Come, let's do something for Bhojpuri...
Tags: translation, जय, भोजपुरी, सीखल
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on February 2, 2011 at 11:58pm बटम,बटाम ,.........सही बा, इ दुनो बटन के ही कहल जाला !
बुशट,.........शर्ट (कमीज ) के कहल जाला !
माड़ी ,.....सूती भा खादी के कपडा के टाईट राखे खातिर धोईला के बाद माड़ में डाल के निकालल ,माड़ी देल कहला आजकल त revive आ गईल बा भा आरारोट भी दियाला !
झक झक ,........झक झक, खाली सफ़ेद कपडा खातिर प्रयोग कईल जाला !
टहकार,........इ कौनो चटकार रंग (लाल ,हरियर ......) खातिर प्रयोग कईल जाला !
झोलंग,.......(ढिल - ढाल ) .....जवन कपडा ढिल होला ,आ साईज से बड़ होला ,पहिनला पर ,हेने होने लटकल रहेला ,ओह के झोलंग कहल जाला !
सकस.......चुस्त ,टाईट .......सकेत .......... जवन कपडा छोट हो जाला ,पहिनला पर चुस्त भा टाईट होखे ,ओह के सकस कहल जाला !
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on February 7, 2011 at 12:00pm फुटानी
बहुत ठेठ आ खांटी भोजपुरिया शब्द हवे ।
आजु के समय मे टाईम पास कईल भा समय बितावल भी कहाला लेकिन जवन भाव फुटानी झारत बाड से आवेला उ औरि कुल्हि मे ना आवेला ।
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on February 11, 2011 at 1:10am नाक भौँ फुलाना ( हिन्दी ) -- भिनुकल ( भोजपुरी )
काहे खानवा देख के भिनुकत बाडs ?
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on February 13, 2011 at 5:23pm तनी एह के देखि .........
कौन सही बा .......
नाक-मुह फुलावल...नाक-मुह सिकोड़ल कि ........................ नाक-भौ फुलावल
एगो औरी बा .......
नाक-बांसा फुलावल ........
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on July 31, 2011 at 9:10am नाक बांसा त हम नईखी जानत
नाक - मुह फुलावल - एकरा माने रुसल( रोवला के करीब रहेलाएह से मुह आ जाला )
नाक मुह सिकोडल - एकरा माने कवनो चीझु नीमन ना लागे त ओह ओके देखावे के तरिका
नाक भौँ फुलावल - खिसियईला लेखा ( खीस के करीब रहेला त आंखि तरेराये लागेला )
© 2012 Created by Admin.