JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

प्रणाम आ जय भोजपुरी

एह विषय शुरु करे के बहुत दिन से अरमान रहल हा , चुकि एतना अश्लील गाना / गीत आ गईल बा जवना के जे भोजपुरिया नईखे उ इहे मान ले ले बा की भोजपुरी गीत माने अश्लील गीत संगीत , आ कुछ भोजपुरिया लोग भी इहे मान के चलत बा आ सांच पुछी त जय भोजपुरी पे आवे से पहिले हमहु इहे जानत रहनी हा एह से हमार अरमान रहल हा की नीमन गीतन के श्रृंखलाबद्ध कईल जाउ ।

आ आज बृज भाई के गीतन के श्रृंखला देख के मन ना मानल हा आ फेरु संजीव भाई कहनी हा की काल्हु का करे के बा आजे शुरु करी , एह से एह काम के शुरुवात करे जा रहल बानी ।

कुछ सवाल आ जवाब हम एजुगा लिख देत बानी जवन नियम लेखा काम करी

कईसन गीत लिखे के बा ?

`- गीत अईसन होखे जवना के हमनी के घरे सुन सकेनी जा , भाई बहिन के संगे सुन सकेनी जा , माई बाबुजी के संगे सुन सकेनी जा

बस इहे एगो नियम बा इहे एगो गीतन के लिखे से पहिले निहोरा बा की बस एह बात के ध्यान राखब ।

बाकी और का का लिखे के बा ?

गायक के नाव , एल्बम के नाव , बाकि अगर रउवा प्रोफाईल पे उ गीत होई त वोह के के लिख देबे के बा की कवन नम्बर के गाना हवे ।

कवनो दोसरा जगह के लिंक नईखे देबे के , ना कवनो विडियो के लिंक ( अगर विडियो सही होखे त यु ट्युब के लिंक पोस्ट कईल जा सकेला लेकिन ध्यान देबे के बा कि उ विडियो घर वाला लोगन के संगे देखे लायक होखे )

उमेद बा रउवा सब के सहयोग मिली ।


जय भोजपुरी

Tags: Hit, Songs, bhojpuri, गीत, भोजपुरी, मशहुर

Views: 2031

Reply to This

Replies to This Discussion

मरद भोजपुरिया

गायक - मनोज तिवारी
=

अरे झुठ ना बखाने जाने ,
ना छुत छात माने जाने ,
अरे माने जाने सबके , ना जाने जी हुजुरिया
धुरिया चढावे जाने ,
पीठ ना देखावे जाने ,
डीठ ना लगावे जाने आन के बहुरिया
आन पर लडावे जाने
जान के ना जान जाने ,
चले के उतान जाने तान के लउरिया
बानि मरदानी जाने ,
चाल मस्तानी जाने ,
होला एक पानी के मरद भोजपुरिया
काट ना कटावे जाने ,
छांट ना छँटावे जाने ,
हाथ ना हिलावे चमकावे ना अंगुरिया
बात ना बनावे बात
साफ साफ बात जाने
पट से निराण ना त भर बाँह चुडिया
हठ मे हमीर वीर
वीर जाने लठ मे जे
बान्ही लट पटकन पटी ले पगरिया
डाँटि के बनल बाटे
माटी के कसल देहि
खाँटी ह जवान हुमचल भोजपुरिया
खाँटी ह जवान हुमचल भोजपुरिया
=


जय भोजपुरी

badhiya ba

मोर खेतवा बघरिया हो
गायक - पवन सिंह

जब बहे ला पवन पुरवाई
लेबे अमवा के पेड़ अंगडाई.......२
झूमे धईके अंखवरिया हो
मोर खेतवा बघरिया हो .......२

गउआ के लोग बाड़ा लागे पयार पयार
होखेला बात ईहवा सब खारा-खारा
आपस में प्यार सभ बांटे
गजबे बहार ईहा बाटे हो हो हो
शहर में कहा अईसन मिलिहे नजारा,.........२

हम भूले नाही पाई लडिकाई
कबो गाई कबो बकरी चराई.........२
रहे बचपन के उमरिया हो
मोर खेतवा बघरिया हो......२

गउये में कही हमार दिल बा भुलाईल
ऊंखिया रहरिया में मन अझुराईल
सोहे मकई के खेतवा मचानी
बाटे छावल दुअरा के छानी हो हो हो
माटि वाला घर देखि मन अगराईल........२

लोग रहे ईहा लाई के मडईया
बड़ा निक लागे तलवा तलिया........२
मलहवा मारे मछरिया हो
मोर खेतवा बघरिया हो .........2
sji bhojpuri sanjeev bhai

Pawan sing ke sabase neeman geet baa e

bahut bahut dhnywad yeh ke iha post kare khatir

jai bhojpuri
ए गाना के अटैचमेट हम देत बानी, ए पर क्लिक कई के ई गाना सुनल जा सकेला।
Attachments:
dhanyawaad anil bhai jee !
भाई के बटवारा

गायक - रविन्दर मिश्र " राजु "

