JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

भोजपुरी के किताबन के बारे मे जानकारी !

प्रणाम आ जय भोजपुरी

 

एह सुत्र मे हमनी के भोजपुरी के जेतना भी किताब बाडी स ओकनी के बारे मे ओकनी के नाव लेखक भा जवन भी पता रहे ओह के लिखल जाउ !

 

अगर केहु इहो लिख दी की ई कहा से मिली त अउरी नीमन होई !

 

एह सुत्र से भोजपुरी साहित्य के बारे मे जाने के मिली आ किताब खरीदे के मन भी करी आ लोग किताबियो खरीदी !

 

ई एगो जानकारी के काम करी आ केहु के आसानी रही ओह किताब के खोजे मे !

 

धन्यवाद आ जय भोजपुरी

Tags: किताब, जानकारी, भोजपुरी, साहित्य

Views: 605

Reply to This

Replies to This Discussion

भोजपुरी शब्दानुशासन,

सुरतिया ना बिसरे,

परिछाहीं,

तमाचा,

बुरबक बनली,

हवा के बात,

मेघदूत,

शराफत के जुरमाना,

खेल तमाशा,

"घूमे चली जा"

 

डा. रसिक बिहारी ओझा 'निर्भीक'

ई कुल्ह किताब "जमशेदपुर भोजपुरी साहित्य परिषद" का लगे उपलब्ध बाडी सन।

अगर केहु के किने के बा, त ऊ हमरा से संपर्क कइ सकेला।

ई त नीमन बात बा सुधीर जी , अगर हो सके त साहित्य परिषद के पता भी दे दी !

 

 

 

सुधीर भाई एगो किताब हs I सोरठी बृजभार का इ "जमशेदपुर भोजपुरी साहित्य परिषद" में मिली? तनी पता बतावें के कष्ट करी I 

धन्यवाद

नवीन भाई, प्रणाम आ जय भोजपुरी,

जय भोजपुरी परिवार के "साहित्यिक वर्ष" में ई एगो बढिया शुरुआत बा। एह तरह से ना सिर्फ किताब आ लेखकन के बारे में लोग जान सकी, बल्कि लोग इहो देख पाई कि भोजपुरी के साहित्य केतना समृद्ध बा। हम काल्ह ले कुछ किताबन के सूची एहिजा पोस्ट करब।

 

जय भोजपुरी...।

रावन उवाच
सती के सराप

दूनो किताब के लेखक हवे आचार्य गणेश दत्त किरण. पाहिलका त रावण के जीवन पर आधारित बा आ दूसरका मे भारतीय इतिहास से संबंधित एगो सत्य कथा के चित्रण बा. ई दूनो किताब मे उपमा अलंकार के अद्भुत सामंजस्य बा. ज़रूर पढ़े के चाही.

अशोक भाई ई किताब कईसे मिली ,कहा से मिल सकेला कुछ जानकारी मिल जाउ त नीमन रही ! आसानी होई खरीदे मे !

 

धन्यवाद एह जानकारी खातिर !

 

जय भोजपुरी

नवीन भैया जहाँ तक हमरा पता बा ई दूनो किताब भोजपुरी साहित्य परिसद के इहा सुरक्षित बड़ी सन काहे की ई दूनो भोजपुरी उपन्यास जयीसन किताब बाड़ी सन आ भोजपुरी के अमूल्य धरोहर बाड़ी सन.

अशोक भाई भोजपुरी साहित्य परिसद , पटना मे का ?

 

अगर अईसन बा त ओजुगा से मिल जईहन स :-)

 

बहुत बहुत धन्यवाद !

जी ओजुगे देख लिहल जाओ. उमेद बा ज़रूर मिल जाई
नविन भईया प्रणाम आ जय भोजपुरी ,
              भोजपुरी किताबन के बारे मे ज्यादा जानकारी त नइखे , ना ओतना अबे किताब भोजपुरी साहित्य के पढ़े  के मिल पावल ब़ा कारन ब़ा भोजपुरी किताबन के हर जगह आ अआसनी से ना मिल पावल | एहपोस्ट से जरुर कइगो बढ़िया बढ़िया किताबन के बारे मे जानकारी होई आ एकरा ले कई लोग फायेदा लिहन |
                         ओरहन (भोजपुरी कहानी संग्रह) छितराइल फूल (काव्य - संकलन)---- लेखक :ब्रज मोहन राय " देहाती "
                        समाज दर्पण (कविता क़ोश )  :  कैलाश राय " कमरपुरी"

बृज भाई ,

 

राउर बात सही बा !

 

ओरहन, छितराईल फुल , समाज दर्पण के कहा से खरीदल जा सकेला एकरा बारे मे भी कुछ जानकारी मिल जाउ त सही रही :-)

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service