JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

???सवाल के जवाब चाही ! ???

सब कोई के प्रणाम क के एगो बात कहतानी कि दिमाग एगो भगवान के अईसन देन बा कि एकर जतने प्रयोग करब ओतने तेज होई । त आज से रउरा सभे के बल पर एगो क्विज शुरु करतानी । जवाब दी , सवाल करी आ सवालन आ जवाबन के पोस्टमार्टम करी । त तेयार बानी नु ? त होशियार हो जाई आ हम पहिलका बाँल फेकतानी . कैच करी भा छोड़ दी ? मर्जी राउर ! * बच्चा जब गर्भ से बाहर आवेला त काहे रोएला ? * जय भोजपुरी फेर भेट होई ।

Tags: ., उमेश, क्विज, गौतम, जवाब, सवाल

Views: 293

Reply to This

Replies to This Discussion

kahe ki u aapna pichla janam ke ristedariyan se dur hokhe la ,u sab ke gam me bacha rowe la lekin baki sab hasela

धन्यवाद भाई ।

sahi baat ji 

kahalen ki balak bagwan hole ,aur bhagwan ke sab pata hola 

ekdam aaram se mai ke garbh me rahele ,jabaki duniya me awate

bhagambhag badh jai ehise royele |

jai bhojpuri |

सँजय भैया , प्रणाम । बड़ा गुढ जवाब देनी । धन्यवाद ।

bahute sunar jawab 

जब बच्चा  गर्भ से बाहर आवेला त उ जाने ला की एह दुनिया के जाल पेंच में फसे के बा.. एहिजा नाना प्रकार के दुःख  .. केहू से मिलन त केहू से बिछडन ... जौना के सोच कर के उ रोयेला.....

jiya jiya rajnish bhai jee 

रजनीश भाई । गहरा चोट कईनी । धन्यवाद ।
अब साईँस के दृष्टि से देखी जा त बच्चा जब गर्भ मेँ रहेला तब आक्सीजन माई के खुन से पावेला बाकिर बाहर अईला के बाद फेफड़ा वायुमँडल से आक्सीजन लेबे खातिर तैयार ना रहेला । रोअला से फेफड़ा फैल जाला आ काम करे लागेला । * अब नाया सवाल - हनुमान चालीसा मेँ हमनी के पढ़ेनी जा " अष्ट सिद्दी नव निधी के दाता '' त उ आठ गो सिद्दी आ नव गो निधी कवन कवन ह ।* जय भोजपुरी ।
आठ गो सिद्दि - अणिमा , महिमा , गरिमा , लघिमा , प्राप्ति . ईषित्वा , वषित्वा , परकाम्या नव गो निधि - महापद्मा . पद्मा . शँख , मकर , कच्छप , मुकुँद , कुँद . नीलम , खर्व * अब तीसरा सवाल बा कि एगो औरत एगो मरद के देखा के कहतियाँ कि उनुकर माई हमरा माई के एकलौता बेटी ह त बताई उ औरत ओह मरद के रिश्ता मेँ का लागी ? * जय भोजपुरी

babua eh khatir rovena ki phir janam - maran ke chakravuh me ulajh gaine...........

RSS

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service