तीन भाई बा लोग , बडका भाई खेत मे काम करत बाडन , मझिला भाई नोकरी करत बाडन आ छोटका भाई पढत बाडन । मझिला भाई नोकरी कई के छुट्टी मे गाँवे आईल बाडन , आ उनुकर परिवार तरह तरह के बात से कान भर देले बाडी , कि रउवा कमात बानी आ सब लोग खात बा । मझिला भाई खेत मे जा के बड भाई से कहत बाडन कि एह भईया बडा ढेर दिन तक चलल अब एह के बाट द । ई सुन के बड भाई कहत बाडन , समझावत बाडन कि खेत बाडी , गहना गुरिया , रुपिया पईसा ई कुल बाटे के चीज हवे लेकिन दु गो भाई के बीच मे जवन सम्बन्ध बा वोह के कईसे बाटल जाई ।

आदमी के सतावला से का फायेदा
दिल प पत्थर चलवला से का फायेदा
नेह अंगना गेडाईल बटाईल हिया
त भीती अईसन उठवला से का फायेदा

-

खेत बारी बट जाई
अरे अंगना दुवारवा , पाई पाई विरना
हो कईसे भाई के सनेहिया बाटल जाई विरना
कईसे भाई के सनेहिया बाटल जाई विरना
एके रहल बाप एके रहली महतारी
तीन गो फुलईले फुल एके फुलवारी
अबही गवाह बाटे पढे वाला झोरा
चन्दा मामा औरी दुध भात के कटोरा
गंवुवा के लोग आ के बखरा लगाई , फरिआई विरना
हो बोला बांटी के हमार परछाई विरना
हो बोला बांटी के हमार परछाई विरना
हमरा के चाही ना कमाई के रुपईया
बाबु कहब केकरा कहबs तु भईया
राम आ भरत के मिलाप जब होई
कसकी करेजा मन मने मन रोई
पीछे पीछे लोग सब इहे बतियाई , गरियाई विरना
हो गईले बाबु के बेटउवा अलगाई विरना
हो गईले बाबु के बेटउवा अलगाई विरना
तोहरा घरे पुडी पकवान जईहा पाकी
कोना जाके बचवा हमार कवनो झांकी
आके अपना दुख के कहानी जब बांची
हमरा के कुछु नाही दिहली हो चाची
ओने पकवान एने लईकन के रोवाई , ना सहाई विरना
हो तोहरा पुआ पकवान ना घोटाई विरना
हो तोहरा पुआ पकवान ना घोटाई विरना
हमरा तोहरा बेटी के बरात जईहा आई
तु देबs स्कुटर हमरा कुछु ना दियाई
बेटी तोहार जईहे जीप चाहे कार से
बेटी हमार पैदल चाहे डोलिया कहार से
एगो आंख हसी एगो आंसु बरसाई , ना सहाई विरना
हो तहिया कईसन लागी बेटी के विदाई विरना
हो तहिया कईसन लागी बेटी के विदाई विरना
सोच तनी हमरा के का कही जमाना
हसी हसी चुन्नु पाण्डेय मारे लगिहे ताना
चार दिन के संग बा मचावs जनि तबाही
दुनिया हो राग रविन्दर लोग हवन राही
फेरु नाही आई केहु देखे ई कमाई , हउवे काई विरना
हो कईसे माई के अंचरवा बाटल जाई विरना
हो कईसे माई के अंचरवा बाटल जाई विरना
खेत बारी बट जाई
अरे अंगना दुवारवा , पाई पाई विरना
हो कईसे भाई के सनेहिया बाटल जाई विरना

जय भोजपुरी

ई गीत हम जब सुनेनी तब आंख मे आंसु आ जाला , ई गीत हमरा प्रोफाईल मे बावे अगर सुने के मन करी त सुन लेब सभे ।
ई गाना ही हम अटैच कर देत बानी, सुनी सबे लोग
Attachments:
eh geet ke rura profile main bahut baree sunle baani aankh loriya jala bhai jee !

e gana jab jab suneni tab tab kareja mein ........

jay bhojpuri navin bhaia

Bahut neeman forum suru kale bani,
yeh se bhojpuri ke behtarin geetan ke samane labe ke badhava mile

Hamhu korshish me bani yego geet post kare me jaldiy karab

jai bhojpuri
गायक = बुझी, इ के गा सकेला


का हो गौनहरो पयान होई कहिया
कोहबर में तोहरो बिहान होई कहिया

ढेर दिन से कहेलु की जवान भईल बाडू
चढ़ती जवानिया तूफान भईल बाडू
चाहेलु तवन, मनमान होई कहिया
का हो ................
देखतानी कहिये से देह बाडू तुरत
अचरा के कोना अंगुरिया से पुरत
जुग जुग पूरा अरमान होई कहिया
का हो ........
बाजा बाजी कब उठी डोला
कईके बिदाई सूचित होई टोला
प्यार के असल इन्तिहान होई कहिया
का हो ..
जयिबू त पता नहीं अईबू न अईबू
साचो ये गोरी तू सयान हो जयिबू
केशरी बलम के धियान होई कहिया

का हो गौनहरो पयान होई कहिया
कोहबर में तोहरो बिहान होई कहिया

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service