JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

जय भोजपुरी परिवार के जीरादेई सम्मेलन : कार्यक्रम के रुपरेखा

प्रणाम आ जय भोजपुरी,

जय भोजपुरी डॉट कॉम के पहिला स्थापना दिवस समारोह के तुरंत बाद वेबसाइट के कुछ वरिष्ठ सदस्य लोग मिल के भोजपुरिया माटी के लाल डा. राजेन्द्र प्रसाद के जन्मभूमि जीरादेई (सिवान) पर उनुका जन्मदिन के आसपास एगो विशाल समारोह के कल्पना कइल। एगो छोट ख्वाब जवन कि एहिजा हमनी के चौपाल में शुरु भइल, ओकरा के मूर्त रुप देवे खातिर हमनी के वरिष्ठ सदस्य श्री संजय कुमार सिंह जी "आईं, चलल जाव जीरादेई..." नाम से एगो डिस्कशन शुरु कइले रहनी, जवना पर काफी लोगन के उत्साहवर्द्धक सुझाव आइल।

ओही सुझाव के आधार पर कार्यक्रम के एगो रुपरेखा बनावल गइल बाटे, जवन कि निचे दिहल जा रहल बा:

कार्यक्रम के तारीख : 5 दिसम्बर 2010

दिन में 12:00 बजे - कार्यक्रम के उदघाटन
1:00 से 2:00 बजे - बतकही (विषय: "देशरत्न के भाषा आ माटी के उपेक्षा काहें?")
नया पीढी के भोजपुरी बोले खातिर उत्साहित करे के उद्देश्य से एह बतकही में कुछ बुद्धिजीवी लोगन के अलावा सिवान स्थित सभ स्कूल-कॉलेज के विधार्थियन के भागीदारी रही।
2:00 से 4:00 बजे - कवि सम्मलेन अउर अलंकरण समारोह
4:30 से कार्यक्रम के अंत ले - सांस्कृतिक कार्यक्रम
(प्रसिद्ध भोजपुरी लोकगायकन अउर स्थानीय कलाकारन द्वारा)

एक कार्यक्रम के बाद बाहर से ओहिजा आ रहल सदस्यन खातिर रात्रि-विश्राम के व्यवस्था रही. एह कार्यक्रम के संयोजक श्री संजय जी बानी, आ कार्यक्रम शुरु भइला के 3-4 दिन पहिले से हमनी के एगो आयोजन समिति जीरादेई में कैम्प करी, आ बाकी सदस्यन के ओह लोगन के फोन नम्बर उपलब्ध करा दिहल जाई। कार्यक्रम के संबंध में राउर विचार/सुझाव आमंत्रित बा।

एह से संबंधित पुरान डिस्कशन एहिजा देखल जा सकेला:
आईं, चलल जाव जीरादेई...

हमनी के प्रयास बा कि जीरादेई में होखे जा रहल ई कार्यक्रम भोजपुरी भाषा आ भोजपुरिया समाज खातिर मील के एगो पत्थर साबित होखे। हमनी का चाहब जा कि ज्यादा से ज्यादा संख्या में जय भोजपुरी परिवार के सदस्य लोग एह कार्यक्रम में शामिल होखो, आ एह ऐतिहासिक पल के साक्षी बनो। अपना गाँव में रहे वाला भाईयन के जोडला बिना हमनी के प्रयास सफल नइखे कहल जा सकत। हमनी का मिल के कोशिश कइल जाव ओह घर में एगो दिया जराये के, जहाँ सदियन से अँधेरा बा। ओह लोगन के जिनगी में कुछ खुशी के पल ले आवल जाव, जे हमनी के भाषा आ संस्कृति के अपना वास्तविक स्वरुप में सहेज के रखले बा।
 
आईं, भोजपुरी खातिर कुछ कइल जाव...
 

Tags: जीरादेई, सम्मेलन

Views: 28

Replies are closed for this discussion.

Replies to This Discussion

जय भोजपुरी admin jee ...
कार्यक्रम के रूपरेखा एकदम सटीक बा .............
हम एह कार्यक्रम के सफलता खातीर ,अपना के समर्पित करे के पूरा कोशिश करब ..........

राउर अपने
बृज किशोर तिवारी
bahut sundar ruprekha..... Agrim badhai aa subhkamna.............
अब ना त फेरु कबो ना ...

आ अब ना जुटनी जा त फेरु कब ?

जय भोजपुरी
Jai Bhojpuri
Admin JI

Bahut niman lagal ki rup rekha tay ho gayil ba , baki e se hamni ke fayda bhiel ki e husab se chutti le sakem , Dhaybad , raura ke


Raur apan ALok
Ham to na aa paib. school men kam kareleen aur school men pariksha chale la December men Siwan aaye ke lalach rahal huwan bahut puran dost, Mrs. Meena pathak raheleen Jinkar dulha Wakeel baran. Aur shukla tolee men shukla jee log hamaar rishtedar baran.
एडमिन जी प्रणाम,

कार्यक्रम बहुत ठीक बा. अब त बस ज़ीरादेई चले के तैयारी करे के बा...

जय भोजपुरी
जय हो.............जय हो

अब त बस उहे पल के इन्तेजार बा जब फेर से भोजपुरियन के मेला लागी

बहुत बहुत धन्यवाद कार्यक्रम के रूप रेखा खातिर

जय भोजपुरी, जय हो जीरादेई के मीट्टी, जय हो राजेंद्र जी के

jAI BHOJPURI
edmin ji jai bhojpuri |
bahut badhiya a satik ba raur ruprekha |
ham ta na samlit ho paem ,eh bat ke dukh ba hamara
lekin ham bhagwan se prarthna jarur karab ki hamani ke
i suruat safal hos | dhanyavad
jai bhojpuri
sanjay pandey
बस अब त सीधे चल दहला के काम बा



जय हो
एडमिन जी प्रणाम !
कार्यक्रम के सफलता के साथ ईश्वर से ईहे प्रार्थना रही कि, हमरी साथे कौनो बाधा न आवे आ हमहू शामिल हो सकीं ।
धन्यवाद आ जय भोजपुरी ।
Jai bhojpuri,
Admin Ji Namaskar,
Bahut achha raura sab ke plan ba,
Bhagwan se aur aapna bhjpuriya bhai log se hamar parathna ba ki karyakarm ke safal banyi.

Aur jahan tak hamara upasthti ke sawal ba, ho sake t, agar sab kuchh thik thak rahal t ham jarur upasthit rahab,
kahe ke November me hamra ghare jayeke ba. T ab e program me samil hokhe ke man ba.
Ham jarur aayeb.

Raure sab ke
Varun Kumar
Admin जी प्रणाम,

5 दिसम्बर के जीरादेई में होखे वाला कार्यक्रम के रूप रेखा बहुत बढ़िया बनल बा. हमार विश्वास बा की जादा से जादा भोजपुरिया लोग ओजुगा पहुची अउर एह कार्यक्रम के सफल बनाई.

जय भोजपुरी

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service