Come, let's do something for Bhojpuri...
जी आज के समय में जैसे की रउआ सब जानत बानी कि ई जय भोजपुरी साईट खाली एगो इन्टरनेट के पोर्टल नईखे रह गईल बल्कि एगो परिवार बन गईल बाटे। एजुगा कई लोगन के भाई मिलल बाड़े ता कई लोगन के बहिन, कई लोग त अपना परिवार के साथ भी एह साईट पे अपना के पंजीकृत कईले बाटे। आ जब लोग आपस में बात करत बाटे ता ऊ देख के लागत बाटे की ई सब भोजपुरियन के पहचान आज के नईखे बल्कि जन्म जन्मांतर के बाटे। त ई सब चीजन के बहुत करीब से देखला के बाद ई लागत बा कि जय भोजपुरी आज के समय में एगो साईट, एगो पोर्टल ना बल्कि एगो परिवार हो गईल बाटे, आ एह परिवार में हमनी के खुल के एक दुसरा से बात कई रहल बानी जा, आपन सुख दुख आपन नीमन बाउर आपन बढ़िया खराब एक दुसरा से बाँट रहल बानी जा। त ई सब देखला के बाद अइसन लागत बाटे कि हमनी के हर चीज हर सोच हर बात एगो परिवार लेखा बाटे। बस वोही के ध्यान में राख के इ सोचल गईल ह कि काहे ना एगो अइसन विषय बनावल जाऊ जहवाँ हर सदस्य लोगन के नीमन- बाउर समाचार से सब लोगन के अवगत करावल जाव, जवना से सब लोग आपन खुशी आपन दुख वोह सदस्य से बाँट लेसु आ और भी लोगन के वोह बारे में जानकारी हो जाव।
जानकारी जइसे केहू के शादी भईला के, केहू के नौकरी लगला के, केहू के कवनो इम्तिहान पास भईला के, केहू के लइका- लइकी भईला के, केहू के कवनो दुखद समाचार (जवना में कम से कम हमनी के एगो वैचारिक सहयोग दे सकेनी जा) सब लोगन के साथ बाँटल जा सको।
ता बस इहे सब सोच के ई विषय के शुरू कईल जात बाटे आ उम्मीद बाटे के सब लोग अपना एह जय भोजपुरी परिवार के कवनो भी अइसन समाचार से अवगत करावत रही, अपना परिवार में सुचना देत रही। वइसे हमनी का निहोरा करब जा अपना सभ सदस्यन से कि अगर कवनो सदस्य के बारे में जानकारी मिलो, त एहिजा जरुर पोस्ट करीं।
जय भोजपुरी ।
Tags:
brij bhaiya ke hamara taraf se bahut bahut badhai ashubhkamana baduye |
badaka bhaiya apana jivan me hardam bachha hi rahas aur asahi dhamal karat
rahas aa hamani ke sange batat rahas |
ek bar fir khachola bhar ke badhai ba |
parnam aa jai bhojpuri |
sanjay pandey
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on March 28, 2012 at 1:31pm jai bhojpuri aa pranaam sanjay jee
jee bahut bahut dhanywaad ............
Permalink Reply by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on March 28, 2012 at 2:34pm बृज भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
राउर साथ मिलल देहि धाजा के संगे संगे सोच भी बरिआर भईल , अईसन भाई अईसन संघतिया आ अईसन भोजपुरिया के संगे रहला प छाती हरमेसा दु चार इंच चाकर हो के रहेला ! राउर संघतिया बनला प हमरा गर्व बा आ रउरा जनमदिन प हमरा ओरि से हमरा परिवार के ओरि से हमरा गांव जवार आ भोजपुरिया समाज के ओरि से बहुत बहुत बधाई आ शुभकामना बा ! भगवान सपरिवार सब केहु के खुश राखसु बस अतने कामना बा आ संगे संगे परमोसनवा के भी बधाई आ शुभकामना बडुवे ।
चानी कुटी ...
जय भोजपुरी
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on March 29, 2012 at 1:53pm jai bhojpuri aa pranaam navin jee ..................
hamhu ,rauwaa log ke saath ,jai bhojpuri team ke sadsy log ke milal neh chhoh se gadgad aa abhibhoot baani .........baithale baithale jawan samman ehija milal ...oh ke ham varnan nayikhi kar sakat ...........
raur dehi dhaja ,aa chhati ke chakar kare me, aage bhi kauno kashar naa hokhe dem .......
e hamaar badhkaa bhayiya ke wada ba .........
aa paarmosanwa se.... pahile, chani ...KATE dee................
feru KOOTAL jayi ...
jai ho.........
aa, jai ho hindi font ke .........
sabere le saath nayikhan det ...
Permalink Reply by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on March 28, 2012 at 9:09pm ब्रिज भाई जय भोजपुरी,
जन्म दिन के बहुत बहुत बधाई ।
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on March 29, 2012 at 7:11am jai bhojpuri aa pranaamrinku bhayi
bahut bahut dhanywaad ............
aisahi neh chhoh banwle raakhi
Permalink Reply by भास्कर रंजन "सूर्य" on March 29, 2012 at 3:05pm बडका भइया के जनमदिन के ढेर सगरी बधाई आ शुभकामना बा ...
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on April 1, 2012 at 5:26pm बहुत धन्यवाद ...भास्कर भाई जी
Permalink Reply by संजीव सिंह on March 28, 2012 at 9:43pm बृज चाचा जी जन्मदिन के ढेर सारा बधाई अउर शुभकामना...
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on March 29, 2012 at 7:12am bahut dhanywaad sanjeev baabu ........
bhagwaan rauwo ke harmesha khush raakhas .....
बिलम्ब खातिर क्षमा चाहेंम ..
रवुआ हाथ में रहे हरदम ख़ुशी के डोर जी.
चर्चा रवुआ प्रसिधी के होखे चारुओर जी.
भगवान करस रवुआ जी हज़ार साल तक,
जनम दिन के बहूत-बहूत बधाई हमरा ओर ब्रिज किशोर जी.
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on April 1, 2012 at 5:27pm आहाहा .........
बहुत खूब ...........बहुत धन्यवाद नुरैन भाई जी ....
© 2013 Created by Admin.