Come, let's do something for Bhojpuri...
Tags:
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on May 8, 2011 at 12:33pm अमितेश जी प्रणाम आ जय भोजपुरी
एह विषय के बारे मे हम अतने कहब की हम लौंडा नाच देखले बानी , आ आजुओ हमनी किहा होला , बाकी एकरा बारे मे जवन हमार सोच बा उ बा की , पहिले के टाईम मे जब लईका लईकी लोग एतना एडवांस ( पब, बार डिस्को आदि ) ना भईल रहे ओह घरी मनोरंजन खातिर कवनो आदमी ही औरत के पोशाक पहिन के नाचत रहे आ उहो आगे चली के लौंडा नाच के नाव से मशहुर भईल ! ( फिल्म नदिया के पार मे जोगी जी वाला मे एह के देखल जा सकेला ), चुकि पुरुष प्रधान समाज बा आ रहे एह से ई सगरे आ बहरी होत रहे ।
चुकि ई मरदाना लोगन के समुह मे होत रहे , ओइसही मेहरारु लोगन क बीचे भी अईसही होला ( आजुओ होला ) जहवा मेहरारु मे से कवनो एगो मरदाना के पोषाक पहिन के नाटक आ नाच गान मे भाग ले ली स ( फिल्म हम आपके है कौन ) आ ई घर मे होला , ई कवनो पर परोजन के बेरि होला !
त हमरा सोच आ जवन देखले बानी ओह के हिसाब से ई सामंजस्य बनावे के एगो अभिव्यक्ति बा , जहवा महिला के स्थान पुरुष लेत बा आ पुरुष के स्थान महिला ! ( महिला ग्रुप मे महिला आ आदमी के ग्रुप मे आदमी )
लौंडा नाच , के उत्पति असल मे गोंडउ नाच से भईल ह , लौंडा नाच ढेर पुरान ना ह बाकी गोंडउ नाच बहुत पुरान ह जवना से शुरुवात एह लौंडा नाच के भईल रहे बाद मे लोग नाटक ओटक मे भी महिला के पात्र आदमी के देत रहे ( ई नीमन ना मानल जात्त रहे की केहु के घर के मेहरारु नाच गाना आ उहो सगरी समाज के सोझा नाचो ) आ कुछ ओही वजह से धीरे धीरे ई हर जगह प्रचलित हो गईल !
मेहरारुवी दरबार मे त रिश्ता नाता के वजह से हंसी मजाक आ बोली आ कबो कबो कुछ गारियो दियाला लेकिन ई शुद्ध महिला समाज मे आ रिश्ता नात अके धई के होला जहवा मरदाना के एंट्री ना रहेला !
बाकी मरद समाज , समय के अनुसार बदलल , आ अब उत्तेजित हाव भाव आ अश्लील शब्दन के प्रयोग बहुत आम हो गईल बा !
हमरा हिसाब आ सोच से इहे बा बाकी एह विषय पे हमहु अउलाह जाने के इच्क्षुक बानी !
जय भोजपुरी
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on May 13, 2011 at 3:21pm चौहान जी प्रणाम आ जय भोजपुरी
कुछ अटैच नईखे ?
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on May 13, 2011 at 3:20pm अमितेश भाई एगो अउरी बात बा
भिखारी ठाकुर हरमेसा सामंती व्यवस्था , आ अउरी सामाजिक बेमारी ( जाति प्रथा , दहेज प्रथा , छुआछुत , आदि बेमारी ) के खिलाफ मे झंडा उठवले रहले अपना नाटक मे देखवले रहले ।
माने साफा साफी सभ्रांत ( जे बनेला ) ओह लोगन के उपर गम्हीराह चोट रहे ! आ चुकि लौंडा नाच के सही रुप मे प्रचलित करे वाला ( जईसे हमरा जवन मालुम बा ओह हिसाब से ई गोंडउ नाच से जुडल आ हुरुका के ताल पे नाचे वाला कला ह ) भिखारी ठाकुर रहलन एह से एह नाच के भी ओह रुप मे ना देखावल गईल भा पहिचान ना दिहल गईल जवन बाकी लोक संस्कृति मे अउरी नाच के मिलल !
