JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

प्रणाम आ जय भोजपुरी

एह विषय शुरु करे के बहुत दिन से अरमान रहल हा , चुकि एतना अश्लील गाना / गीत आ गईल बा जवना के जे भोजपुरिया नईखे उ इहे मान ले ले बा की भोजपुरी गीत माने अश्लील गीत संगीत , आ कुछ भोजपुरिया लोग भी इहे मान के चलत बा आ सांच पुछी त जय भोजपुरी पे आवे से पहिले हमहु इहे जानत रहनी हा एह से हमार अरमान रहल हा की नीमन गीतन के श्रृंखलाबद्ध कईल जाउ ।

आ आज बृज भाई के गीतन के श्रृंखला देख के मन ना मानल हा आ फेरु संजीव भाई कहनी हा की काल्हु का करे के बा आजे शुरु करी , एह से एह काम के शुरुवात करे जा रहल बानी ।

कुछ सवाल आ जवाब हम एजुगा लिख देत बानी जवन नियम लेखा काम करी

कईसन गीत लिखे के बा ?

`- गीत अईसन होखे जवना के हमनी के घरे सुन सकेनी जा , भाई बहिन के संगे सुन सकेनी जा , माई बाबुजी के संगे सुन सकेनी जा

बस इहे एगो नियम बा इहे एगो गीतन के लिखे से पहिले निहोरा बा की बस एह बात के ध्यान राखब ।

बाकी और का का लिखे के बा ?

गायक के नाव , एल्बम के नाव , बाकि अगर रउवा प्रोफाईल पे उ गीत होई त वोह के के लिख देबे के बा की कवन नम्बर के गाना हवे ।

कवनो दोसरा जगह के लिंक नईखे देबे के , ना कवनो विडियो के लिंक ( अगर विडियो सही होखे त यु ट्युब के लिंक पोस्ट कईल जा सकेला लेकिन ध्यान देबे के बा कि उ विडियो घर वाला लोगन के संगे देखे लायक होखे )

उमेद बा रउवा सब के सहयोग मिली ।


जय भोजपुरी

Tags: Hit, Songs, bhojpuri, गीत, भोजपुरी, मशहुर

Views: 2031

Reply to This

Replies to This Discussion

फगुआ प एगो गीत सुने के मिलल ह -

गायक के ह मालुम नईखे बाकी झाल ढोलक हरमुनिया प बहुत नीमन फगुआ गवाईल बा । गाना कतहु सुने के मिलल ह एह से एह के पोस्ट नईखी कई पावत केहु के लगे बिडियो लिंक भा एम पी 3 होई त पोस्ट जरुर करी । 


सा रा रा रा रा रा होरी ह
भोजपुरिया महान भोजपुरिया महान
भोजपुरिया महान भोजपुरिया महान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
भोजपुरिया महान भोजपुरिया महान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
सा रा रा रा रा रा होरी ह
कासी मे कबीर छपरा मे भिखारी
महेन्दर मिसिर के लागेला गीत प्यारी
रही गौरव के शान रही गौरव के शान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
भोजपुरिया महान भोजपुरिया महान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
सा रा रा रा रा रा होरी ह
बीर कुंवर सिंह जसु बलिदानी
चित्तु मंगल पांडे अमर सेनानी
बागी बलिया जवान बागी बलिया जवान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
भोजपुरिया महान भोजपुरिया महान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
सा रा रा रा रा रा होरी ह
देस के रतन धन बाबु रजिन्दर
जयप्रकास बी पी मरद चन्द्रसेखर
जाने दुनिया जहान जाने दुनिया जहान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
भोजपुरिया महान भोजपुरिया महान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
सा रा रा रा रा रा होरी ह
सत्य अहिंसा से काम नाही बनिहे
मोर भोजपुरिया घबराई सब जईहे
अब भागी पाकिस्तान अब भागी पाकिस्तान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
भोजपुरिया महान भोजपुरिया महान
चँदा सुरुज नियर चमके ला
सा रा रा रा रा रा होरी ह

जय भोजपुरी 

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service