JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

आर के दुबे के बचाये खातिर चमचा आगे आइल

जमशेदपुर। चार दिन पहिले भोजपुरिया डॉट कॉम पर एगो रिपोर्ट (एहिजा देखीं) आइल रहे, जवना में बिहार सरकार द्वारा संचालित भोजपुरी अकादमी के चेयरमैन रवि कांत दुबे पर दूगो लइकियन के फेक प्रोफाइल चलाये के आरोप लगावल गइल रहे। इंटरनेट पर जवना प्रोफाइल के रविकांत दुबे चलावत रहलन, अउर जवना में पता पटना के लिखल रहे, ओह दूनो लइकियन के फोटो वास्तव में पाकिस्तान के वेबसाइटन से लिहल गइल रहे। अगर केहु भी चाहो त एहिजा (नाम पर) क्लिक कइ के रागिनी सिन्हा अउर स्वाती राय के फोटो आ नाम के असलियत देख सकेला।
 
खैर, ई त बात भइल सबूत के, आगे के स्थिति ई बा कि एक ओर जहाँ रवि कांत दुबे एह खुलासा के बाद सदमा में बाडन, ओहिजे दोसरा ओर उनकर एगो चमचा एह खुलासा से तिलमिला गइल बाटे, अउर भोजपुरिया डॉट कॉम आ जय भोजपुरी डॉट कॉम पर अनर्गल आरोप लगा रहल बाटे। ओह चमचा के कहनाम बा कि भोजपुरिया डॉट कॉम भोजपुरी के प्रति समर्पित लोगन के खिलाफ काम कइ रहल बाटे, जबकि सच्चाई ई बा कि आज ले भोजपुरी खातिर जेतना काम भोजपुरिया डॉट कॉम अउर जय भोजपुरी डॉट कॉम कइले बा, कवनो दोसर वेबसाइट ओतना सोच भी नइखे सकत। एक ओर जहाँ कुछ वेबसाइट वाला लोग फिल्मी कलाकारन के करीब जाये खातिर चमचागिरी करत ना थकेला, ओहिजे दोसरा ओर ई सिर्फ सच के ही ताकत बा कि जवना कवनो व्यक्ति पर भी भोजपुरिया डॉट कॉम कुछ लिखलस, अंत में ओह लोगन के भी ओह बात के स्वीकारे के पडल, अउर तथ्य के माने के पडल।
 
हमनी पर घिनौना आरोप लगा रहल सहारा इंडिया में काम करे वाला राज कमल पांडे के एतनो नइखे बुझात कि जब सब सबुत ओह खबर में दिहल बा, त फेर ओह में गलत का बा। अगर उनका में साहस बा, त ओह में एको सबुत के गलत साबित कइ के देखावस। एक जमाना पहिले दम तूड चुकल भोजपुरी के एगो वेबसाइट पर ऊ ना सिर्फ हमनी के सहयोगी वेबसाइट जय भोजपुरी डॉट कॉम के आ ओकरा सदस्यन के खुले आम गारी दे रहल बाडन, बल्कि ओह वेबसाइट के प्रबंधन भी एह काम में उनकर खुल के सपोर्ट कइ रहल बाटे। एह मुद्दा पर जब हमनी का एगो वरिष्ठ अधिवक्ता नरेश सिंह से बात कइनी जा, त ऊ कहलन कि ई सिधे तौर पर साइबर क्राइम के मामला हवे, अउर इंडियन आईटी एक्ट के अनुसार ओह वेबसाइट अउर ओकरा प्रबंधक (शैलेश मिश्रा) का उपर कार्यवाही खातिर एतना सबूत काफी बा।
 
रवि कांत दुबे आ राज कमल पांडे काल्ह फेसबुक पर ओही फेक प्रोफाइल (रागिनी सिन्हा) पर लिख के भोजपुरिया डॉट कॉम अउर ओकरा संचालकन का उपर ब्लैकमेल करे, रंगदारी लेवे अउर ना जाने का-का आरोप लगवले बा लोग। हमनी का एहिजा साफ कइल चाहेब कि भोजपुरिया डॉट कॉम आज ले केहु से एको रुपया नइखे लेले, अउर हमनी का चैलेंज करतानी कि केहु एह में से एको आरोप साबित कइ के देखाव। अगर रविकांत दुबे का लगे हमनी के गलत साबित करे खातिर कुछ तथ्य बा, त सामने आवस। अगर हमनी पर विश्वास नइखे, त मीडिया में जास, लेकिन अपना चमचा लोगन के आगे कइ के एह तरह के अनर्गल आरोप लगावल बंद करस।
 
