JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

आई कुछ भोंग्रेजी बोलल जाव..

प्रणाम आ जय भोजपुरी

हमनी के अपना रोजमर्रा के जिनगी में भोजपुरी के बहुत सारा ऐसन शब्द के इस्तेमाल करेनी जा .. जे अपना आप में अनूठा होला .. और ओकर इस्तेमाल भी हमनि के भरपूर  रूप से करल जाला..जइसे  ..
कनफुजीआइल ...थेथरोलाजी ..हाराशमेंनट.. ऐसन सैकड़ो शब्द हमनी के भोजपुरिया इलाका में अलग अलग तरीका से बोलल जाला ..

त आई हमनी के अपना अपना इलाका के बोलल जाये वाला अंग्रेजी + भोजपुरी शब्द
के नाव भोंग्रेजी दे के ओकरा के एकत्रित करे के प्रयास कैल जाव ..

Views: 12

Reply to This

Replies to This Discussion

bhojpuri + angreji

Bhojpuri + English = bhojlish hoi.. tani sune bole me tendh baa. ahise shayad........ mechchha se :D
प्रवीण भाई
जै भोजपुरी

बहुत बढ़िया विसय चुनले बानी. एगो किस्सा याद आवत बा.

हमरा गावे एगो बूढ़ी माई रहली. एक बार उनुकर तबीयत खराब हो गयील. जब दवाई करा के आईली ता लोग हाल पुच्छे ता उनुकर जवाब का रहे तनी ध्यान दी जा.

का कही ए बबुआ लोग जान जाइहा की हमार लत पेसार (ब्लडप्रेसर) बढ़ गाईल रहे आ उ दागडारवा (डॉक्टर) खरकोच (ग्लूकोस) के पानी चढ़ा डेलस
भोजपुरी भाषा आ भारतीय संस्कृति खातिर बहुत खतरनाक काम | कुछ विद्वान आ अनुभवी लोगन के पँजरा जाईं आ उहाँ सभके आशीर्वाद लिहीं | एहसे ज्यादा ना कहबि | रचनात्मकता के कई गो क्षेत्र बा,रउँवा में प्रतिभा आ ऊर्जा खूब बा,ओकर बेहतर इस्तेमाल करीं | पुनर्विचार जरूरी लागऽता | एह विषय पर विस्तार में हम अपना ब्लाग पर चर्चा करबि | -डा. रामरक्षा मिश्र विमल
रामरक्षा जी सादर प्रणाम आ जय भोजपुरी

रउवा बात से हम शत प्रतिशत सहमत बानी आ एह मे कवनो दु राय नईखी की अईसन शब्द जवना के भोंग्रेजी नाव दिहल बा उ भोजपुरी शब्दकोष खातिर भोजपुरी भाषा खातिर हानिकारक बा , ओइसही जईसे हिन्दी खातिर अंग्रेजी के मिलान हिंग्लिश बन गईल बा।


लेकिन आज जवना हिसाब से लोगन के आवाजाही बनी रहल बा एक जगह से दुसरा जगह पे वोह के देख के एह कुल के रोकल लगभग नामुमकिन बा । अब देखी पटना भा बिहार के हिन्दी बोले वाला लोगन के ... भोजपुरी + हिन्दी + मगही + अंगिका + मैथली = बिहारी बोली बोलेला लोग .. जवन अब पहचान बन गईल बा ।

ई हकीकत बा आ एह से हमनी के मुह ना मोड सकेनी जा ।

जहा तक सीखे के बात बा त बिल्कुल कुछ रचनात्मक चीजन के सीखे के चाही आ उ रचनात्मक चीज सकारात्मक , सही होखे के चाही , शायद रचना ओही के कहल जाला जवान नीमन होखे ।

बाकि एजुगा हमनी के जवन लिखले बानी जा उ सच्चाई बा बस वोह शब्दन के एक जगह बटोरल गईल बा और कुछ ना , आ वोह शब्दन के भोजपुरी भा हिन्दी शब्दकोष मे पर्याय नईखे लउकत आ जवन बा तवना के जानकारी कम से कम हमरा नईखे ।

चुकि रउवा एह साईट पे बानी एह से हम उमेद करत बानी की काफी कुछ सीखे आ जाने के मिली ।

