Come, let's do something for Bhojpuri...
प्रणाम आ जय भोजपुरी
कोशिश करी कठिन से कठिन भोजपुरी शब्द , खांटी भोजपुरी शब्द देबे के आ ओह शब्दन के आवे वाला अगिला सद्स्य भोजपुरी मे ही एगो वाक्य ( लाईन ) बनईहन ।
नियम - शब्द अश्लील ना होखे के चाही , गारी वारी ना होखे के चाही आ जवन वाक्य बनी वोह मे भी अश्लीलता आ गारी गलौज ना होखे के चाही ।
शब्द बा
अईंठल
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on January 19, 2011 at 12:53pm
Permalink Reply by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on January 19, 2011 at 1:01pm
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on January 19, 2011 at 1:38pm का जाने काहे उंघाई बरत बा ?
का हो बाबु काहे उंघात बाड?
तनि उंघाईल रहनी हा ।
लभेराह
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on January 19, 2011 at 8:30pm इ लभेराह ,आ लबराह दुनो एके चीज हवे की दुसर दुसर .............?????
एही से असमंजस बा !
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on January 19, 2011 at 8:32pm दुनो दु गो चीझु ह :-)
लभेराह - जेकरा खाये के सहुर ना होखे ( लभेर लेहलस मय मुहवा देहिया मे )
लबराह - जेकरा बोले के सहुर ना होखे ( का बीच मे लबर लबर करत बाडे )
क्रिया से संज्ञा बन रहल बा !
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on January 19, 2011 at 8:56pm जी जी उहे लभेरल से हमहू लेत रही, लेकिन सोचनी कि फरिया लेवे में का जाता ..........हा हा हा हा
सही बा .......
अगिलका शब्द ..........दिरईची
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on January 19, 2011 at 10:05pm हमरा नईखे मालुम जी " दिरईची "
एकर माने का होला ?
Permalink Reply by Brij Kishor Tiwari on January 19, 2011 at 10:23pm
दिरईचिया खोलs जी ....बिहान हो गईल ,तनी हवा - बयार आवो
हो सकेला, शायद इ खाटी भोजपुरी शब्द ना होखो तबे रउवा मालूम नईखे ..........
इ हमनी ओरी (पलामू ) में प्रयोग होला
दिरईची ......माने खिड़की ,जंगला
अगिला ....दियरखा
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on January 19, 2011 at 10:29pm दरईचिया - रोशनदान , मुकि ( असल मे खपडा के घर मे मुकि होत रहल हा ) पाका के घर मे रोशनदान ( उर्दु हवे शायद )
Permalink Reply by नवीन भोजपुरिया ( NB ) on January 19, 2011 at 10:38pm दियरखा , मुकि , रोशनदान ( जंगला ) तीनो तीन गो चीझु ह !
अब दियरईचा कवना चीझु के कहल जाला ई बृज भाई फाईनल करस !
© 2012 Created by Admin.