JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

प्रणाम,
अक्सर आदमी परिस्थिति के हिसाब से कौनो सवाल के जवाब देला, जबकि, मन में, ओही सवाल के तत्काल दूसर जवाब पैदा हो जाला जउन कि, अपना जज्बाति से जुड़ल होला । आईं अइसने उदाहरण के जरिए एगो चर्चा शुरु कइल जाव .......
एक सवाल के दू जवाब -

सवाल - तू त कुछ बोलते नइख, का बात बा ?
जवाब - नाही अइसेही ...बस ....
(जवाब मन में, - तूही पकर पकर कइले बाड़, बोले के मौका देब तब नू बोलब ..)

सवाल - अरे ई का भइल , घाव लागल बा का ?
जवाब - हूँ ...लाग गइल बा ....
(जवाब मन में, - एकदम अन्हरे बाड़, लउकत नइखे ..)


धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।
राउर अनूप

Views: 6

Reply to This

Replies to This Discussion

जवाब - हा हा हा हा हा हा हा हा हा , हा हा हा हा हा बहुत सुन्दर बहुत नीमन , दिल के बात बा

 

( जवाब मन मे - अपना के ढेर होशियार बुझे ले अनुप भाई , जब ना तब नीमन नीमन चीझु का जाने काहे पोस्ट करे ले )

 

 

जय हो जय भोजपुरी

प्रणाम अनूप भाई ,
हा हा हा हा हा हा हा हा
हंसी त बहुत आइल पर एह मे बहुत बड़ बात बा !
(मन मे ..............माने के परी अनूप भाई के एह पोस्ट के )
जय भोजपुरी जीय भोजपुरी
हा हा हा हा हा हा हा ....
प्रणाम आ जय भोजपुरी!
बेजोड़ बा बेजोड़ ! कवनो दू राय नइखे!
(मन में)- अनूप भैया हरमेशा नया-नया आ मौलिक चीझ उठा के सामने ले आयेलें. जे लोग के नजर में रहेला, बाकि ओही तरे जे तरे 'सेव' नीचे गिरला पे न्यूटन के छोड़ा के केहू अलग ढंग से ना सोचले  रहे.  
जय हो!

सवाल - बडा नीमन मोबाईल बा

जवाब - ह हो परसो खरीदनी ह

जवाब मन मे - का बताई की , काल्हु एक जाना के बरिआत आईल रहल ह त हाथ मारि देनी ह ।

 

हा हा हा हा

हा हा हा....!!!
बहुत खूब!!
जय हो ......

जय भोजपुरी आ प्रणाम ..........हा हा हा हा हा हा .......

वाह बहुत सुन्दर विषय ........
(जवाब मन में ........ हमरा के इहे विषईया काहे ना मन परल ह, )                                                    

 

 

 

 

 

 


हा हा हा....!!!
वाह, बहुत खूब!!
(जवाब मन में .......ब्रिज भैया, राउरो ईमानदारी के कवनो जवाव नईखे! )
जय हो ......
जय भोजपुरी

जय हो .....मनोज जी के ........

 

ऐसन बात नईखे जी .........

(जवाब मन में ........ऐसही लिखत रहस मनोज जी ,भाव टाईट रहो हमार )

सवाल - कबले खिसिआइल रहब, खनवा ना खाइब का ?
जवाब - कहि देहनी ना खाइब त ना खाइब ।
(जवाब मन में, - तनी दू चार हाली मनावन हो जाव तब नू खाइब)

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service