JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

अंग्रेजी आ हिन्दी ना... आईं भोजपुरी सीखल जाव...

हमरा याद आवता कि 2 साल पहिले जब बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मॉरीशस के दौरा पर जाये वाला रहलन त हमरा लगे एगो फोन आइल रहे - क्या आप भोजपुरिया डॉट कॉम से बोल रहे हैं? हमरा हाँ कहला पर ऊ शख्स कहलस कि नीतीश जी मॉरीशस जाये वाला बानी, आ उनुकर यात्रा के ज्यादा प्रभावशाली बनाये खातिर हमनी का चाह तानी जा कि उनुकर भाषण आ ओहिजा बिहार सरकार का ओर से सभ श्रोता लोगन के दिहल जाये वाला लिफलेट (प्रचार सामग्री) के भोजपुरी में तैयार कइल जाव। ओकरा बाद ऊ कहलन कि हम रउरा के उ सामग्री हिन्दी में भेज दे तानी, रउरा ओकर भोजपुरी रुपांतर क के दे दीं। बदला में राउर जवन भी पारिश्रमिक होई, ऊ हमनी का दे देब जा... बात भोजपुरी के रहे, आ ऊहो बिहार सरकार का ओर से मॉरीशस में देवे वाला आधिकारिक दस्तावेज के, त इनकार करे के त सवाले ना रहे। ओह कार्यक्रम में भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी भी गइल रहलन, आ लवटला पर जब उनुका ई पता चलल कि ओह दस्तावेज के भोजपुरी करे में हमनी के हाथ रहे, त ऊ खासा प्रभावित भइलन।

खैर, एही बात के बारे में आज चर्चा भइल नवीन जी से, त ऊहाँ का आम आदमी खातिर इ सुविधा उपलब्ध कराये के सुझाव देहनी। आ एही मकसद से एह चर्चा के हम शुरुआत करे जा रहल बानी, एहिजा रउरा कवनो शब्द या वाक्य हिन्दी या अंग्रेजी में लिख सकेनी, आ बाकी लोग ओकर भोजपुरी अनुवाद बता दी। कोशिस इहे रही कि एही तरह से लोगन के भोजपुरी में बोले / लिखे खातिर प्रोत्साहित कइल जाव। चूंकि इंटरनेट पर लोगन का लगे ज्यादा समय ना रहेला, ओह से हमनी का अपेक्षा करब कि केहू बहुत बडहन रचना अनुवाद खातिर ना भेजी। एकरा के कुछ शब्द आ वाक्य तक सीमित रखला से ज्यादा लोगन के सीखे के मौका मिली।

हमरा पूरा भरोसा बा कि रउरा जिनगी में भी कई बेर अइसन समय आवत होई, जब कुछ शब्द के भोजपुरी रुपांतर आ कवनो वाक्य के बोले के तरीका पर रउरा सोच में पड जात होखब। ई सेवा वइसन समय में राउर बहुत सहायता क सकेले, आ एक बेर इस्तेमाल शुरु करब, तब रउरा पता लागी कि भोजपुरी कइसे रउरा भावना के आउर खुबसुरती से पेश क सकेले।

बात जब अपना भाषा आ संस्कृति के प्रचार के बा, त पहल हमनिये के करे के पडी। त आईं, भोजपुरी सीखल आ सिखावल जाव...

Tags: translation, जय, भोजपुरी, सीखल

Views: 90

Reply to This

Replies to This Discussion

हम कोशिश करत बानी अब सही बानी की गलत ऊ ता नईखी जानत लेकिन जवन भोजपुरी के परयोग अभी तक ले हम कईले बानी आ हम अपना अनुभव के आधार पे एह शब्दन के भोजपुरी बतावे के कोशिस करत बानी

1-उम्मीद - आसरा
2- भरोसा - बिसवास
3-सराहनीय - परशंसा जोग
4-आवस्यकता - ज़रूरत
सराहनीय - परशंसा जोग - बड़ाई
भरोसा - बिसवास - आशा
आवस्यकता - ज़रूरत - कमी , चाह , तंगी
umeed-- Aasara
Bharosha--biswash
sarahaniya-- badai
Aawasyakta-- jaruri..
Sabhi Bhojpuriyan Bhai se umeed hai ki iss english word ka bhojpuri rupantaran karab sabhe....

