JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

सब केहु के प्रणाम,

नवीन भाई के कई गो डिस्कसन  चलता...ओहिसे प्रेरित होके ई ईगो नया डिस्कसन के शुरूवात करत बानी..

शब्द एके गो, लेकिन ओकर उपयोग से कई गो अर्थ निकल जाला...


जैसे:बनल- का हो एकदम बनले बाड़ (एहकर प्रोयग कहुके कमी बतावे खातिर हो रहाल बा) लेकिन..भिंडी के तरकारी बनल बा.

आइसही कaवनो औरि शब्द रौवा सभे के ध्यान आवत होखे त लिखत ज़ाइं....ह ई ध्यान दहला के ज़रूरत बा की अश्लील भा आइसन कवनो वाक़य भा शब्द ना होखे जवना से कहु के कवनो तकलीफ़ पहुँचट होखे..ध्यान रखम की एडमिन जी क नज़र भी चौबीसो घंटा रहेला....


जय भोजपुरी

Views: 151

Reply to This

Replies to This Discussion

बढ़िया शुरुआत बा आशुतोश भाई .....
"झारल " - 1 - बार झारल, 2 - भूत झारल, 3 - जा झार के ..............
जय भोजपुरी ।
आशुतोष भाई प्रणाम आ जय भोजपुरी

एगो नीमन शुरुवात आ बुझात बा हमनी के भोजपुरी के मय शब्दन के एहि तरे धई लेब जा !


हमार शब्द बा " नीमन "

खाना नीमन
चेहरा नीमन
कवनो काम नीमन

माने सब नीमने बा जी जय भोजपुरी पे

जय भोजपुरी
आज्ञा - विजय - ( आम तौर पे आज्ञा माने आदेश आ विजय माने जीत होला बाकी गाँव-देहात मे, एकर इस्तेमाल सामूहिक भोज के निमन्त्रण खातिर भी कइल जाला । )
अईगा बीजे नु होला अनुप भाई !

लेकिन रउवा पोस्ट के बाद हमरा लिंक बुझात बा दुनो मे !
लमहर---माने लंबा ( हमर बेटवा उनकर बेटवा ले लमहर बा उनकर बेटवा त नाट बा)

लमहर (व्यक्तित्व में भा प्रभाव में बड़ा)---आरे उ नटुरा बहुत लमहर आदमी हौवन.
सुखल

सुखल माने कवनो चीज ( फल फुल खाये खात्रि बनल समान ) सुख गईल त कहल जाला

सुखल माने जमीन सुखल बिया भी कहल जाला

आ कवनो बबुवा बबुनी के देहि एक दम पातर होखे तबो कहल जाला ।

आ सुखल कई लोगन के नाव भी परि जाला

सब मिला के सुखल संठ भी कहल जाला जब जेब मे कुछ पईसा ना रहेला ।
हजामत---बाल बनवावे के कहल जाला----हेतना लमहर झोंटा हो गईल बा जा हजामत बनवा ल...

हजामत---सजा के तौर पर भी प्रयुक्त होला---आवे द घरे इनकर हजामत बनावत बानी आज..
बहुते बढ़िया धागा
बनवले बानी आशुतोष जी ....
हमके बहुत नीक नीक जानकारी मिळत बा इई से !
धन्यवाद्!
लाल---(लाल रंग)--लाल मीर्चाई
लाल--(धनी, संपन्न)-कॉमनवेल्थ गेम से कालमाडी लाल हो गयिलन.

लाल--(बेटा के भी कहल जाला, ख़ासकर के जब उनकर बड़ाई होत होखे)-- बड़ा नाम कमइले बाडन राउर लाल.
पियरी....(रंग के कहल जाला )---पियरी धोतिया देब...
पियरी...(जवनडीस के भी कहल जाला ) इनका पियरी ढ लेहले बा..
करेजा

करेजा शरीर के एगो अंग

करेजा माने केहु एक दम खास होखे
हरिहर....रंग के भी कहल जाला
हरिहर ..प्रसन्नता भा सम्पन्नता के भी कहल जाला..एकदम हरिहर बानी भाई..
हरिहर...नाम भी ह

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service