धन्यवाद आ जय भोजपुरी
भाई नवीन जी ,
सादर प्रणाम आ जय भोजपुरी | शब्दन के रोकि पावल हमनी के बश में कहाँ बा ? आ, नया शब्दन के निर्माणे भाषा के जीवित रहला के प्रमाण हऽ | हमरा ओ' पर आपत्ति नइखे, हम चाहतानी कि हिंग्लिश,बंग्लिश आ भोंग्रेजी शब्दन से बँचल जाव | एह तीनों शब्दन में तुलनात्मक रूप से इंग्लिश आ अंग्रेजी शब्दन के शेषांश अधिक बा , जेकर ध्वन्यर्थ ई बा कि ई नवनिर्मित भाषा अंग्रेजी के बैशाखी पर चलेवाली बाड़ी सन | जहाँ तक हम जानतानी , हिंग्लिश आ बंग्लिश शब्दन के पहिल उपयोग बीबीसी रेडियो के द्वारा कइल गइल रहे | भोजपुरी भाषी लोग भी अपना भाषा आ धरती के कर्ज एहतरे चुकइहें , हमरा सोच से ई परे बा | हम कंप्यूटर पर से उठते रहनी हा कि राउर टिप्पणी देखनी हा , एहसे तत्काल जबाब जरूरी लागल हा | हम माफी चाहत एह बिषय पर अपना टिप्पणी के बिराम देतानी | हँ, हम ई जरूर चाहबि कि भोंग्रेजी का जगहा कवनो अइसन नाम दिहीं सभे जवन अपना भाषा आ देश के अभिमान के रक्षा कर सके | रउरा जइसन विद्वान आ जागरूक बुद्धिजीवी से हमरा बहुत उमेदि बा कि ए'पर पुनर्विचार होई |
क्षमायाचना सहित,
राउर
-रामरक्षा मिश्र विमल
रामरक्षा जी सादर प्रणाम आ जय भोजपुरी

हम राउर एक एक बात से सहमत बानी , आ हम निहोरा करब की एहि फोरम मे रउवा कुछ आपन विचार के राखी के कुछ उदाहरण के साथ एगो विषय के शुरुवात करी जहवा हमनी के खांटी भोजपुरी शब्दन के उपर वोह से जुडल चीजन पे आपन आपन विचार राखी जा ।

हमरा उमेद बा की वोह से बहुत लाभ मिली भोजपुरी साहित्य के आ भोजपुरिया लोगन के ।

विनम्र निवेदन के साथ बेसब्री से इंतेजार रही ।

सादर धन्यवाद
राउर आपने
भाई नवीन जी ,
सादर प्रणाम आ जय भोजपुरी |
धन्यवाद | हम जरूर कोशिश करबि |
राउर
-रामरक्षा मिश्र विमल
रामरक्षा जी, प्रणाम आ जय भोजपुरी,

सही कहनी ह रउआ कि शब्दन के रोक पावल केहु के बस में नइखे, आ एह तरह के शब्दन के प्रयोग भी लगातार होत रही। एहिजा कवनो फोरम पर हो रहल चर्चा से ई मान लिहल कि भोजपुरिया लोग ओह से आपन भाषा आ धरती के कर्ज उतार रहल बा, ई तनी जल्दबाजी भी कहाई, आ गलत भी। एहिजा इंटरनेट पर, जहँवा चहुँओर अंग्रेजी के बोलबाला बा, अगर करीब 8000 लोग (खाली एक साल में ई जय भोजपुरी के सदस्य संख्या हवे) बइठ के भोजपुरी के बात करता, भोजपुरिया लोगन के बारे में बात करता, त ओकरा के एगो सकारात्मक रुप में देखल जाये के चाहीं। ओह से भी खास बात ई बा कि एह में ज्यादातर ओह पीढी के लोग शामिल बा, जेकरा बारे में ई मानल जाला कि ओह लोगन के भोजपुरी बोले में लाज लागेला, लेकिन तबो ऊ लोग भोजपुरी देख के लजात नइखे, आ गर्व से "जय भोजपुरी" कहता।

अगर रउरा लगे भोजपुरी आ अंग्रेजी से मिल के बनल शब्दन खातिर कवनो अउर शब्द या नांव बा, त रउआ एहिजा लिखीं, आ लोगन के ओह पर चर्चा करे दीं। लेकिल खाली मात्र एगो शब्द का वजह से एहिजा मौजुद भोजपुरिया लोगन के निष्ठा पर प्रश्न उठावल गलत कहाई। अगर एह में कुछ भी गलत या बुरा लागल होखे त हम माफी चाहेब, वइसे हम भोजपुरी के साहित्यकार ना हईं, लेकिन भोजपुरी खातिर प्रेम हमरो दिल में शायद ओतने बा, जेतना रउरा दिल में होई...

राउरे आपन,
सुधीर कुमार
भाई सुधीर कुमार जी ,
धन्यवाद आ जय भोजपुरी |
sudhir bhai raura vichar se hum sahamat baani.

 Aged - (माने) - बूढ

 

लइकवा से लईकिय तनी एजेट (Aged)  बिया.

@ संजीव  जी

इ त अंग्रेजी हो गईल जी .......

हा हा हा हा हा हा हा .......

इहवा "भोंग्रेजी" लिखे के बा ...........     

 

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service