JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

Admin

जय भोजपुरी परिवार के सदस्यन के बारे में ताजा समाचार

जी आज के समय में जैसे की रउआ सब जानत बानी कि ई जय भोजपुरी साईट खाली एगो इन्टरनेट के पोर्टल नईखे रह गईल बल्कि एगो परिवार बन गईल बाटे। एजुगा कई लोगन के भाई मिलल बाड़े ता कई लोगन के बहिन, कई लोग त अपना परिवार के साथ भी एह साईट पे अपना के पंजीकृत कईले बाटे। आ जब लोग आपस में बात करत बाटे ता ऊ देख के लागत बाटे की ई सब भोजपुरियन के पहचान आज के नईखे बल्कि जन्म जन्मांतर के बाटे। त ई सब चीजन के बहुत करीब से देखला के बाद ई लागत बा कि जय भोजपुरी आज के समय में एगो साईट, एगो पोर्टल ना बल्कि एगो परिवार हो गईल बाटे, आ एह परिवार में हमनी के खुल के एक दुसरा से बात कई रहल बानी जा, आपन सुख दुख आपन नीमन बाउर आपन बढ़िया खराब एक दुसरा से बाँट रहल बानी जा। त ई सब देखला के बाद अइसन लागत बाटे कि हमनी के हर चीज हर सोच हर बात एगो परिवार लेखा बाटे। बस वोही के ध्यान में राख के इ सोचल गईल ह कि काहे ना एगो अइसन विषय बनावल जाऊ जहवाँ हर सदस्य लोगन के नीमन- बाउर समाचार से सब लोगन के अवगत करावल जाव, जवना से सब लोग आपन खुशी आपन दुख वोह सदस्य से बाँट लेसु आ और भी लोगन के वोह बारे में जानकारी हो जाव।

जानकारी जइसे केहू के शादी भईला के, केहू के नौकरी लगला के, केहू के कवनो इम्तिहान पास भईला के, केहू के लइका- लइकी भईला के, केहू के कवनो दुखद समाचार (जवना में कम से कम हमनी के एगो वैचारिक सहयोग दे सकेनी जा) सब लोगन के साथ बाँटल जा सको।

ता बस इहे सब सोच के ई विषय के शुरू कईल जात बाटे आ उम्मीद बाटे के सब लोग अपना एह जय भोजपुरी परिवार के कवनो भी अइसन समाचार से अवगत करावत रही, अपना परिवार में सुचना देत रही। वइसे हमनी का निहोरा करब जा अपना सभ सदस्यन से कि अगर कवनो सदस्य के बारे में जानकारी मिलो, त एहिजा जरुर पोस्ट करीं।

जय भोजपुरी ।

Views: 2119

Reply to This

Replies to This Discussion

ना चाहते हुए भी एह फोरम के डिस्कसन के शुरुआत एगो दुखद खबर से कर तानी। हमनी के एगो सदस्य सुशील तिवारी जी के बाबुजी के निधन आज सबेरे हो गइल। भगवान उनुका आत्मा के शांति देस, आ उनुका परिवार के एह दुख सहे के शक्ति देस।
ham bhagwan se Sushil Tiwari ji ke Babu ji ke aatma ke santi khatir prathna kart bani. Aur Sushil Ji se kaht bani ki hamni sabh bhojpuria pariwar raua sathe bani ja.
भगवान दिवंगत आत्मा के शांति देहस ।
बहुत बहुत धन्यवाद दिहल चाहत बानी एह साईट के जे भी करता धरता बाटे काहे की हमनी के इक सूत्र में बाधे के कार्य करत बाड़े ऊ बहुत ही सराहनीय बाटे |

आज हम बहुत दुखी बानी काहे की सुधीर जी जवन समाचार सुनवाले बानी आ जेकरा बारे में सुनावले बानी ऊ हमार लंगोटिया मित्र हवन | हम आ सुशील एक संगे कक्षा ८ तक गाँव पे पढाई कईले बानी जा आ ओकरा बाद हमनी के कई हाली गाँव पे ही मुलाक़ात भईल | हम उनका बाबूजी के बहुत अच्छा तरिका से जानत बानी आ कही सकेनी की हमनी के घरेलाऊ सम्बन्ध रहल हाटे आ अबहु बाटे | लेकिन समय के खेल देखी की इतना के बावजूद सुशील से हमार बातचीत करीब १३ साल के बाद ई जय भोजपुरी साईट पे भईल हाटे |