जब हमनी का राजकमल पांडे के इतिहास खोजे के कोशिश कइनी त पता चलल कि ई व्यक्ति पहिले पुरुष वेश्या (जिगोलो) रह चुकल बाटे, अउर 2004 के समय में (जब हमनी का इनका के जानतो ना रहनी जा) पोस्ट कइल इनकर कुछ प्रचार सामग्री (केहु भी एहिजा क्लिक कर के एह बात के देख सकेला) आजो इंटरनेट पर देखल जा सकेला। जब केहु एह दिशा में इनकर ध्यान दिलावल तब पहिले त पहिले ई कहले कि प्रोफाइल हैक हो गइल रहे, जब ई बतावल गइल कि ई पोस्ट 2004 के हवे, तब कहले कि हम ई-मेल आईडी (rkp_lucknow @ yahoo.com) ही 2006 में बनवले बानी, फेर जब उनकर याहू प्रोफाइल देखावल गइल जवना में ऊ आईडी 2004 के बनल लिखल रहे, त ऊ गाली-गलौज पर उतर गइलन। ना जाने केतना गो एडल्ट वेबसाइटन पर सक्रिय राजकमल पांडे के चरित्र, अउर ओह वेबसाइट पर उनकर भाषा अपना आप में उनकर इमानदारी आ सच्चाई के कहानी कह रहल बाटे।
 
रविकांत दुबे पर से सबके ध्यान हटाये खातिर राज कमल पांडे एतना निचता पर उतर गइलन कि ऊ एगो एडल्ट वेबसाइट पर जय भोजपुरी परिवार के एगो वरिष्ठ सदस्य नवीन भोजपुरिया के फेक प्रोफाइल बनवलन (ओकर स्क्रीन शॉट हमनी का लगे बा, जवना में ऊ खुद ओही प्रोफाइल से लॉगिन बाडे, जवना से उनकर कुकृत्य के पता चलता), आ ओकरा के फेसबुक आ ओह वेबसाइट पर अपलोड कइ के लिखलन "अइसे बनावल जाला फेक प्रोफाइल, आ हम जेकर चाहीं, ओकर फेक प्रोफाइल बना सकेनी।" उनका एह बात से (जेकर स्क्रीन शोंट हमनी का लगे बा) साफ पता चलता कि रवि कांत दुबे के बचाये खातिर ऊ कवनो हद तक जा सकेले।
 
भोजपुरिया डॉट कॉम आज ले ना त केहु का लगे झुकल बा, नाही झुकी... हमनी का हमेशा सच के लेके चलल बानी जा, अउर एही वजह से पिछला छह साल से हमनी के समाज के अपार समर्थन मिल रहल बाटे, अउर हमनी के वेबसाइट भोजपुरी में लगातार No. 1 के स्थिति पर कायम बाटे। जेकरा कवनो गलतफहमी बा, ओकरा खातिर हमनी का लगे सबूत बा, जवन कि उपलब्ध करावल जा सकेला। अगर केहु चाहे, त एह देश में के कवनो अदालत में हमनी का अपना लिखल हर बात के साबित करे खातिर तैयार बानी।

Views: 82

Reply to This

Replies to This Discussion

सुधीर भाई प्रणाम

हम पिछला तीन चार दिन से इ सब नाटक देखत बानी...एक के बाद एक गंदगी...खैर जे तन मन धन तीनो से घटिया  होखे आ 1oo रुपया पे वेश्यविरिती  करत होखे ओकरा से समाज उम्मीद ही का कर सकत बा..
लेकिन अफ़सोस के बात इ बा की अपना आप के सामाजिक घोषित करे वाला लोग जब एह घटिया अदिमी के कृत्या में सहमती देत बा टी भोजपुरी में गंदगी त बढ्बे करी...

हमरा एह कम्मेंट के बाद हमरो नाव आ फोटो कौनो पोर्न साईट पे बना देबे त एह में आश्चर्य न होखे के चाही...लेकिनभोजपुरी से एह घटिया अदिमी के  वजूद जब तक ख़तम न होई पता ना केतना आईटम नंबर करे वालीं के अपन बहिन बना बना के अपना अंदर के गंदगी निकालत रही ...


