Come, let's do something for Bhojpuri...
Tags:
Permalink Reply by Satyendra Upadhyay "भोजपुरम" on February 10, 2011 at 12:36pm सतेंद्र जी प्रणाम आ जय भोजपुरी
अश्लीलता भोजपुरी गाना मे कोढ़ के बीमारी खानी आपन रास्ता बना चुकल बा बड़ी शर्म के बात बा की पढ़ लिखे के भी लोग अनपढ़ जाईसनकाम करत बा लोग एकर हर तरह से बीरोध कईल ज़रूरी बा आ आपन भोजपूरिया ईज़्ज़त बचाबल ज़रूरी बा कुच्छ युवा पीढ़ी बहक गईल बा उ लोग के समझावल ज़रूरी बा आ सबसे ज़रूरी बा अपना कीहा बजात अशलील भोजपुरी गाना के बीरोध कईल आ ओकरा पर रोक लागावल आ युवा पीढ़ी के समझाबल की एह अशलील गाना के दुश प्रभाव हमानी के समाज आउर भाषा पर पड़ात बा
प्रदीप
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on February 10, 2011 at 3:51pm सत्येन्दर भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी
पहिले त हम रउवा के कोटि कोटि धन्यवाद देब की रउवा आवाज उठवनी जवन की एह घरी खातिर बहुत जरुरी हो गईल बा , आ ई एकदम असह्य हो गईल बा काहे की समाज के तथाकथित लोग ई कुल्हि के अंजाम दे रहल बा ।
आ हम ई कहब की राउर ई पहल आजु के नवहा लोगन खातिर प्रेरणास्रोत बनी आ लोग एह से सिखी की बिरोध कईल जा सकेला आ बिरोध कईला के बादे कुछ नीमन परिणाम मिली ।
आजु के समय मे लोगन खातिर ई फैशन हो गईल बा की देव देवता के नाव पे आपन कमी के छुपावल आपन घृणित चेहरा के छुपावल आ वोह खातिर भले उ लोग कुछुवो करो ।
जरुरी बा एह तरे आवाज उठावल आ उमेद बा की एकर परिणाम नीमन रही ।
बधाई के संगे संगे बहुत बहुत शुभकामना बा !
जय भोजपुरी
सत्येन्द्र भाई जी प्रणाम !
कौनो मुद्दा के उठावे खातिर, बहुत लोग तइयार रहेला, ओपर चर्चा खातिर ओसे ढेर लोग तइयार रहेला बाकी जब पहल के बात आवेला त लोग पाछे हट जाला .................. रउआ के बहुत-बहुत धन्यवाद । अइसे खुलेआम विरोध करे के पड़ी, सहे के पड़ी तब जाके अश्लीलता के खिलाफ बोललका आ सोचलका के धरातल मिली ।
धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।
Permalink Reply by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on February 10, 2011 at 6:18pm © 2012 Created by Admin.