JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

विधायक के वेतन 3 गुना.......राऊर नजर मे..........?

जैय भोजपुरी आ प्रणाम,

आज से (एक अप्रैल 2011 से) विधायक आऊरी  विधान पार्षद, लोग के दर्माहा मे तीन गुना के बढोतरी हो गईल बा,
ऐकर फ़ैसला मुख्यमंत्री नीतीश कुमार की अध्यक्षता में भईल मंत्रिपरिषद के  बईठक मे लेहल गईल बा,

ऐकरा अलावे उनका लोग के मिले वाला अनेक भत्ता के भी बढावल गईल बा,

आब आई देखल जाव की उनकरा लोग के का मिलत रहे आ का मिली.......

दर्माहा........................पहिले............8000.................अब...............25000

क्षेत्रीय भत्ता..................पहिले............12000...............अब...............25000

सहयोगी भत्ता ..............पहिले.............10000...............अब...............15000

स्टेशनरी भत्ता .............पहिले..............2000................अब................5000

कुल....................  पहिले..............32000...............अब..............70000
 

 

ऐकरा आलावा पूर्व सदस्यन के पेंशन भी प्रतिमाह छह हजार  से बढ़कर 15 हजार करे के फैसला कैईल गईल बा

आऊर मुख्यमंत्री, कैबिनेट मंत्री और राज्य मंत्रियन के आतिथ्य भत्ते के भी बढावल गईल बा। 

 

ऐह बढ़ोतरी से राज्य पर हर साल 34 करोड़ रुपीया के अतिरिक्त बोझ पड़ी

 

राउर लोग का सोचेली ऐह पर, राउर विचार के ईंतजार रही....

स्रोत:- NBT

जैय भोजपुरी
राऊर आपन
शशि कुमार सिंह

Views: 6

Reply to This

Replies to This Discussion

शशि जी प्रणाम,
विधायक आऊरी विधान पार्षद लोग के वेतन वृद्धि ओ लोगन खातिर आ ओ लोग के परिवार खातिर बढ़ियाँ खुशखबरी बा । अगर इमानदारी से देखल जाओ त ई धनराशि पद के जिम्मेदारी आ आवश्यकता के हिसाब से बहुत ढेर नइखे । रहल बात राज्य पे अतिरिक्त बोझ के त, ऊ आम आदमी लोग मिलजुल के बाँट लेई , फिकिर कइला के जरूरत नइखे, वइसे भी एमे से ज्यादातर लोग खुदे धरती के बोझ बा जेकरा पहिले से ढोअल जात बा तनी अउरी सही ।
शशि भाई ई समाचार पोस्ट कइला खातिर राउर धन्यवाद , ई ठीक बा कि, ए भत्तन के साथ पेन्शनवो बढ़ गइल ।
शशि भाई प्रणाम ,

हम अनूप भाई के बात से शत प्रतिशत सहमत बानी !

बाकी रहल बात एहन लोग के खरचा के त हमनी

के बगालिये से जायेके बा इ कुलही बोझा त ढोवे

के परी जी !

बस हमनी के अपना सोच से निमन आदमी के वोट देबे के चाहीं !

रउवा आपन विचार रखनी निमन लागल एह पोस्ट खातिर राउर धन्यवाद !

जय भोजपुरी जीय भोजपुरी !
शशि भाई ,

प्रणाम आ जय भोजपुरी!

देखीं, अब विधायक लोगन के खर्चा एहू में चल पावता की ना? एतना में भी संतोष कर के जनता के ईमानदारी से सेवा करे लोग त गनीमत बा, ना त पईसा कमाए के बहुतो डायरेक्ट-इनडायरेक्ट रास्ता अलग से बड्लाहिये बा. हाँ , नितीश जी विधायक निधि ख़त्म कर के ई लोग के एगो रास्ता जरुरे बंद कैले बाड़ें.

बढ़िया चर्चा उठवनी.
धन्यवाद.

जय भोजपुरी!
जैय भोजपुरी आ प्रणाम मनोज भईया,

बहुत सही कहनी भईया ई लोग के येतना मे ही अगर संतोष क के ईमानदारी से अपन काम करे लोग तब तक ई ठीक बा,
बा बाकी ऐहर संभावना कमे लऊकता. ई लोग आपन रबईया न नु बदलिहे.............

बहुत नीमन लगल राउए विचार जन के................


