JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन - 3 दिस. 2011

Event Details

भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन - 3 दिस. 2011

Time: December 3, 2011 from 10am to 10pm
Location: प्रभा प्रकाश डिग्री कॉलेज , पंजवार, प्रखंड + थाना : रघुनाथपुर
City/Town: जिला : सिवान
Website or Map: http://www.jaibhojpuri.com
Phone: मोबाईल नम्बर : - 08084845565 ( ई संजय भाई के नमर ह आ कार्यक्रम के बारे मे जानकारी खाति एह नमर प सबेरे 6 बजे से 8 बजे ले आ सांझि खा 6 बजे से 8 बजे ले बात हो सकेला आ 1 तारीख से सबेरे 6 बजे से सांझि खा 8 बजे ले बात हो सकेला )
Event Type: भोजपुरी, के, आठवीं, अनुसूची, में, जगह, दिवावे, , सभ्यता-साहित्य-संस्कृति, बचावे, अभियान
Organized By: जय भोजपुरी परिवार
Latest Activity: Dec 3, 2011

Export to Outlook or iCal (.ics)

Event Description

 

 

सभे के स्वागत बा .............

 

मोबाईल नम्बर : - 08084845565 ( ई संजय भाई के नमर ह आ कार्यक्रम के बारे मे जानकारी खाति एह नमर प सबेरे 6 बजे से 8 बजे ले आ सांझि खा 6 बजे से 8 बजे ले बात हो सकेला आ 1 तारीख से सबेरे 6 बजे से सांझि खा 8 बजे ले बात हो सकेला )  

 

देशरत्न डा. राजेंद्र प्रसाद के जन्मदिन पर (3 दिसम्बर 2011 के) राजेंद्र बाबु के जन्मभूमि (सिवान) एक बेर फेर तैयार बिया भोजपुरिया आंदोलन के दशा अउर दिशा तय करे खातिर, जेकरा खातिर देश-विदेश से हजारन लोगन के जमावडा पंजवार के प्रभा-प्रकाश डिग्री कॉलेज के प्रांगण में होई। भोजपुरी के बाकी सम्मेलनन से इतर एह कार्यक्रम में ना कवनो नेता मंच पर दिखाई देले, ना ही भोजपुरी के कवनो स्वघोषित ठेकेदार... भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के मंच भोजपुरिया समाज के युवा वर्ग के भावना के अनुरुप होला, जवन कि अपने दम पर जग जिते के माद्दा रखेला लोग। ई कार्यक्रम जानल जाला अपना विचारन खातिर, भोजपुरी गीत-संगीत से अश्लीलता के विरोध खातिर, अउर भोजपुरी भाषा आ सहित्य के सृजन करे वाला लोगन के उत्साह बढाये खातिर।

एह बेर के कार्यक्रम के शुरुआत सबेरे 10 बजे होई, जवना में स्वागत भाषण के बाद भोजपुरी के कुछ वरिष्ठ साहित्यकार लोग कार्यक्रम ओकरा उद्देश्य बारे में परिचर्चा करी। एकरा अलावा अगिला पीढी के नुमाइंदा के तौर पर कुछ स्थानीय छात्र लोग भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के विकास पर आपन विचार राखी। युवा वर्ग के प्रोत्साहित करे खातिर अउर भोजपुरी आन्दोलन के जन-जन से जोडे खातिर दोपहर 12:30 बजे प्रभा-प्रकाश डिग्री कॉलेज अउर कस्तूरबा इंटर कॉलेज के छात्रा लोग मिल के एगो नाटक के मंचन करी, जेकरा माध्यम से भोजपुरी के मान्यता का संगे-संगे भोजपुरी गीत-संगीत में व्याप्त अश्लीलता के दूर हटाये, अउर समाज में व्याप्त कुरितियन के हटाये के संदेश दिहल जाई।

दोपहर तीन बजे के बाद भोजपुरी के दिग्गज कवि अउर साहित्यकारन के जमावडा सम्मेलन के मंच पर होई, जहँवा भोजपुरी के विकास पर परिचर्चा के अलावा एगो शानदार कवि-सम्मेलन के भी आयोजन होई। कार्यक्रम के तिसरा अउर आखिरी सत्र के शुरुआत सांझी खान 7 बजे होई, जवना में प्रसिद्ध भोजपुरी गायक भरत शर्मा ब्यास, अराधना सिंह अउर उभरत गायक बिमलेश तिवारी "कौशल" के कार्यक्रम होई, जवन कि देर रात ले चलत रही। अश्लीलता के विरोध अउर नवहा लोगन के भोजपुरी लोक-संगीत के मिठास से परिचय कराये के एह कोशिश में बिहार सरकार के कई गो वरिष्ठ अधिकारियन के भाग लेवे के उम्मेद बा।

Comment Wall

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 21, 2011 at 11:27pm

आई सभे दु डेग चलल जाउ भोजपुरी खाति ....

 

रउवा सभ के सिवान मे स्वागत बा !

 

जय भोजपुरी जिआ भोजपुरी

Comment by अभिनन्दन गुप्ता on September 21, 2011 at 11:51pm
ठिक बा नबिन जि हम चल के त ना बाकि गाडि से जरुर पहुच जाइब आखिर भोजपुरि के बात बा
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 22, 2011 at 12:01am

अभिनन्दन जी जईसे पहुंची बाकी पहुंची जरुर :-) आ फेरु ओजुगा से दु डेग चलल जाई भोजपुरी खाति :-)

 

जय भोजपुरी

Comment by Avanish Tiwari on September 22, 2011 at 12:06am
ऐ भोजपुरिया माटी औरु इ माटी से उपजल अइसन सोच के कोटिश नमन बा
जय भोजपुरी जिआ भोजपुरी
Comment by Rajeev Mishra "राजीव भोजपुरिया" on September 22, 2011 at 10:16am
हमार टिकसवा हो गइल बा  १ तारीख के २ के चहुंप जाईब जय भोजपुरी जिय भोजपुरी !
Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on September 22, 2011 at 11:09am

हमरो टिकस हो गईल बा 2 तारीख के हमहु पहुंचत बानी

 

जय भोजपुरी जिआ भोजपुरी

Comment by Brij Kishor Tiwari on September 22, 2011 at 1:12pm

jai ho ...........

टिकस से का होखी ,छुट्टी मिलल की ना ????
हा हा हा हा हा हा ..........

Comment by Brij Kishor Tiwari on September 22, 2011 at 1:27pm

जय भोजपुरी @अभिनन्दन गुप्ता  जी 

आई जी गाडी से ही आई ........हमरो के ढोवावे के बहुत शौक रहेला

गाडी रही तबे नु ......

Comment by AACHARYA RADHESHYAM PANDEY on September 22, 2011 at 1:35pm

Brij kishor jee, Hum pura koshis karem, aawe ke...

 

Comment by भास्कर रंजन "सूर्य" on September 22, 2011 at 1:42pm
जय हो ... जय हो ... हमहूँ चहूँपत बानी दू के ... राजीव भाई के संघलोरिया बनी के ...

Comment

RSVP for भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन - 3 दिस. 2011 to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

Attending (28)

Might attend (11)

Not Attending (5)

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service