Come, let's do something for Bhojpuri...
जी आज के समय में जैसे की रउआ सब जानत बानी कि ई जय भोजपुरी साईट खाली एगो इन्टरनेट के पोर्टल नईखे रह गईल बल्कि एगो परिवार बन गईल बाटे। एजुगा कई लोगन के भाई मिलल बाड़े ता कई लोगन के बहिन, कई लोग त अपना परिवार के साथ भी एह साईट पे अपना के पंजीकृत कईले बाटे। आ जब लोग आपस में बात करत बाटे ता ऊ देख के लागत बाटे की ई सब भोजपुरियन के पहचान आज के नईखे बल्कि जन्म जन्मांतर के बाटे। त ई सब चीजन के बहुत करीब से देखला के बाद ई लागत बा कि जय भोजपुरी आज के समय में एगो साईट, एगो पोर्टल ना बल्कि एगो परिवार हो गईल बाटे, आ एह परिवार में हमनी के खुल के एक दुसरा से बात कई रहल बानी जा, आपन सुख दुख आपन नीमन बाउर आपन बढ़िया खराब एक दुसरा से बाँट रहल बानी जा। त ई सब देखला के बाद अइसन लागत बाटे कि हमनी के हर चीज हर सोच हर बात एगो परिवार लेखा बाटे। बस वोही के ध्यान में राख के इ सोचल गईल ह कि काहे ना एगो अइसन विषय बनावल जाऊ जहवाँ हर सदस्य लोगन के नीमन- बाउर समाचार से सब लोगन के अवगत करावल जाव, जवना से सब लोग आपन खुशी आपन दुख वोह सदस्य से बाँट लेसु आ और भी लोगन के वोह बारे में जानकारी हो जाव।
जानकारी जइसे केहू के शादी भईला के, केहू के नौकरी लगला के, केहू के कवनो इम्तिहान पास भईला के, केहू के लइका- लइकी भईला के, केहू के कवनो दुखद समाचार (जवना में कम से कम हमनी के एगो वैचारिक सहयोग दे सकेनी जा) सब लोगन के साथ बाँटल जा सको।
ता बस इहे सब सोच के ई विषय के शुरू कईल जात बाटे आ उम्मीद बाटे के सब लोग अपना एह जय भोजपुरी परिवार के कवनो भी अइसन समाचार से अवगत करावत रही, अपना परिवार में सुचना देत रही। वइसे हमनी का निहोरा करब जा अपना सभ सदस्यन से कि अगर कवनो सदस्य के बारे में जानकारी मिलो, त एहिजा जरुर पोस्ट करीं।
जय भोजपुरी ।
Tags:
Permalink Reply by Avanish Tiwari on February 3, 2012 at 10:10am जन्मदिन के बहुते बहुते बधाई बा मनोज भाई
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on February 4, 2012 at 1:45pm जय भोजपुरी मनोज जी
जन्मदिन के बहुत बहुत शुभकामना आ बधाई बा ...........
अफसोफ़ एह बाती के बा, कि हमके कौनो कार्टून बनावे ना आवे ,ना त हमहू बना के पोस्ट करिती ..
Permalink Reply by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on February 3, 2012 at 9:36am भाई जी , रउवा के जन्म दिवस के हार्दिक बधाई , ईश्वर से प्रार्थना बा राउर दामन हमेशा खुशियों से भरल रहो , कामयाबी राउर गोड़ चूमे इहे शुभकामना बा !
मनोज भाई के जन्मदिन के बहुत बहुत बधाई आ हार्दिक शुभकामना...
Permalink Reply by Himanshu B. Pandey on February 3, 2012 at 10:49am मनोज भाई के जन्मदिन के बहुत बहुत बधाई आ हार्दिक शुभकामना...
Permalink Reply by Sanjeev Kumar on February 3, 2012 at 11:34am
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on February 3, 2012 at 9:56pm मनोज भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
जय भोजपुरी के ओजह से मिलल राउर साथ आ राउर भोजपुरी प्रेम के संगे संगे एगो जीवंत कला के थाती के रुप मे मिलल राउर साथ सांचो कई जनम ले मिले त फेरु जिनगी के माने बा !
राउर लमहर , नीमन , हरिअर आ चकचक जिनगी के कामना करत बानी , बजरंगबली से निहोरा आ प्रार्थना करत बानी की रउवा जिनगी मे हरमेसा नीमन होखे आ राउर कलम आ कुंची एक दम चांपि के चलत रहे !
बधाई आ शुभकामना बा
जय भोजपुरी
Permalink Reply by Manoj Kumar on February 3, 2012 at 11:35pm प्रणाम आ जय भोजपुरी!
शशि भाई, अवनिश भाई, राजीव भईया, आशुतोष जी, हिमांशु जी, संजीव भाई....आ प्रेरणा के सागर नवीन भाई सहित पुरा जय भोजपुरी परिवार के प्रति हार्दिक आभार!
बहुत-बहुत धन्यवाद.
जय भोजपुरी.
Permalink Reply by Manoj Kumar on February 4, 2012 at 5:10pm ब्रीज भईया प्रणाम आ जय भोजपुरी, राउर प्रेम, स्नेह, आशीर्वाद बनल रहो, एह से बढ के अउरी का चाहीं!
बहुत-बहुत आभार आ धन्यवाद सहित...
जय भोजपुरी.
Permalink Reply by FAIYAZ AHMAD [RINKU] on February 4, 2012 at 7:41pm मनोज भाई जय भोजपुरी,
जन्म दिन के बहुत बहुत बधाई |
Permalink Reply by Manoj Kumar on February 4, 2012 at 10:20pm रिंकु भाई ,
बहुत-बहुत धन्यवाद.
जय भोजपुरी
Permalink Reply by sanjay kumar singh on February 5, 2012 at 8:58am मनोज भाई के जन्मदिन के हार्दिक बधाई आ बहुत बहुत शुभकामना . राउर कूंची हमेशा सलामत रहो .
© 2012 Created by Admin.