Come, let's do something for Bhojpuri...
जैय भोजपुरी आ प्रणाम,
आज से (एक अप्रैल 2011 से) विधायक आऊरी विधान पार्षद, लोग के दर्माहा मे तीन गुना के बढोतरी हो गईल बा,
ऐकर फ़ैसला मुख्यमंत्री नीतीश कुमार की अध्यक्षता में भईल मंत्रिपरिषद के बईठक मे लेहल गईल बा,
ऐकरा अलावे उनका लोग के मिले वाला अनेक भत्ता के भी बढावल गईल बा,
आब आई देखल जाव की उनकरा लोग के का मिलत रहे आ का मिली.......
दर्माहा........................पहिले............8000.................अब...............25000
क्षेत्रीय भत्ता..................पहिले............12000...............अब...............25000
सहयोगी भत्ता ..............पहिले.............10000...............अब...............15000
स्टेशनरी भत्ता .............पहिले..............2000................अब................5000
कुल.................... पहिले..............32000...............अब..............70000
ऐकरा आलावा पूर्व सदस्यन के पेंशन भी प्रतिमाह छह हजार से बढ़कर 15 हजार करे के फैसला कैईल गईल बा
आऊर मुख्यमंत्री, कैबिनेट मंत्री और राज्य मंत्रियन के आतिथ्य भत्ते के भी बढावल गईल बा।
ऐह बढ़ोतरी से राज्य पर हर साल 34 करोड़ रुपीया के अतिरिक्त बोझ पड़ी।
राउर लोग का सोचेली ऐह पर, राउर विचार के ईंतजार रही....
स्रोत:- NBT
जैय भोजपुरी
राऊर आपन
शशि कुमार सिंह
Tags:
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on April 1, 2011 at 11:35pm हा हा हा हा ...........
जब भरती आसान नईखे, तब त, पगार हुमच के रहबे करी .........
जय हो .......
Permalink Reply by शशि कुमार सिंह (SHASHI) on April 1, 2011 at 11:44pm
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on April 2, 2011 at 10:30pm एगो प्रधान जितावे में .........कुलही करम हो गईल ........
१५ आदमी से जबरजस्त दुश्मनी .....
हा हा हा हा .........
जय हो
© 2012 Created by Admin.