Come, let's do something for Bhojpuri...
Tags: समानता
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on July 16, 2011 at 10:32pm जय भोजपुरी ......
हम, एगो बहुत अलग बात कहल चाहतानी एह बात पर .............
एगो कहावत बा ........
चोर से....., इ कईसन सवाल कि ......ताला बने के चाही कि ना ...?
जेह्के भी आरक्षण के लाभ नईखे मिलत भा आरक्षण के पात्र नईखे ,उ त कहबे करी की आरक्षण ना मिले के चाही ,
पढाई में कईसन आरक्षण ???
....................
....................
जे आरक्षण के पात्रता राखsता ,उ भाई लोग के का विचार बा .........???
आरक्षण मिले के चाहि की ना ......?
एह में मानक का होखे के चाही ....?
आरक्षण जातिगत होखो कि आर्थिक आधार पर होखो ......?
आरक्षण कौना चीजु में मिले के चाही ,आ कहाँ ना ......?
...........
.........
तब कही जाके, असल बात निकल के आई !!!
Permalink Reply by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on July 16, 2011 at 10:53pm कुनाल भाई प्रनाम आ जय भोजपुरी
ई बहुत जरत सवाल बा आ एह प ना पानी डला सकेला ना एकरा के उचुकावल जा सकेला , बाकी तबो बिना घीउ डलले बिना उचुकवले पानी डाले के कोशिश करत बानी , देखि केतना सही बानी !
आरक्षण सही बा की ना बा एह प जाये से पहिले कुछ सवाल हम उठावल चाहब
1- आरक्षण के जरुरत काहे परल ?
2- आरक्षण से का जेकरा फायेदा मिले के चाही ओकरा मिलत बा ?
3- का आरक्षण ही एगो हल बा ओह जरुरत के पुरा करे खातिर जवना खातिर शुरु भईल रहे ?
ई तीन गो सवाल मे अउलाह चीझु लुकाईल बा बाकी हम एक हाली आरक्षण फिलिम मे सैफ अली खान के डायलाग जरुर एजुगा पोस्ट कईल चाहब ! आ उ डायलाग ह-
अच्छा हमे मेहनत का पाठ पढा रहे है आप ! आपके खेत जोते हमने , आपकी फसले काटी हमने , आपके मवेशी चराये हमने , आपके जुते सिये , बैल हांके , नाव चलाई ! आपके घरो के गन्दे नालो की सफाई की , यहा तक की आपकी ट्टटी भी सर पे ढोई हमने ! हमे मेहनत सिखायेंगे आप !
-
सुप्रीम कोर्ट के आदेश के अनुसार मेरिट एगो बहुत जरुरी चीझु ह आ कोर्ट एहु बात के मनले बा की समानता ( इक्वालिटी ) भी बहुत जरुरी बा ! एह से ई मुद्दा अतना ना जरत मुद्दा बा जवना के बैलेंस बनावल बहुत मुश्किल के काम बा !
निवेदन - हम एजुगा सब केहु से निहोरा करब की जातिगत , धार्मिक ओरि नईखे ले जाये के एह मुद्दा के , एह आरक्षण मे महिला लोग भी शामिल बा आ ई कुल्हि एह से बा काहे की सामाजिक रुप से कई स सालन तक बहिष्कार लोगन के बात होत बा , एह से एक दम आराम से नीमन बतकही कईल जाउ !
तीन गो हमार प्रश्न बा हम उमेद करब की ओकर जवाब भी रउवा सभ अगर देब त तनी फईलाव मिली एह मुद्दा के आ बरिआर बतकही हो सकेला !
© 2013 Created by Admin.