JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

कुछ भोजपुरी शब्द / समान जवन विलुप्त होखे के कगार पे बाडन स

प्रणाम आ जय भोजपुरी

जईसे की रउवा सब जानत बानी आज के आधुनिकता के समय मे लोगन के घर मे जहवा टीवी फ्रीज , मिक्सर ग्राईंडर जईसन चीज जगह ले रहल बा वोह के असर ई पडी रहल बा की जवन खाँटी भोजपुरिया समान भा जरुरत वाला चीज रहल हा उ धीरे धीरे विलुप्त हो रहल बा ।  आ ई खाली जरुरत वाला चीजन के ही ना बाल्कि औरी कई गो चीजन मे आपन असर देखा रहल बा ।

हमार एह विषय के शुरु करे के मकसद इहे बा की ओइसन  चीजन के बारे मे एक दुसरा के परिचय करावल जाउ जवना से हमनी के एह शब्दन के अपना आवे वाला पीढी के बता सकब जा आ जानकारी दे सकब जा ।

अगर केहु बतावल चीजन के चित्र भी पोस्ट करी त औरी नीमन रही । काहे की पता ना भविष्य मे एह चीजन के प्रयोग होई की ना ई चीज लउकी की ना ।


धन्यवाद आ जय भोजपुरी


Tags: कगार, कुछ, के, जवन, पे, बाडन, भोजपुरी, विलुप्त, शब्द, , More…होखे

Views: 211

Reply to This

Replies to This Discussion

इ ह डेहरी
बिल्कुल इहे डेहरी ह जवन आझु काल्हु देखे के बहुत कम मिलत बा ।

अब त टीना के ड्राम अईसनके आ गईल बा , जवना मे नीचे मुकी रहत बा आ उपर से पुरा खोले बन करे वाला बा ।

इ ह लेदीकाटा . . . कल भी कहल जाला

इ ह बेंरही
बेरही आ खोंप मे का अंतर बा जी ?

हमरा बुझात बा की टंटिया माटी से लेवरल बा .. बाकी मय चीझुईया त खोंपे नियन बा ।
बेरही के उपर से ढके वाला के खोंप कहल जाला ...उपर जवन पुआरा से बनल तिकोनिया बा उहे खोप ह . . .
कुटी काटना भी कहल जाला कलवा के भास्कर भाई !

नोहरनी

 

==

 

अब त भाई नेलकटर के जमाना बा , कुछ दिन ले पत्ती ( ब्लेड ) चलल रहे लेकिन अब पत्तियो के दिन दशा खराब हो गईल आ अब नेलकटर चलत बा । जिनगी व्यस्त बा एह से नोहरनी पे असर परी गईल ।

अब त उहो कम हो गईल बा जी ...........

दतवे काफी बा ............अकेल बैठल रही ............

आ कुतरावत रही ...........

जय हो ........

RSS

© 2012   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service