JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

आई कुछ भोंग्रेजी बोलल जाव..

प्रणाम आ जय भोजपुरी

हमनी के अपना रोजमर्रा के जिनगी में भोजपुरी के बहुत सारा ऐसन शब्द के इस्तेमाल करेनी जा .. जे अपना आप में अनूठा होला .. और ओकर इस्तेमाल भी हमनि के भरपूर  रूप से करल जाला..जइसे  ..
कनफुजीआइल ...थेथरोलाजी ..हाराशमेंनट.. ऐसन सैकड़ो शब्द हमनी के भोजपुरिया इलाका में अलग अलग तरीका से बोलल जाला ..

त आई हमनी के अपना अपना इलाका के बोलल जाये वाला अंग्रेजी + भोजपुरी शब्द
के नाव भोंग्रेजी दे के ओकरा के एकत्रित करे के प्रयास कैल जाव ..

Views: 12

Reply to This

Replies to This Discussion

सीडिया : जबकि सी डी अंग्रेजी शब्द ह
बल्गराहट: बल्गर शब्द से बना
थेथरोलाजी - जे थेथर होला आ हमेशा थेथर लेखा बात करेला , हा हा हा हा हा
टेंसनियात काहे बार भाई???

jAI BHOJPURI
वईसे बहुत बरियार विषय के शुरुवात कईनी आ हमरा उमेद बा की एह मे बहुत कुछ नया शब्द के जानकारी मिली ।

जय हो
माफ़ करिहा भाई
कमुटर ना...... कमपूटर

.
हमरा आजो याद बा की जब हम पहिला बार स्टेज पे गावे खातिर गइल रही त एक दम नरभसिया गइल रही ...

जय भोजपुरी
सईकिलिया

साईकिल कम लोग कहेला , सईकिलिया कहा बिया लोग ढेर कहेला

टी वी चालु कई द कम आ टिविया चालु कई द ढेर कहेला ..
Jai Bhojpuri praveen ji

e go word ba " Neare " ta ba
mane najdik
जीरादेई नियरे बा, बस सिवान लगे
जीरादेई टीशन से ३ किलोमीटर पड़ी राजेंदर बाबू के गाँव.
गाडी के रेदिवाटर लीक करता.
डेढ़ लाइट (डे लाइट ) ज़रा दिह भाई अब अन्हार हो गईल बा
वाह प्रवीण भाई .. जियरा एकदम ग्लैडिया गइल ..बहुत नीमन शुरुआत ... धन्यवाद ।
आप लोग तो हमारा " आईडेंटिटिये " खतम कर देंगे ...

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service