi log ta hamni samaj ke bahut taraki hoit! hamni ke satyug mein dekhal jai tabe hamni ke pyar mil sakata!!lakhsman jee ke bhai ram aur bhabhi sita prati ke pyar, sarwan kumar ke mai babu ke prati pyar aa biswas. Chali hum ni sab mil ke bachan kail jao ki kalyug ke ant karke phir se satjug ke aawe ke rasta dekhawal jao!!!
Parmeshwar Jee,

Pyar our Swarth do Alag Alag Chij Hola, Jouna ke Kouno Paribhasha na hola.

Sudhir Kumar said:
परमेश्वर जी,
बहुत आसानी से एतना बड सवाल उठा देहनी रउआ...
हम रउआ से सहमत बानी कि आज के जमाना में प्यार ज्यादातर मतलब के चीज हो गइल बा. अगर माई- बाबुजी खिसिया के लइका के कुछ बोल दे तारे त ऊ घर छोड के निकल जाता... 1-2 महीना के अपना प्यार (?) के पावे खातिर 20-22 साल के साथ के एक झटका में ठुकरा देता... कम से कम एकरा के प्यार ना कहल जा सकेला.

प्यार त त्याग सिखावेला, समर्पण सिखावेला, एक संगे रहे के आ सबके संतुष्ट रखे के सिखावेला, आ ओह सब से बढ के खाली देवे के सिखावेला, ओकरा बदले कुछ लेवे के भा पाये के उम्मीद रखे के ना... लेकिन एह कलयुग में आज प्यार भी भौतिकतावादी हो गइल बा, जवन कि हर कदम उठवला से पहिले ओकरा से का फायदा होई, इ देखेला.

अगर सांच कहल जाव त ज्यादातर लइका- लइकिन के प्यार आजकल सुन्दरता (शारीरिक आकर्षण) से शुरु होला... आ एह में ऊ समर्पण ही ना आ पावेला, कि ऊ अपना अंजाम तक पहुँचो... प्यार कबो शारीरिक सुख के, चाहे शादी के बंधन के मोहताज ना होला... इ त बस दोसरा के खुश देख के खुश रहे के सिखावेला, पर रउये बताईं, आज काल्ह केतना लोग अइसन प्यार करेला?

जहाँ तक भाई-भाई चाहे अपना परिवार में प्यार के बात बा, त इ रउआ से छुपल नइखे कि कइसे लोग अपना स्वार्थ खातिर परिवार के टूकडा- टूकडा क रहल बा, आ कई जगह त भाई- भाई दुश्मन हो जाता लोग, आ माई- बाबुजी के बुझात नइखे कि अपना जमीन- जायदाद के बँटवारा त क दिहल लोग, पर अपना निःस्वार्थ प्रेम के बँटवारा कइसे करो लोग?

एगो फिलिम आइल रहे "बागवान", जवन कुछ भी ओहमें देखावल गइल रहे, उहे शायद परिवार के ताना-बाना हो गइल बा भारत में. आदमी एतना स्वार्थी हो गइल बा कि खाली स्वार्थ खातिर कई महीना तक रात-रात भर जागे वाला माई-बाप के दर्द भी नइखे समझ पावत. रउआ अलग रहीं, एहमें कवनो दिक्कत नइखे, लेकिन कम से कम ओह माई- बाबुजी के बोझ त मत समझीं, जे रउआ के पाल-पोस के एतना बड बनवलस...

परमेश्वर जी, हम त इहे कहब कि कम से कम एह तरह के स्वार्थी रिश्ता के प्यार के नांव मत दीं, ओकरा अलावा कुछ भी कह सकेनी... (वइसे हर जगह कुछ ना कुछ exception होला, पर हम ज्यादातर लोगन के बारे में बात क रहल बानी, ओह कुछ लोगन के बारे में ना).

राउर विचार के इंतजार में...

राउरे आपन,
सुधीर कुमार
-

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service