JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

प्रणाम आ जय भोजपुरी

हम कई जगह देखनी हा की एगो नीमन खेल चलत बा माने अंताक्षरी टाईप के । हिन्दी अंग्रेजी मे त कई जगह चलि रहल बा बस ओइसही भोजपुरी मे भी ई शब्द अंताक्षरी खेलल जाउ ।

नियम - बस कुछ खास नियम नईखे , असल मे जवन शब्द पहिले लिखाईल बा वोह के अंतिम अक्षर से ( मात्रा के संगे भा खाली अक्षर से भी ) अगिला शब्द लिखे के बा ।

जईसे -

माई अगर हम लिखनी त आगे वाला के ई लेबे के बा आ ओकर जवाब रही " ईमिली "

शब्द कईसनो रहि सके ला बस अश्लील ना होखे के चाही , भले उ गाँव के नाव होखे , शहर के नाव भा कवनो अईसन शब्द जवन भोजपुरी मे चलत होखे ।


हमार शब्द बा

भोजपुरी

( एजुगा " र " भा " री " से अगिला शब्द लिखल जा सकेला ) भा ( " र " री " ना त " ई " से भी लिखल जा सकेला )

मतलब वोह अक्षर से आ ना त वोह के अंत मे आवे वाला मात्रा से !


जय भोजपुरी आ धन्यवाद

Tags: अंताक्षरी, भोजपुरी, शब्द

Views: 75

Reply to This

Replies to This Discussion

भाई जी प्रणाम बा.... हम "र" से गा रहल बनी..
रउरा आ गईनी,बड़ी दया कईनी....रउरा आईला से मनवा जुदा गईल बा...मन फुला गयीलबा.(यी गीत देवी गायिका के एल्बम से हुये.)

जय भोजपुरी...... आब अप्लोगन के "बी" पे गावे के बटे
विकास भाई गीत नईखे लिखे के शब्द लिखे के बा ।

जईसे हम शब्द देले रहनी हा " भोजपुरी "

त " र " भा " री " से अगिला शब्द लिखे के बा

आ वोह शब्द के अंतिम अक्षर से अगिला शब्द

अब जईसे " र " से होई " रबर"

चुकि अंत मे फेरु " र " आईल बा त अगिला शब्द बनी " र " से
भाई जी ........... हम ता सोचनी हा की पूरा गीत ही लिख दिही.......:))

र :- रउवा.....
आगे आप लोगन के "व " पे लिखे के पड़ी.....

जय भोजपुरिया..
वईसे


अगिला शब्द " स " भा " से "
सेवक

अगिला शब्द " क "
कुकुर


अगिला " र "
रूसल


अगिला "ल" से
करू तेल
Bhaiya hamni kiha Sarso ke tel ke karu tel kahal jala..........
Agila Aakshar "
ललरि........ (गाय के गर्दन के नीचे जवान चमड़ा झुलल रहेला वोही के बोलाल जला.)



अगिला "र" से
रसदार ........ (आलुदमवा तनी आउर रसदार चाहत रहे ,सरकार )

फेरु "र" से
राजइीशी (राजइीशी ठाठ....... राजा जैसन ब्यावाष्ता )


अगिला "श"
शुकशुकाह


अगिला " ह "

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service