सुधीर भाई / प्रवीन भाई प्रणाम और जय भोजपुरी.
इ सब पढ़ के और देख के बड़ा दुःख भइल, काहे की हमहू बक्सर के ओही माटी के जामल हई जहा के आर के दुबे हवे, ऐसन घटिया हरकत कैले बाडन जवना से हमार सर सरम से झुक गइल बा, आर के दुबे सवसे भोजपुरी समाज और महार्सीविश्वामित्र और बाबु कुंवर सिंह जी के धरती के नाक कटावत बाड़े, सरम आवे के चाही उनका एक ता गलत कम ऊपर से चमचन से चमचागिरी करावातरण, एकरे के कहल जला चोरी और ऊपर से सीनाजोरी .

 

राहुल सिंह

लेकिन ई दोगला राज कमल पण्डे द्वारा कैल गुनाह माफ़ी लायेक नइखे ...

Sudhir Bhaiyee Pranaam,

Jab kauno vyakti,samooh bha samaj , safalta ke ore badhe la ta, ose pratispardha kare vala bha jare vala log aisane harkat karela, Aaj ke daur me eke mind game bhi kahal ja sakela theek oise jaise team India ke match se pahile virodhi kul sachin pe aa team pe tippani kare na san. Kehoo kuchchhoo kahe Aaju sachchaee aa Natiza dunnoo sabke saamne ba.Hamni ke bahut uttejit hikhla ke kar naikhe , kukuran ke muh khude band ho jaaee.

Jai Bhojpuri.

आर के पांडे .....प्रथम दृष्टया एगो ऐसन चरित्र जेकरा पर थूकल जाव त थूके वाला के बदनामी होई कि थूके खातिर ऐसन नीच पात्र के काहें चुनलस | हमनी के समाज में ऐसन आदमी खातिर बड़ा विशेषण बाडन स | हम कुछ कहब ना बस एतने याद दिलाईब कि जब हमनी के समाज में भेदभाव रहे ओह समय भी समाज एगो मुद्दा पर एक हो जाव - पांडे जी ( जी एह से लगावत बानी कि हम इंसान के बड़ा आदर करेनी ) जैसन लोगन के दुत्कारला के मुद्दा पर | ऐसन आदमी जहां खडा हो जाई गंदगी कैल शुरू कर दी | शरत बाबू खिसिया के दोगला आ कुकूर ना जाने का का कहले बाडन पांडे जी के | शरत बाबू आजकल दोगला के भी कानूनी मान्यता मिल गइल बा , अब उ दोगलई करबे करी | कुकूर ऐसन वफादार प्राणी से एह भाषा बेचवा के तुलना ठीक नइखे | हमनी के परम्परा में भाषा के माई के संज्ञा दिहल जाला | जे अपना भाषा के बेचे के मुहीम चलावत बा उ अपना माई के ......हम आगे ना कहब भाषा के मर्यादा के सवाल बा |

जय भोजपुरी के भोजपुरी के प्रति समर्पण के सवाल पर हम का कहीं | जेकरा कवनो शक बा उ जाके जीरादेई के धरती पर जय भोजपुरी परिवार के छाप आज भी देख सकत बा | पांडे जी भी जा सकेलन एह से कि ओजुगा के लोग भाषा बेचवन के भर सिकम थूरे खातिर खोजत बा | दू गो रुपया खातिर जिस्म बेचेवाली ..........एह पांडे जी लोगन से बढ़िया बिया काहे कि ओकर कवनो मजबूरी रहेला , लेकिन पांडे जी जैसन लोग के कवनो वजूद ना होला | कहीं पसर जाई आ आपन कार्यक्रम देखावे लागी |

नवीन जी के बदनामी के जहां तक सवाल बा ई बड़ा हास्यास्पद लागत बा | एगो दियका के खाईल पिल्ली ( पिल्ली रानी खिसिययीह मत ) के बब्बर शेर के सामने का औकात ? के का ह लोग बुझत बा आ जेकरा मन में शंका बा उ जल्दिये बुझ जाई |
बात एक बार दू बार के बात रहित त अदिमी इग्नोर करी दित ... लेकिन बात हद जे जादा हो चुकल बा ... अभी भी फेस बुक घटिहा  गाली गलौज जारी बा.. कब तक चुप रही सकेला अदिमी ??
प्रणाम सुधीर भाई जी ,

३-४ दीं से हम बहुत तमाशा देखत बानी एह चमचा के ......जौन हमरा बुझात बा ................

हमनी के सत्य मार्ग पे इ लोग रोड़ा अट्कावे के कोशिश करत बा हमनी के एह कुलही फिजूल बात पे

ध्यान ना देके अपना मंजिल पे ध्यान देबे के बा औरु हमरा विचार से इहे ओहन लोग खातिर हमनी के

मुह तोड़ जवाब होई !

