JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

"एगो पाती अपना माटी के नावे" जीरादेई के लोगन खातिर राउर सन्देश !

जय भोजपुरी परिवार के सदस्य के द्वारा आयोजित पहिला "भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन" 5 दिसम्बर के देशरत्न अउर स्वतंत्र भारत के पहिला राष्ट्रपति बाबु राजेन्द्र प्रसाद जी के गांवे जीरादेई (सिवान) मे होखे जा रहल बा, जहँवा भोजपुरी भाषा, भोजपुरी क्षेत्र आ भोजपुरिया लोगन से प्यार करे वाला सब केहु आमंत्रित बा।

आजु भोजपुरिया लोग देश विदेश मे जा के बसल बा आ जे जय भोजपुरी से जुडल बा आ जेकरा अपना माटी से अपना भाषा से अपना लोगन के बहुत लगाव बा लेकिन कवनो कारण से एह सम्मेलन मे नईखे आ पावत, त एह के देखला के बाद जय भोजपुरी डाट काम के माध्यम से एगो ई पहल  "एगो पाती अपना माटी के नावे" के नाव से शुरु कईल जा रहल बा जवना मे रवुआ सभ अपना माटी, अपना भाषा आ अपना क्षेत्र के लोगन के खातिर आपन बिचार दे सकी ला आ
राउर सन्देश के एह कार्यक्रम मे पढी के सुनावल जाई ।

सन्देश खातिर कुछ दिशा - निर्देश

1- सन्देश ज्यादा से ज्यादा 100 शब्द मे होखे, 100 गो से बेसी ना।
2- सन्देश भोजपुरी भाषा मे लिखल होखे।
3- सन्देश 1 दिसम्बर से पहिले पहिले एह फोरम के माध्यम से पोस्ट होखे के चाही।

आपन नेह -छोह , आपन दुलार
भोजपुरियन मे बांटी आपन प्यार

जय भोजपुरी, चली जीरादेई...

Tags: bhojpuri, jaibhojpuri, jiradai, massage

Views: 32

Replies are closed for this discussion.

Replies to This Discussion

Jaibhojpuri.com ke tarf se bhojpuria pariwar khatir bahut hi sarahniya kadam ba.. hum umeed kab ki jada se jada log apna vichar ke Jira dai tk pahuchai....

Jai bhojpuri.. chali jira dai..
टीम एडमिन जी

बहुत ही नीमन पहल आ एह से लोगन के आत्मा के जीरादेई से लोगन के विचार के जीरादेई से जुडे के मोका मिली ।

हम त चुकि आवत बानी एह से हम ओजुगा खुदे कही देब आपन बात जीरादेई के लोगन से वोह माटी से बाकी जे नईखे आवत उहो आपन बात कहो ।

बधाई एह शुरुवात खातिर ।

जय भोजपुरी चला जीरादेई
"प्रणाम' आ "जय भोजपुरी"सभे श्रधेय जन और भाई बहिन ,लोग के ......
सबसे पाहिले आदरणीय श्री 'डॉक्टर राजेंदर प्रसाद'जी के जनम स्थली जीरादेई के माटी के हमार नमन बा .....
जय भोजपुरी के "दिल्ली मीट" अउर स्थापना दिवस के सफलता पूर्वक आयोजन भईला के बाद अब आपन माटी 'जीरादेई 'में भोजपुरी मिलन समारोह होखे जात बा .ई बात के हार्दिक ख़ुशी और शुभकामना बा...लेकिन ओकरे साथ साथ ई दुःख भी बा की हम ओह कार्यक्रम में न आ पाईब ....
कबो कबो पारिवारिक दाईत्व की पूर्ति करल ज्यादा जरुरी हो जाला....... लेकिन भविष्य में ऐसन समारोह में भाग ली एकर हम पुरजोर कोशिश करब ....
हमार सन्देश इहे बा की जवन उदेश्य खातिर ई समारोह होता उ आपन लक्ष्य तक जरुर पहुँचो .और सफल होखो
.आज भोजपुरी समाज के एकजुटता,भाषा के मान और सम्मान ,खातिर मजबूत और लम्बा संघर्ष के जरुरत बा .हर एक के स्तर पर ....और ई समारोह ई दिशा में एगो 'मील के पत्थर, साबित होई ....,...........
कवनो काम के सगुन खातिर गावे सुनले रही एगो गीत "
"नारी सुहागिन जल भर लावे,
दही मछरी जे सन्मुख आवे
सन्मुख धेनु पियावे बाछा
इहे सगुन हा समझ ले आछा
"
भोजपुरी समाज के ई चित्रण हर जगह उपलब्ध बा ,सगुन जरुरे नीक होई !
जय हिंद,जय भारत,जय भोजपुरी
बधाई और शुभकामना के साथ
सरोज
जीरा देई क्षेत्र आ परिक्षेत्र से जुड़ल लोगन के सादर प्रणाम !
रउआ सबके साथी, जवारी, शुभचिन्तक आ भोजपुरिया समाज से जुड़ल लोगन के जमावड़ा होखे वाला बा, राजेन्दर बाबू के पावन जन्म-भूमि पर 5 तारीख के लागे वाला भोजपुरिया मेला सफल हो , एही प्रार्थना आ पहुँचला के उत्सुकता के साथ अपना बाति के विराम देत बानी शेष मिलला पे ।
जय भोजपुरी ।
जय भोजपुरी के सब सदस्य लोगन के बधाई केहू कारन बस हम एह समेलन में संभवतः ना जुट पाईं, हमार सब सदस्य आ स्थानीय लोगन से निहोरा बा कि ज्यादा से ज्यादा संख्या में पधारी जा और आयोजन के सफल बनायीं जा, हमार सन्देश इ बा कि बहुत सारा आन्दोलन के सुरुवात भोजपुरिया माटी से भईल बा आ एह बेर हमनी के शेत्र और भाषा जवन सरकारी उपेक्षा के शिकार बा ओकरा के केहू तरे पावे के बा इहे सन्देश और निहोरा बा सब लोगन से