  जैय भोजपुरी
राऊर आपन
शशि कुमार सिंह
एक त कोढ़ आ ऊपर से खाज.
इ कुकुरा सब राजेंदर बाबू के भुला गईल बड़े-स,उहा के अपना तनखाह में से १ रुपईया राख के बाकी सब सरकारी खजाना में जामा करा देत रही.

unha nahin khoje khatir dhibri leke khoje ke pari !

 

जैय भोजपुरी आ प्रणाम सुभाष भईया,

आब उनका नियन आब केहु मे ना रह गईल बा, आब सेबा भावना केहु के ना हवे सबे लोग आपन-आपन फ़ायदा ही देखेला, राजनिती भी आब सेबा करे के स्थान न रह गईल बा आब ई ऐगो वयव्साय बन चुकल बा, आ ई वयव्साय मे केहु राजेन्द्र बाबु ना मिलीहे......

बहुत नीमन लगल राउर विचार जन के..........

  जैय भोजपुरी
राऊर आपन
शशि कुमार सिंह

शशि भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी

 

तंख्वाह बढे ला बढे के चाही , लेकिन हर चीझु के एगो सीमा होला बाकी ई जवन तंख्वाह बढल बा उ ओह लोगन के बढल बा जे सेवा भाव खातिर काम करत बा जेकरा आपन कवनो स्वार्थ नईखे ! कैंटीन से ले के यात्रा टहल से ले के घर दुआर के बेवस्था से ले के एह लोगन के हर जगहा चकचकी रहेला , जिनगी आनन्दमय रहेला ।

 

ई खाली बिहार के बात नईखे ई बात बा लगभग हर जगहा के हर राज्य के आ केन्द्र के !

 

केन्द्र मे कुछ अईसने बढोत्तरी पे हम एगो ब्लाग लिखले रहनी जवना के शीर्षक आ लिंक बा -

 

बिना पढले लिखले कमाई महिना के साठ (60) हजार !

http://www.jaibhojpuri.com/profiles/blogs/3634233:BlogPost:92383

 

शशि भाई बिधायक निधि के खतम भईला से जवन तनी मनी चोट एह लोगन के नाजायज आमदनी पे परल बा वोह के मेक-अप शायद ढेर ना त कुछुवो एह से हो जाई एह के अँदाज हमरा लउकत बा !

 

बाकी हम अतने कहब की एह कुल्हि से अगर जनता जनार्दन के नीमन हो ता त ई ठीक बा , काहे की कवनो कम्पनी अपना इम्प्लाई के तंख्वाह ओकरा परफार्मेंस पे बढावे ले , आ जे एह से कुछ नीमन नईखे लउकत त बुझि ली की जनता के पईसा पे चकलस काटत बा लो ई लोग !

 

धन्यवाद एह मुद्दा के उठवला खातिर !

 

जय भोजपुरी

 

 

जैय भोजपुरी आ प्रणाम नविन भईया,

भईया हम ई विषय के राउर ब्लँग के ही देख के ईहबा उठ्ले बानी.
हम येह के डिस्कसन के रुप मे उठय्ले बानी की ऐह से ई विषय पर विस्तार से चर्चा हो सके,

शशि भाई बिधायक निधि के खतम भईला से जवन तनी मनी चोट एह लोगन के नाजायज आमदनी पे परल बा वोह के मेक-अप शायद ढेर ना त कुछुवो एह से हो जाई एह के अँदाज हमरा लउकत बा !

हमरा समझ से राउर ईहे लाईन सब कुछ कह जाता ..............


70000 हजार रुपिया वेतन उ राज्य के नेता लोग के जहवा प्रति व्यक्ती आय मुशकील से 8 से 10000  होई सायद आउरी कम हम अंदाज से कहनी ह बहुत जदा बा.....................

राज्य पे जे 34 करोड़ रुपिया के अतरिक्त बोझ पर रहल बा उ राज्य के विकाश मे काम आ सकत रहे

बहुत बहुत धान्यवाद राउर आपन विचार रखनी

जैय भोजपुरी
राऊर आपन
शशि कुमार सिंह

ठीके त बा ...........

जातानी हमहू भरती होखे ,

बिधायक ,पार्षद खातिर .....

जैय भोजपुरी आ प्रणाम ब्रिज भईया

 

हा हा हा हा हा हा हा हा हा..............
भईया भरती होखला आसान नईखे पहिले बरा निवेश करे के परी ......
तबे मजा ले पाईब फ़ईव स्टार के.......हा हा हा हा हा हा हा हा हा...............

 

जैय भोजपुरी
राऊर आपन
शशि कुमार सिंह

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service