हम निखिल बबुआ जी के बात से बिल्कुल समर्थित बानी की

ई दोगला राज कमल पण्डे द्वारा कैल गुनाह माफ़ी लायेक नइखे ...

एह बात के जवाब हमनी के अपना छोट भाई के देबे के बा उंहा के जज्बा के हमार सलाम बा

और हो सके त  एह कुकुर पे क़ानूनी कार्यवाही होखो  औरु ताकि इ कुकुर केहू पे भी भोके चाहे

आपन गोड़ उठावे से पहिले  सोचे कि केहू भी गलत आदमी खातिर दम ना हिलावे के चाहीं

कानून खातिर पूरा दस्तावेज तैयार होखे औरु अइसना कुलही लोग पे कानूनी कार्यवाही होखे

इ लोग आज अपना छुदुर  पन  से भोजपुरी माई के आचर के  भी मैला करत बाड़े .................

धोती औरु कुरता रही माथ पे पगारिया त ओकरे के जान लिह खांटी भोजपुरिया ,

 फटहा पुरान से ना तनिको लजाला गमछा के गर मे लपेट लेला  माला

चनन अस गोड्वा से कपरा ले धुरिया त ओकरे के जान लिह खांटी भोजपुरिया ,

मन होई साफ़ तन होई भले गन्दा दमके लिलार जैसे चमके ला चंदा

कंही के श्रृंगार हा सियार हा लौरिया त ओकरे के जान लिह खांटी भोजपुरिया

सभका से अलग जेकर आपन पहचान बा खेतवा से रहिया मे अटकल परान बा

अ दिन आ महिना जेकर गिन दे अंगुरिया त ओकरे के जान लिह खांटी भोजपुरिया,

इ भाषा हमार भोजपुरी ह  सुहागिन के हाथ के चूड़ी ह, दुश्मन के गर्दन पे चले वाला छुरी हा

 कुलही भाषा से मीठ हमार भाषा भोजपुरी ह !

हमार माटी हमार भाषा हमार जनून ! 

औरु एह माई भोजपुरी औरु भोजपुरीया माट्टी के आचार पे दाग लगावे वालेन के  इ कुलही कृत्य कैसहूँ माफ़ी लायक नइखे !

पं राजीव मिश्रा (भोजपुरिया )

जय भोजपुरी जीय भोजपुरी !

bhai log... fake profile se du char humhu bhail bani.  orkut per. case ekdum same rahe...

 

ek 42 yrs young man... female ke fake id bana ke .. log ke chu***** banawat rahan........ male agar male ke id banawata t samajh me aaweta ki h ego baat bhail.... male agar female ke id banawata t ekar t ekke go matlab bhaill........ are uhe jawan rauaa log samajh gaini :)

प्रणाम....अजब कहानी बा ई... ई पहिले त फेस बुक पर फेक प्रोफाइल बनवले... आ जब अनकर करस्तानी सामने आ गईल त एगो अइसन चमचा के आगे कइलें जे पहिलहिम जिगोलो के काम कई चुकल बा। शर्म आ रहल बा इ देश के अइसन लोग अपना के भोजपुरी के पहरूआ घोषित कई रहल बा लोग। का इहे लोग से भोजपुरी के सम्मान बढ़ी। अइसन लोगन के सामाजिक बहिस्कार होखे के चाहीं... और नाहिं त फेस बुक पर सुधीर भाई के बदनाम करे के साजिश रचल जा रहल बा.... एह समय में भोजपुरिया लोगन के एकजूट होखे के बा आ गलत सही के पहचान करे के बा... जय भोजपुरी...

अगर रउआ सच का संगे बानी, त साथ जमाना दी। रवि कांत दुबे के सच्चाई पर आज एगो अखबार (कल्पतरु एक्सप्रेस, मथुरा) में ई खबर लागल बा। रउओ देख लीं...

 

ee  ka jaane kaun chalawat bawe ...

sudhir hbai parnam a jai bhojpuri  |

bhaiya ketano chamacha log bachai lekin sachhai na kabo dabal ba na dabi |

bhojpuri.com aa jai bhojpuri javan kaam karat ba bhojpuri ke bachave khatir u hardam

karat rahi a e log kuch bhi kari bach na pai |raua apan kaam karat rahi ham log raua ke sath bani |

jai bhojpuri

sanjay pandey

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service