JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

ठाकरे के बाद अब यूनियन बैंक कइलस यूपी-बिहार से भेदभाव

जालंधर। अपना देश में एक बेर फेर यूपी-बिहार के मजदूरन के पराया घोषित कइल गइल बाटे, अउर अबकी बेर ई काम राज ठाकरे आ पी. चिदंबरम नियन नेता ना, बल्कि एगो सरकारी बैंक कइले बाटे। एही देश के सरकार के अधीन चल रहल एगो बैंक यूपी-बिहार का लोगन से जवन व्यावहार कइले बा, ऊ पूरा मानवता के कलंकित करे वाला बाटे। चूंकि मजदुरी करे वाला लोगन के कपडा गंदा रहेला, ओह से यूनियन बैंक पूरा हफ्ता में ओह लोगन के खाली एक दिन बैंक आये के इजाजत देला।

 

उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला के निवासी उदय कुमार मंगलवार के जब अपना फैक्ट्री से बस्ती-नौ स्थित यूनियन बैंक में पइसा जमा करावे गइलन, त बैंक के स्टाफ उनका से पइसा लेवे से इंकार कइ देहलस। ओकरा बाद ऊ अपना फैक्ट्री के मालिक के फोन कइ के बतवलन कि बैंक वाला लोग पइसा नइखे लेत। ई जनला के बाद जब फैक्ट्री के मालिक रविंदर गोरा बैंक में पहुंचलन, त बैंक मैनेजर उनका से कहलस कि उत्तर प्रदेश अउर बिहार के लोगन खातिर बैंक हफ्ता में एक दिन तय कइले बाटे, अउर ऊ लोग खाली ओही दिने पइसा जमा करवा सकेला। अउर एकर कारण ई बा कि मजदूर लोग बहुत ज्यादा संख्या में आयेला, अउर ओह से बैंक में साफ-सुथरा कपडा पहिन के आये वालन के परेशानी होला।

 

अइसन नइखे कि ई घटना खाली उदय का संगे भइल, बल्कि राम चंदर अउर संतोष का संगे भी इहे भइल। ई दोसर बात बा कि रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के एह तरह के कवनो नोटीफिकेशन नइखे। लेकिन तबो बैंक मैनेजर तरसेम जैन एह बात के पुष्टि कइलन, अउर रविंदर गोरा से इहो कहलन कि अगर पइसा जमा कराये के बा, त रउआ कर सकेनी, लेकिन मजदूर ना।

 

एह संबंध में जब बैंक के जोनल प्रबंधक जेएस सोढ़ी से बात कइल गइल, त ऊ कहलन कि अइसन नियम खाली एही वजह से बनावल गइल बाटे, ताकि बैंक के बाकी ग्राहकन के कवनो दिक्कत ना होखे। एहिजा बैंक के दस गो शाखा बा, अउर हफ्ता में एक दिन वाला नियम सबमें निर्धारित बाटे। मजदूर कवनो शाखा में जाके तय दिन पर पइसा जमा करवा सकेला। एहिजा आश्चर्य के बात ई बा कि मजदूरन के हफ्ता में एक दिन अउर महीना में खाली चार दिन के सेवा देवे के जेएस सोढी ठीक मानत बाडन। उनकर कहनाम बा कि अइसन कइ के ऊ लोग मजदूरन के बेहतर सेवा देवे के कोशिश कइले बा लोग। एहिजा मजेदार बात ई बा, कि अइसन तब होखता, जब कि पंजाब में मजदूरन के लगातार कमी हो रहल बाटे, अउर मजदूरन के कमी के बात ओहिजा के उप-मुख्यमंत्री तक सकार चुकल बाडन।

 

एह मामला के खबर पटना पहुंचते साथ आपन लोगन का संगे हो रहल भेद-भाव के मुद्दा पर पर कुल्ह राजनितिक दल एक हो गइले सन। जद-यू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह बैंक अफसरन के एह व्यवहार के भ‌र्त्सना करत एकरा के बिहार-उत्तर प्रदेश ही ना, बल्कि पूरा देश के अपमान करार दिहलन। प्रदेश कांग्रेस के मुख्य प्रवक्ता प्रेमचंद्र मिश्रा एकरा के आपराधिक कृत्य बतावत एह मामला के वित्तमंत्री का लगे उठाये के बात कहलन। भाजपा के बिहार प्रदेश अध्यक्ष डा. सीपी ठाकुर एह घटना पर खिसिया गइलन, अउर वित्त मंत्री से एह प्रकरण में हस्तक्षेप कइ के यथाशीघ्र कार्रवाई के मांग कइलन। ओहिजे, राष्ट्रीय जनता दल एकरा के संविधान से मिलल नागरिकन के मूल अधिकारन के हनन बतवलस। एह मामला के खुलासा के बाद पंजाब सरकार के कुछ मंत्री लोग भी एह मजदूरन के पक्ष में खडा होके बैंक अधिकारियन पर कारवाई के बात करता।

 

एहिजा ई बतावल जरुरी बा कि भारतीय रिजर्व बैंक कुल्ह राष्ट्रीयकृत बैंकन के ई निर्देश देले बा कि बैंक में ग्राहकन के संख्या बढ़ाये खातिर गरीब से गरीब लोगन के भी जोड़ल जाए। लेकिन यूनियन बैंक के ई रवैया रहल त का आम लोग बैंक से जुड़ पाई? का यूनियन बैंक के एह तुगलकी फरमान के से ई नइखे साबित होत कि एह देश में ही कुछ लोग हमनी के दोयम दर्जा के नागरिक मानेला? का केन्द्र सरकार के जबाबदेही नइखे बनत कि एह मामला में कार्यवाही करो, अउर अइसन भेदभाव राखे वाला बैंक अधिकारियन के बर्खास्त करो? सरकार के एह मामला में तुरंत दिशा-निर्देश जारी करे के चाहीं, ताकि अपना देश में केहु हमनी के पराया माने के हिम्मत ना कर सको। (भोजपुरिया डॉट कॉम)

 

Views: 28

Replies are closed for this discussion.

