Come, let's do something for Bhojpuri...
भोजपुरी सिनेमा के वर्तमान दौर से जे भोजपुरी के तरक्की ला तनको सोचत होई ओकरा कष्ट होत होई. लेकिन का भोजपुरी फ़िल्म हमेशा से अईसने रहे. गंगा मईया तोहे पियरी चढ़ईबो से शानदार शुरुआत भईल रहे. ओकरा बाद दंगल, धरती मईया, गंगा किनारे मोरा गांव, आ और बहुत नीमन सिनेमा बनल सन. त आई भोजपुरी सिनेमा के बारे में एकरा पचास साला आ भारतीय सिनेमा के सौ साल पुरा होखला पर कूच मन मनसायन कईल. जाव कि भारतीय सिनेमा में भोजपुरी सिनेमा के पहचान कईसे बनी. चरचा के साथ आपन देखल पांच गो भोजपुरी सिनेमा के सूची बनाई आ ओकरा नीमन लगला के कारण बताई. अगर भोजपुरी फ़िलिम ना देखीले त काहे न देखीले इहो बताई.
Tags:
Permalink Reply by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on May 17, 2012 at 8:55pm अमितेश भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
पिछिला 10 साल मे कवन कवन नीमन लागल ओकर सुची पुछिती त नीमन कहाईत ना त लोग शुरु के पांच गो के नाव धई दी
जय भोजपुरी
Permalink Reply by amitesh on May 17, 2012 at 9:57pm हम चाह तानी कि पता चले की आज के फ़िल्म केहु के पसंदिदा सूची में बड़लो बा कि ना!
Permalink Reply by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on May 17, 2012 at 10:36pm ओकरे होई जे पुरनका ना देखले होई ;-)
© 2013 Created by Admin.