JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

जय भोजपुरी परिवार के सदस्यन के बारे में ताजा समाचार

जी आज के समय में जैसे की रउआ सब जानत बानी कि ई जय भोजपुरी साईट खाली एगो इन्टरनेट के पोर्टल नईखे रह गईल बल्कि एगो परिवार बन गईल बाटे। एजुगा कई लोगन के भाई मिलल बाड़े ता कई लोगन के बहिन, कई लोग त अपना परिवार के साथ भी एह साईट पे अपना के पंजीकृत कईले बाटे। आ जब लोग आपस में बात करत बाटे ता ऊ देख के लागत बाटे की ई सब भोजपुरियन के पहचान आज के नईखे बल्कि जन्म जन्मांतर के बाटे। त ई सब चीजन के बहुत करीब से देखला के बाद ई लागत बा कि जय भोजपुरी आज के समय में एगो साईट, एगो पोर्टल ना बल्कि एगो परिवार हो गईल बाटे, आ एह परिवार में हमनी के खुल के एक दुसरा से बात कई रहल बानी जा, आपन सुख दुख आपन नीमन बाउर आपन बढ़िया खराब एक दुसरा से बाँट रहल बानी जा। त ई सब देखला के बाद अइसन लागत बाटे कि हमनी के हर चीज हर सोच हर बात एगो परिवार लेखा बाटे। बस वोही के ध्यान में राख के इ सोचल गईल ह कि काहे ना एगो अइसन विषय बनावल जाऊ जहवाँ हर सदस्य लोगन के नीमन- बाउर समाचार से सब लोगन के अवगत करावल जाव, जवना से सब लोग आपन खुशी आपन दुख वोह सदस्य से बाँट लेसु आ और भी लोगन के वोह बारे में जानकारी हो जाव।

जानकारी जइसे केहू के शादी भईला के, केहू के नौकरी लगला के, केहू के कवनो इम्तिहान पास भईला के, केहू के लइका- लइकी भईला के, केहू के कवनो दुखद समाचार (जवना में कम से कम हमनी के एगो वैचारिक सहयोग दे सकेनी जा) सब लोगन के साथ बाँटल जा सको।

ता बस इहे सब सोच के ई विषय के शुरू कईल जात बाटे आ उम्मीद बाटे के सब लोग अपना एह जय भोजपुरी परिवार के कवनो भी अइसन समाचार से अवगत करावत रही, अपना परिवार में सुचना देत रही। वइसे हमनी का निहोरा करब जा अपना सभ सदस्यन से कि अगर कवनो सदस्य के बारे में जानकारी मिलो, त एहिजा जरुर पोस्ट करीं।

जय भोजपुरी ।

Views: 3479

Reply to This

Replies to This Discussion

रजनीश भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी ,

राउर लोग के नेह छोह आइसाही बनल रहो ..बहुत बहुत आभार बा ..जय भोजपुरी

शशि भाई के जन्मदिन के बहुत-बहुत बधाई आ शुभकामना ........!!!

सप्रेम भेंट!

जय  भोजपुरी आ प्रनाम मनोज भईया,

राउर  भेट  अनमोल बा ,राउर लोग के स्नेह-दुलार से हमर  मन हरमेशा    हरीयर रहेला.

आपन नेह छोह आइसाही बबबले रहेंम,बहुत-बहुत आभार बा ....


जय भोजपुरी

शशि भाई जन्मदिन के बहुत-बहुत बधाई आ शुभकामना...।

जय भोजपुरी

संजीव भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी ,

राउर लोग के नेह छोह आइसाही बनल रहो ..बहुत बहुत आभार बा ..जय भोजपुरी

शशि भाई जन्मदिन के बहुत-बहुत बधाई आ शुभकामना...।

जय भोजपुरी

आशुतोष  भाईया  प्रणाम आ जय भोजपुरी ,

राउर लोग के नेह छोह आइसाही बनल रहो ..बहुत बहुत आभार बा ..जय भोजपुरी

सब केहु के प्रनाम आ जय भोजपुरी

 

आजु हमनी के एगो युवा  सदस्य , संघतिया आ लाजबाब लेखक , संजीव भाई   के शादी के वर्षगांठ हवे । तनि अबेर मालुम परल ह बाकी आजु फोन प बतकही भईल ह त ई बात मालुम परल ह !

 

हमरा ओरि से हमरा परिवार के ओरि से जय भोजपुरी परिवार के ओर से आ संवसे भोजपुरिया समाज के ओरि से दुनो बेकति के एह खुशी के मोका प अनगिनत बधाई आ शुभकामना बडुवे ।

 

हमनी के प्रार्थना मे हमेसा संजीव भाई के पुरा परिवार के नीमन के कामना रही ।

 

जय भोजपुरी

biyaah ke 1 saal bitalaa ke sanjeev bhaayi ke badhaayi...eh ummed ke saath ki jaldiye kauno niman naayaa saamaachaar sune ke mili

दुनो बेकति के अनघा बधाई अउलाह शुभकामना बडुवे । 

शशि भाई बहुत बहुत धन्यवाद मन परावे खाति ।

खुब खुशी मिलो खुब खुस रहो दुनो बेकति ! खांच भरि भरि के बधाई आ संगे संगे जय भोजपुरी

sanjeev bhai ke parivar sahit eh diwas ke hardik badhai ba ............shashi bhai raur hardik dhanyawaad !

sanjeev bhai ke shadi ke bahut bahut badhai

aa shubhkamna baduye |bhaiya ke jinagi me

haram hariyar raho aa lahlahat raho |

jai bhojpuri 

sanjay pandey 

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service