खैर हमरा आज शाम के ई सुचना मिलल हां आ हमार बात सुशील जी से भईल हाटे जवना से ई मालूम पडल हाटे की उनका बाबूजी के किडनी के परेशानी रहल हाटे आ आज सुबह उनके हार्ट के परेशानी भईल हाटे जेकरा बाद ई घटना हो गईल हा |

ता हम भगवान् से इहे प्रार्थना करत बानी की हे भगवान् हमार भाई सुशील के इतना शक्ति दी की आज आ एह समय में अइसन सब चीजन से सकुशल निकल पावस आ अपना परिवार खातिर बहुत बढ़िया कई सकस | ई ता दुख के घडी बाटे लेकिन अब भगवान् के मर्जी के आगे केहू के ना चल सकेला , लेकिन हाँ हम सुशील के हिम्मत बढ़ावत बानी आ ई प्रार्थना करत बानी की हे भगवन उनका के शक्ति दी की ऊ ई दुख के अयिसन घडी में साहसी बनस आ अपना परिवार के बढ़िया से देख आ कई सकस |

हम उनका बाबूजी के आत्मा के शांति खातिर भगवान् से प्रार्थना करत बानी !!
ई बात के ता हमू समर्थन करब "कि ई जय भोजपुरी साईट खाली एगो इन्टरनेट के पोर्टल नईखे रह गईल बल्कि एगो परिवार बन गईल बाटे। आजे मीरा दीदी के पारंपरिक खाना खज़ाना में कमेन्ट पढ़ के बहुत अच्छा लागल.जैसे उ कहनी की हम जय भ्ज्पुरिया के एडिक्टेड हो गइल बानी एह प्यार और स्नहे मिलला के वजह से .......ई भावना यहाँ के सब मेम्बर महसूस कैले होइन्हे ,,,,,,
और ई फोरम देख के और ख़ुशी भेल की अब जों हम्निके एक परिवार की तरह हो गइल बानी जा ओके और घनिष्टता से जोड़े में अहम् भूमिका निभाई,,,,admin जी!! ई फोरम खोलला खातिर धन्यवाद्,
मगर सबसे पहिला खबर ही बहुत दुखदाई मिलल ,एकर बहुत अफ़सोस बा ,पर होनी के आगे केहू के बस नइखे ....
भगवान् उनका आत्मा के शांति और सुशिल जी के एह दुख सहे के हिम्मत देवे.....आमीन..!!..
जय bhojpuri
बिलकुल सही कहत बनी सरोज दीदी ई साईट अब खाली एगो पोर्टल नईखे रही गईल,ईहा जे जे बा सबकर एगो रिश्ता बन गईल बा पता बा जब हमरा के एह साईट के बारे में नविन भइया बतवनी ता जेके हम एह्ह जा आईनी और ईला के बाद इतना खुसी मिलल की हम बता न सकेनी,
और सब से दुखद समाचार काल्हु सुने की मिलल की आपना एगो भोजुप्रिया भाई के पिता जी के मृत्यु हो गईल सुन के बहुत दुःख भईल लेकिन होनी के केहू ना टाल सकेला जूनो होखे के होला ऊ होई जला, जस उप्जास,जीवन मरण सब बिधि के हाथ एकरा पर केहू के बस न चल सकेला त बस हम ईहे प्रार्थना कारन की भगवन उनका पिताजी के आत्मा के शांति देसु और सुशिल जी के सहे के क्षमता मिले...
uchch vichaar ba..
बहुत ही बढ़िया सुरुवात बा | हम नि के एहिजा इ गो परिवार के तरह से बनी जा और परिवार के सदस्यों के तरह ही आपन सुख - दुःख बाते के इ गो बढ़िया प्लात्फोर्म मिल गइल बा |
भगवान् उन्हा के आत्मा के शांति दीही और सुशिल जी के एह दुख सहे के हिम्मत
भगवान उनका आत्मा के शांति देस, आ उनके परिवार के एह दुख सहे के शक्ति देस/
बहुत सराहनीय कदम.....शुभकामना।।।
सुशील जी के बाबूजी के निधन के सामाचार सुन के मन शोक संतप्त हो गईल।।
लेकिन इहे विधि के विधान बा।। कुछ चीज पर हमनी के बस नईखे...
बस धीरज से मुकाबला करे के बा आफत-विपत से।।
भगवान दिवंगत आत्मा के शान्ति देसु...
आ परिवार के लोगन के शक्ति देसु एह दुख से लड़े के....
एगो समाचार बाटे

आज सरोज दीदी के शादी के सालगिरह हवे |

बहुत बहुत बधाई बाटे

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service