Society--
Welfare--
Organisation---
aur Divorce(Talak)---
ke bhojpuri matlab raua sabhe batayi...
Society-- मण्डली ,संगति ,साझा ,चौपाल , सभा
Welfare-- कुशल , कल्यान , नीमन करे खातिर
Organisation--- संस्था , समूह
aur Divorce(Talak)--- अलगा भईल
navin bhaiya raur upar se teen go ta sahi ba bakir DIVORCE ke mane jwan raua likhle bani uho sahi ba lekin DIVORCE jaisan sabd apna bhojpuria samj me na mile la.
संजीव भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी

बिल्कुल हम सहमत बानी रउवा बात से लेकिन ओकर अगर सांकेतिक अर्थ देखल जाउ भा शाब्दिक अर्थ निकालल जाउ त हमरा समझ से " अलगा भईल , भा अलग भईल " ही आवत बा ।

अगर दोसर कुछ होई त ओकरा के रउवा लिखी जवना से जानकारी मिलो ।

एह विषय के शुरु करे के मकसद एडमिन जी के इहे रहल की विचार विमर्श से अंतिम परिणाम के जानकारी हो सकेला ।

धन्यवाद एह विषय पे रउवा आपन विचार रखनी ।

जय भोजपुरी
Navin Bhaiya Raur Upper se 3 go thik lagat ba..
lekin ek hi baat hum kahal chahab humani ke sanskriti means bhojpuri sanskriti me divorce lekha kauno shabd banale nayikhe ehise ekar kauno matlab ya meaning naikhe humni kiha...
ta hamara hisab se bhojpuri me divorce hayiye nayikhe jaha tak hamara samajh ba...
baki agar hum galat bani ta hamara ke correct kari...

Navin said:
Society-- मण्डली ,संगति ,साझा ,चौपाल , सभा
Welfare-- कुशल , कल्यान , नीमन करे खातिर
Organisation--- संस्था , समूह
aur Divorce(Talak)--- अलगा भईल
स्वदेश भाई
बात राउर सही बाटे काहे की तलाक कवनो आम आ साधारण प्रक्रिया ना हवे लेकिन जब कवनो शब्द बनल बाटे ता ओकर कुछ न कुछ मतलब ता होखबे करी |

अलगा भईल आ सम्बन्ध टूटल जैसन शब्दन से हमनी के वोह के कह सकेनी जा , ऐसन हमके लागत बाटे लेकिन सही भोजपुरी का होई वोह शब्द खातिर ई एगो बहस के मुद्दा बाटे |

Swadesh Tiwari said:

hum bhojpuri me mahir naikhi lekin humra k aapan bhasha se etna prem ba ki hum apna nass nass me bhojpuri k bharal chaha taani...bhojpuri se hamar bihar k miiti k khushbu aawela...humra se jaise hoi jawan hoi hum zaroor bhojpuri khatir kuchh karab.

Navin said:
स्वदेश भाई
बात राउर सही बाटे काहे की तलाक कवनो आम आ साधारण प्रक्रिया ना हवे लेकिन जब कवनो शब्द बनल बाटे ता ओकर कुछ न कुछ मतलब ता होखबे करी |

अलगा भईल आ सम्बन्ध टूटल जैसन शब्दन से हमनी के वोह के कह सकेनी जा , ऐसन हमके लागत बाटे लेकिन सही भोजपुरी का होई वोह शब्द खातिर ई एगो बहस के मुद्दा बाटे |

Swadesh Tiwari said:
Navin Bhaiya Raur Upper se 3 go thik lagat ba..
lekin ek hi baat hum kahal chahab humani ke sanskriti means bhojpuri sanskriti me divorce lekha kauno shabd banale nayikhe ehise ekar kauno matlab ya meaning naikhe humni kiha...
ta hamara hisab se bhojpuri me divorce hayiye nayikhe jaha tak hamara samajh ba...
baki agar hum galat bani ta hamara ke correct kari...

Navin said:
Society-- मण्डली ,संगति ,साझा ,चौपाल , सभा
Welfare-- कुशल , कल्यान , नीमन करे खातिर
Organisation--- संस्था , समूह
aur Divorce(Talak)--- अलगा भईल
hi muje bojpuri nhi aata ok shikha sakti ho aap
हमहु सीखा सकत बानी जी

24 घण्टा के सेवा बा रउवा खातिर ।

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service