Replies to This Discussion


युनियन बैँक के अधिकारी पंजाब के जालन्धर मे यु पी, बिहार के मजदुरो के साथ दुर्व्यहार कर् रहे है । 

Reply

birjubirjuiwss

to cbsnarimanpoint
show details 9:49 PM (3 minutes ago)
महोदय / महोदया 

बहुत ही दुःख के साथ कहना पड रहा है की युनियन बैँक के अधिकारी पंजाब के जालन्धर मे यु पी बिहार के मजदुरो के साथ दुर्व्यहार कर् रहे है । 

महोदय / महोदया , जानकारी के लिये हम बताना चाहते है की काफी संख्या मे यु पी बिहार के मजदुर पंजाब मे कार्य कर रहे है और वो लोग समय के हिसाब से जरुरत के अनुसार अपने अपने घर पे पैसा भेजने के लिये आपके बैंक की सहायता लेते है लेकिन पिछले कुछ महिनो से आपके जालन्धर शाखा मे एक तुगलकी फरमान जारी किया गया है जिसके अनुसार मजदुरो के लिये हफ्ते मे केवल एक दिन है जिस दिन वो आ के अपना पैसा जमा कर सकते है या अपने घर को भेज सकते है । 

महोदय / महोदया , इसका कारण यह बताया गया है की उनके कपडे गँदे है जिससे अन्य ग्राहको को तकलीफ होती है । 

श्रीमान जी / श्रीमती जी क्या आप को ऐसा नही लग रहा है यह व्यवहार ठीक उसी तरह का है जैसा अंग्रेजो के समय , जब भारत गुलाम था तो अंग्रेज भारतीयो के साथ करते थे ? 

हमे उम्मीद है की युनियन बैंक अपनी प्रतिष्ठा का ख्याल रखते हुए दोषी अधिकारियो के खिलाफ कडी से कडी कारवाई करेगा और साथ मे अपने पुरी शाखाओ मे यह दिशा निर्देश भी देगा की ऐसी गलती दुबारा न हो । 

भारत की एकता , अखंडता , सम्प्रुभता के लिये युनियन बैंक के मैनेजमेंट को त्वरित कारवाई करनी चाहिये । 

सादर 

बृज  किशोर  तिवारी  

इ घटना बतावत बा कि आजाद भारत में भी ब्रिटिश साम्राज्यवादी मानसिकता वाला अप्रासंगिक लोग भारत में भारत के व्यवस्था के प्रभावित करेवाला ओह्दन पर विराजमान बा | ऐसन लोगन   के गर्दनिया पास लगा के एह तंत्र से निकाल के फेंक देबे के चाहीं | विरोध आरम्भ हो गइल बा ,एकर असर त आपन रंग देखैबे करी |
हमहूँ आपन विरोध दर्ज करा देले बानी |
जय भोजपुरी  

प्रणाम आ जय भोजपुरी,

 

बैंक के ई-मेल अउर चिठ्ठी भेज के विरोध दर्ज कराये के एह अभियान के जेतना भी सराहना कइल जाव, कम बा। अउर एह अभियान के शुरुआत खातिर हम सत्येन्द्र भाई, अउर बाकी लोगन के धन्यवाद दिहल चाहेब। हम भी अभी एगो चिठ्ठी भेजले बानी, जवन कि एहिजा देखल जा सकेला। हमरा आशा ही ना, बल्कि पूरा भरोसा बा कि यूनियन बैंक प्रबंधन हमनी के चिठ्ठी पर ध्यान दी।

 

में अपने भाइयो से अनुरोध करता हु की सब भाई मिल कर इसका विरोध करे और बैंक के सामने धरना दे ..बैंक ने ये निर्णय क्यों लिया इसका जवाब मांगे ..उनसे पूछे हम किससे कम है...बैंक ऐसा नहीं कर सकता .वे मनमानी करते है क्योकि हम इसका विरोध नहीं करते ...हमें मिल कर बैंक पर हमला कर देना चाहिए .. ऐसा कुछ करे की वे हमसे डरने लगे ..हमें एकता की जरुरत है ... धन्यवाद .....

e joun bhail ba e bat to bada galat ba.e baat hamar mukh mantri ji ke  nitish babu ke samajhal  jaroori ba, sirf hamani ke  pratadana naekhe  e pura  up  aur bihari bhai ke ba. .rahal baat  union bank ke ta  hamar sabhi bihari bhai aur bahan se  request  ba ki union bank se aapan pura  a/c  band kara  lihal ja.

 

 

                                                      phool sagar

Bhojpuri Vikas Samiti Nagpur requesting his all member to close his account from Union Bank. Here Bhojpuri vikas samiti request all Bihari &  U.P. people to close their account in all over India.     From  Dr. J.L.Giri

डाक्टर साहेब भोजपुरिया प्रणाम

 

राउर निवेदन अगर भोजपुरी मे रहित त शायद ढेर लोग आपन एकाउंट बन कई लिहित ।

 

परनाम आ जय भोजपुरी

Navin Bhai , Hum pura Blog na padh paini haan , lekin etna bataib ki ka jawan problem rahe jalandhar me

union bank wala okar kauno solution nikalal ki na ...

hum raur reply ke intejar karat bani .. , i sab waqya se dil dimag duno hila ke rakh dewela ki , humni ke aisan hey dristi se dekhal jala ...

 

 

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service