JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

हर आदमी के जिनगी में, कुछ अइसन सपना, अइसन चाह आ अइसन लक्ष्य होला जवना के पूरा होखला में, सबसे बड़हन बाधा बुझाला धनाभाव । एही के चलते हर केहू में, कहीं ना कहीं पइसा के कामना जरूर होला ई बाति अलग बा कि, ऊ जाहिर करे ना करे , प्रयास करे भा मन मार के पड़ल रहे । सामान्य नौकरी आ छोट-मोट धन्धा वाला खातिर देखा देखी, पइसा खातिर तनिको बेकलाइल त जान लेईं, बैलगाड़ी में, बइठ के कार से रेस लगावे नीहर बात बा । एगो सामान्य आदमी के अन्दर छिपल एही आगि के हवा देवे के कार करेली सन, कुछ कम्पनी जउन नेटवर्किंग बिजनेस के नाव पे, चमत्कारिक जोड़ घटाना, भाँति-भाँति के किस्सा कहानी आ उदाहरण देखा के रातो रात लखपति आ करोड़पति बनावे के दावा करेली सन । आजु हमनिए में से बहुत लोग चाहे-अनचाहे कौनो ना कौनो बैनर से जुड़लो बा, ऊहे घिसल-पिटल फार्मुला नया-नया ढंग से बतावल जाला । ई बाति सही बा कि, बहुत लोग वाकई ए माध्यम से जमीन से उठ के आसमान पे पहुँच गइल बा, बाकी ओकरे कमाई के साथे अगर ए बाति के गणना कइल जाओ कि, ऊ अपने कमाई के केतना गुना दोसरा लोगन के पइसा, आ मेहनत लगा भइल बा त सच्चाई सामने आ जाई ।एइजुक हम कौनो कम्पनी के नाव ना लेब बाकी रउआ सभे खुदे जानत होखब कि, केतना लोग आपन खून पसीना बहा के एकट्ठा कइल धन, दूना आ चौगुना कइला के चक्कर में, गँवा भइल बा । आजु ए मंच के माध्यम से हम ईहे सवाल रखल चाहब कि, समस्या भा गलती कहँवा बा ? .... का गरीब भा कम पइसा वाला के सपना ना देखे के चाही ? ...का ए टाइप के सगरो कम्पनी धोखाधड़ी करेली सन ? ....हमनी के अगर कहीं से ए तरह के बोलावा मिलत बा त का करे के चाही ?

रउआ सब के विचार आ चर्चा के प्रतीक्षा में,
राउर अनूप

Views: 59

Reply to This

Replies to This Discussion

ऐसी सारी कम्पनियां सिर्फ और सिर्फ नए नए सदस्य जोड़ने के लिए ही बनायीं जाती हैं. न तो इनका मकसद अपने उत्पाद बेंचना होता है और ना ही ये ही लम्बे समय तक बाज़ार में टिके रहने के लिए ही काम करतीं हैं. कुछेक कम्पनियाँ जो सही तरह से काम कर भी रहीं हैं तो उनके साथ जुड़ना भी समझदारी नहीं है क्यूंकि नेटवर्किंग बिज़नेस सभी के लिए नहीं होता. वैसे भी इस बिज़नेस की अवधारणा सौ लोगों को  असफल बनाकर एक किसी को ही सफलता देना है.

रही बात रॉयल्टी इंकम की, तो उसके कई अन्य तरीके भी मौजूद हैं. कोई एक अच्छी किताब लिखें. यूट्यूब पर वीडियो अपलोड करें. कोई सार्थक ब्लॉग लिखें. यह सब करने में थोड़ी मेहनत ज़रूर है लेकिन यह एक विन-विन फॉरम्यूला है. इस तरह से आप किसी को मूर्ख नहीं बनायेंगे बल्कि समाज को अच्छा देकर खुद भी अनवरत कमाई का एक जरिया साध पाएंगे.

अनुप भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी

 

धन - सब केहु चाहत बा

धोखा - सब केहु के मिलत बा आ धन के चक्कर मे मिलत बा !

 

बाजार बनावल जात बा , आ लोग अतना ना ललुवाईल बा कवनो चीझु खाति की बस कही मत कुछुओ लउक गईल त बस ओकरे पीछे भागे लागत बा , एक के संगे एक फिरी त हई खरीदब त गोआ घुमे के टिकट मिली आ दु का दुका ! कई हाली हमहु फेरा मे परल बानी !

 

आजु नेट प भी इहे हाल बा कवनो साईट फ्री वाला होखे भा ओजुगा कुछ गाना ओना भा साफ्टवेअर बा भा न्युज वाला साईट ह त लगिये एगो चुकपुकात मैसेज रहेला की यु विन आई फोन त दु का दु का आ क्लिक करी त बस बुझि ली ओहि मे बाझले रही गईनी !

 

सब मिला के धन के , कुछ पावे के चकर मे बहुत कुछ गंवाये के परत बा आ एह के लोग बाद मे बुझत बा !

 

राउर ई उठावल मुद्दा से ढेर लोग सोची आ बुझी !

 

धन्यवाद आ जय भोजपुरी

 

anoop bhai ji parnam a jai bhojpuri |

bahut sahi kahani raua aaj bahut aisan log ba je adami ke 

thagat ba |halaki aisan bhi kampani badi je kafi achha bhi karat ba |

ego kampani ba javana se ham jual bani saman la aur paisa bhi avela 

ghar ke saman ta kinahi ke ba ohija se kinala hamar hisab se u fayda wali bat ba |

leki jar asoch samajh ke kaila se tani kam fase ke chans ba ,agar lalach me awal jai ta 

jarur fasab |hamara lagat ba ekar upay khali apan samajh ba ki ka kari ka na |

jai bhojpuri 

sanjay pandey 

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service