बहुत बहुत शुभकामना और बधाई

जय भोजपुरी, जिया भोजपुरी, चली जीरादेई
Sabse pahile aapana Bhojpuriya parivar ke hamara taraf se dher sara subhkamana aur badhai bate aur agar kawano karan vash hum na pahunch pain ta rawuwan sab se ihe nihora ba ki jyada se jyada tadat me pahunch ke eh prayojan ke safal banain sabhe.

Hamar subhkamana ba ki 'डॉक्टर राजेंदर प्रसाद'जी ke eh mahan dharti se Bhojpuriya samaj ke awaaj desh ke kona kona me pahunche aur haman ke apna maksad me kamyabi mile.


Jay Hind aa Jay bhojpuri.
bahut bahut shubhkamna ba admin ji.....raaur e prayas safal rahe e kamna ba..aur prarthna bhi ....

jaibhojpuri
अपने माटी खातिर अपने भाषा के विकास बहुत ज़रूरी बा और एकरे खातिर हमहं के एक जुट होके काम करे के पर्डी
Hamra taraf se bahut bahut shubhkamna
Ham t ehe kahab ki bahut accha prayas bate ori safalta ke or badaht bate
Ham ye beri ta naa aapawani hai lekin agla bar jarour aaib

jaibhojpuri
Hamra taraf se bahut bahut shubhkamna
Ham t ehe kahab ki bahut accha prayas bate ori safalta ke or badaht bate ..
Ham ye beri ta naa aapawani hai lekin agla bar jarour aaib

jaibhojpuri
टीम एडमिन जी

बहुत ही नीमन पहल आ एह से लोगन के आत्मा के जीरादेई से लोगन के विचार के जीरादेई से जुडे के मोका मिली ।

हम त चुकि आवत बानी एह से हम ओजुगा खुदे कही देब आपन बात जीरादेई के लोगन से वोह माटी से बाकी जे नईखे आवत उहो आपन बात कहो ।

बधाई एह शुरुवात खातिर ।

जय भोजपुरी .
hamar naam MADHUKANT PANDEY hawe hamar ghar jamapur ba. hamar babuji ke naam SHRI RADHE SHYAM PANDEY aur mai ke nam SHRIMATI VINDA DEVI hawe.ham aapan paati jiradei kshetra se judal logan khatir likhat bani. hamara ye baat ke bahut afsos ba ki hum e karyakram me na aa sakeni lekin hamar shubhkamana rauwa log ke sange bawe. hum abhi bangalore me bani. ehi saal aapan engineering paas kaile bani. iha alag alag bhasha sune ke milela. jab kehu ke bhojpuri bolal suneni ta hiyara juda jala aa man karela ki khoob batiaiti. hamhu khoob bhojpuri me hi baatchit kareni. etna niman karyakram ke suruat ka ke BHOJPURIA DOT COM bahut hi nek kam kar rahal ba.
aisan samay aa gail baa ki bholpuri bole wala ke log ganwar samjhe lagal ba. ekar vajah ba ki bhojpuria log garib hola. aamiran ke bhasa ke sabhe niman kahela. AAJ HUM RAUWA LOGAN KE AAMANTRIT KARAT TANI KUCH AISAN KAIL JAW TAKI GARIB LOG KE SAHYOG HO SAKO.
hum bas etne chaha tani ki je log bhi bahara padhe chahe kamaye ja ta , aapana BHOJPURI BHASA ke hamni logan ke na bhulai ja. agar hamaniye logan e bhasha ke bhula jayeb ta aawe wala samay me hamni ke baal bachha ke e bhasha ke sikhai. angreji bhasa jaroori ba pet khatir SANSKAR KHATIR NA.

ant me ek hi baat kahab ki " AAPAN NEH CHHOH, AAPAN DULAR BHOJPURIAN ME BAATI AAPAN PYAR "

JAI BHOJPURI

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service