आ बाद मे ( चुकि सस्ता नाच बाजा ई रहे ) ई कम पईसा वाला परिवार के मनोरंजन के साधन बनी गईल , तबो हम आजुओ देखले बानी , आ हमरा घरे भी खुद , कवनो बार उतराई , भा कोसी चढावे के रहेला त लौंडा नाच ही आवेला ! आगे के हालि ई बा की परिछावन से ले के , लावा मिलावे से ले के बिआह के कई गो बिधी मे लौंडा नाच के शुभ मानल जाला !
आगे अउरी आपन अनुभव आ जानकारी साझा करत रहब ।
जय भोजपुरी
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on May 14, 2011 at 12:17pm धन्यवाद चौहान जी !
डेढ साल हो गईल रहल ह देखल :-)
Jai bhojpuri....
bhai ji..bahutey accha lagal...e dekh ke.....7-8 baris ho gaile rehe e nach dekhla ke...
agar raua sab ke yaad hokeh taa....ego aur naacha hokela....hurka ke nacch....
agar ho sake taa...okro bare me kuch kahi sabe...
Permalink Reply by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on May 17, 2011 at 7:25pm © 2012 Created by Admin.
amitesh bhai pranam aa jai bhojpuri !
hum lagbhag 1 mahina se gaon baani , auru gaon main auru aas pass logan mai ego hirsha ba ke ke niman se niman nach bolai hum jab chhot rahni tab dekhle rahni per ek din duar se kuchh dur hi samayna laagal rahe auru halla rahe ki 40,000 ke naach ha maah ke bhid jutal naach shuru bhail humar kuchh laikain ke sanghatiya dhire se aiga ke baad takse ke program bana lele log ki naach 40,000 waala dekhal jaau per kaa batain kee u naach na rahe bas dwi bhashiya dvi arthiya ashlilta se bharpur rahe bas hum ohija khisiyae lagni atab sanghatiya bolle log ki marde tu agar kuchhu kahba ta kaka baaba log kahe lagihen pagla gail baada chahe humar biyah bigadat baad bas hum ohija se ghare aagaini eh ke baad 25,000 ke naach gaon ke bhiriye ego gaon Dileman pur gail rahe hum 10 minute dekhni auru motor cycle main kick marni gaon ke ego chacha roke lagle ta hum jhoot bolni ki humar pet gadbada gail ba hum ghre jaat baani !
aawat khani aini ta humni gaon ke school pe chhot samayna laagal rahe door se humra ego madhur awaaj main ego bahut suner geet ke aawaj aail taal lay sabh milat rahe dhire dhire hum ohija pahunchni ta launda ke naach rahe per bhojpuri ke etna puraan gaana autru lay se hot rahe ki rook gaini bas oh gaana ke baad joker aail auru hasat hasat pet dukha gail okra baad uhe joker bolalas ki ab aap ke saamne es manch per Baabu vir kunvar singh ka naatak hoga bhai je 2-3 ghanta natak chalal aankh katna haali loriyail auru baanh katna haali fadfadail ki ab ka kahin hum oh naach malik se milni auru kuchh dhan rashi okra ke dihni shayad u dhan rashi ke leke humar naam stage pe lebe khatir humar naav pooche laagal ta hum naa batawni auru atne kahni bhai raura sabh eh dharohar ke bacha ke rakhin bas ehe shubhkamna ba !
tatparya e ba aaj humni ke bas ehe sochat baani ja ki jaun mahnga kinat baani ja u he Niman ba !
ekra baad bahut baar eh baare main saathi sanghathiya auru gaon ke log kse baat bhail sabh ehe kahe laa haan bhasha main ashlilta na hokhe ke chahin per kehu aage aake oh naach pe dhela mare waala naikhe jaun ashlilta ke parosat ba !
bas ego vishwash ................
jaga jaga , jaga e bhojpuri ke laanwa !
jai bhojpuri jiya bhojpuri !