JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

पटना के नाम पाटलिपुत्रा होके !

जय भोजपुरी सबे के 
  आज हम एक बात पूछे के चाहत बनी जा , हम भारत के गांवो के देश 
" बिहार " में रहे नि जा . जाहा के संकृति और सभ्यता के पूरा दुनिया कायल बा , हम अगेर अपना बिहार के संकृति ,बोली -बाषा , सभ्यता के बखान करी ता ,केतना  पेज और दिन कम पर जायी इ ता रउरा भोजपुरिया लोगन जानत होकेम.
    आज हर राज्य अपना राज्य के पुराणिक नाम के प्रोग करत बा .
    ता कहे न 
   पटना - पाटलिपुत्रा हो जाये 
 रउरा लोगिन से निहुरा बा इ पे रउरा लोगिन विचार दी और अगेर इ विचार सही बा ता , उचित समय देख के अपना भोजपुरी .कॉम के मध्यम से इ के उठ वाल जाये  
  --- ALOK RANJAN MISHRA (BABA BIHARI)
        गोविन्दगंज , मोतिहारी   

Tags: पटना, पाटलिपुत्र, भोजपुरी

Views: 4

Reply to This

Replies to This Discussion

अलोक जी जय भोजपुरी

रौवा से निहोरा बा एह लेख के फॉण्ट स्माल कइला से संगे कुछ हल्का, चाहे कला रंग के उपयोग करी जेकरा से इ लेख पढला में कौनो दिक्कत ना होखे .

उम्मीद बा की राउर सहयोग बनल रही

admin
जैय भोजपुरी आलोक भाई
आलोक भाई देखी हम नाम मे भरोसा ना रखेले, नाम पट्ना होखे चाहे पाटलिपुत्रा कोनो फ़रक नईखे परता फ़रक परता येह से की उहा के लोग के सोच कईसन बा,
सब लोग के विचार देखल जाई की लोग क कहतारे

जैय भोजपुरी
आलोक जी प्रणाम आ जय भोजपुरी

कुछ दिन पहिले " बिहार " के नाव बदले के बात होत रहे ( और भी कुछ मुद्दा रहलन स वोह मे लेकिन नाव बदले के बात होत रहे ) एक हाली देख लेम - http://www.jaibhojpuri.com/forum/topics/3634233:Topic:86867


जहा तक राउर मुद्दा के बात बा त हम इहे कहब कि काथी काथी के नाव बदलल जाई ?

हिन्दी के नाव कि भारत के नाव ?

काहे कि एह दुनो के पीछे भी अजबे गजब बात बा ...

खैर , बहुत जगह बा जवना के नाव बदले के लोग कहत बा जईसे बनारस के काशी , बलिया के बलि क्षेत्र आदि इत्यादि
अवध के नाव भी खुब चल रहल बा साथ साथ और भी कई जगहन के नाव बदले के बात बा ... अंग प्रदेश , मगध जईसन नाव के चर्चा बा बिहार खातिर आदि इत्यादि ...

हम त इहे कहब की अगर नाव बदलला से भारत के , भारत के लोगन के भविष्य सुधर जात बा त फेरु कई हजार करोड खर्चा कई के बदल दिहल जाउ ...

बात मे दम बा , जहिया से मुम्बई भईल वोह दिन से उत्तर भारतीय लोगन के पिटाईल ढेर हो गईल
मद्रास चेन्नई भईल त ओजुगा विकास आ साफ सफाई के नाव पे कचडा आदि इत्यादि बढा दिहल गईल
बंगलोर बंगलरु भएले त अब ओजुगा के लोगन के रोड पे चले के जगहि नईखे मिलत ..

त शायद कुछ एजुगो हो जाउ ..

हमरा लागत बा की अगर मायवती आ जईहन आ बिहार के सी एम बनि जईहन त एजुगा भी कुछ हो जाई
कबीर नगर आजो खाये खातिर तरसत बा
रैदास नगर मे उद्योग दिन राति चौपट हो रहल बा
गौतम बुद्ध नगर मे रोज लईकी लुटात बाडी स आ मर्डर हो रहल बा
त सब मिला के बरियार प्रगति बा

नाव बदल देबे के चाही ..

जय भोजपुरी
जय भोजपुरी सबे के

ध्याबाद नवीन भैया और शशि जी , रउरा लोगिन जो विचार रखनी इ आती उत्तम बा, और बहुत अच्चा लागल रउरा लोगिन के विचार के पढ़ के , बाकि हम ता समझ गए नि , बाकि भगवन से प्राथना करें की , सारा भारत इ बात के समझी और बुझे .

--- ALOK
alok bhai ji parnam a jai bhojpuri |
bhai ji bat ta thik ba lekin ka nam badalala se logan ke soch badal jai ???
sayad na bahut chij ke nam badalal ba kavno farak naikhe padat ki nam ka ba ?
navin bhai ke udaharan sabse satik ba ?
baki log ke bhi vichr dekh li | dhanyavad
jai bhbojpuri
sanjay pandey
आलोक जी प्रणाम !
अगर रउरी प्रस्ताव पे मतदान के स्थिति बनी त हमार आपन एगो मत नाव बदलला के पक्ष मे रही , बाकी नवीन भाई जी के बात एकदम सही बा । केहू जगह भा स्थान के नाव बड़ा उम्मीद से धराला ...बाकी हश्र उहे ....बाप मुअलन अन्हारे , बेटा के नाव बैटरी ।
अलोक जी प्रणाम,

केहू महापुरूष के कहनाम बा की नाम में क्या रखा है?
त हमहूँ इहे कहें की नाम बदलला से कुछु ना होई, सोंच बदलल जरूरी बा.

जय भोजपुरी

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service