JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

ऑनलाइन भोजपुरिया स्वाभिमान साम्मेलन

                                        ऑनलाइन  भोजपुरिया स्वाभिमान साम्मेलन - १ 

हमनी के भोजपुरिया परिवार के कभी - कभी एक साथ जुट के बात करे के भी चाही ताकी हमनी के आपन - आपन बात एक दूसरा के सामने रख सकी जा और केहू के समस्या के हल भी कर सकी जा |
ऐसे ई बात के चर्चा हम अपना भोजपुरिया परिवार के सामने रखल चाहत बानी | और ई सम्मलेन इतवार (रविवार ) के ही रखल जाई ताकी जयादा से ज्यादा लोग जुट पाई | 
सम्मलेन स्थल -   बस रुआ लॉग-इन करी   www.jaibhojpuri.com पर और मिली अपना नया पुराना भाई - बहन , और दोस्त से और आपन समस्या के सुनाई और कुछ नया बताई 
भोजपुरिया परिवार आपन सहमती दिही लोग और कुछो बदले के बा ता आपन बात जरुर लिखी 

Views: 99

Reply to This

Replies to This Discussion

शंकर जी प्रनाम आ जय भोजपुरी 

हम राउर बात ना बुझनी , तनि खुल के बिस्तार से बताई 

जय भोजपुरी 

नविन भइया  प्रणाम  आ जय भोजपुरी !!! हम सोचत रहनी हां की एक  " ऑन लाइन  भोजपुरिया  स्वाभिमान सम्मलेन " कैल जावो .... जवना में सब केहू  jaibhojpuri.com पर ऑन लाइन मिलल जावो और आपन - आपन बात रखल जावो .... एह से कई गो फायदा होई जैसे की अपना भोजपुरिया लोग से मिलब जे पाहिले से मेम्बर बा और कुछ लोग नया बनी लोग , आपन बात एक दूसरा लोग के सामने रखल जाई | 

अगर राउया हमरा बात से सहमत बानी ता  समय , दिन और तारीक सब केहू के बता दिहल जाव और अगर कवनो टॉपिक रखे के बा ता उ टॉपिक भी बता दिहल जावो 
और Facebook और बहुत सोसल साईट पर एकर खबर पोस्ट कैल जावो .... जे से जय भोजपुरी . कॉम के बारे में भी बहुत लोग जान सके | 
राउर आपन भाई, 
शंकर  

शंकर भाई , हमनी के अबही जवन बतकही होत बा उ त आनलाईने नु होत बा ? 

हमरा अबहियो किलियर ना भईल की जवन बात हमनी के चैट मे बतियाईब जा ( जरुरी बात ) तवन एजुगा काहे ना बतिया सकेनी जा ? 

आ आनलाईन मेल मिलाप माने वर्चुअली त होते बा एक दुसरा से के बतकही प आपन बात कहि के बिचार राखि के ... 

हमरा कुछ खास ना बुझाईल एहि से पुछत बानी ! 

जय भोजपुरी 

एकदम सही इहनवे मिलीं सभे आ सबसे मिलीं सभे.

जै हिंद आ जै भोजपुरी.

RSS

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service