JaiBhojpuri.com

Come, let's do something for Bhojpuri...

भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन-3

Event Description

देशरत्न डा. राजेंद्र प्रसाद के जन्मदिन पर (3 दिसम्बर 2012 के) राजेंद्र बाबु के जन्मभूमि (सिवान) एक बेर फेर तैयार बिया भोजपुरिया आंदोलन के दशा अउर दिशा तय करे खातिर, जेकरा खातिर देश-विदेश से हजारन लोगन के जमावडा पंजवार के प्रभा-प्रकाश डिग्री कॉलेज के प्रांगण में होई। भोजपुरी के बाकी सम्मेलनन से इतर एह कार्यक्रम में ना कवनो नेता मंच पर दिखाई देले, ना ही भोजपुरी के कवनो स्वघोषित ठेकेदार... भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन के मंच भोजपुरिया समाज के युवा वर्ग के भावना के अनुरुप होला, जवन कि अपने दम पर जग जिते के माद्दा रखेला लोग। ई कार्यक्रम जानल जाला अपना विचारन खातिर, भोजपुरी गीत-संगीत से अश्लीलता के विरोध खातिर, अउर भोजपुरी भाषा आ सहित्य के सृजन करे वाला लोगन के उत्साह बढाये खातिर

सुबह 7 से 9 बजे तक -  प्रभात फेरी 

11 बजे से 12 बजे तक     - उदघाटन , स्वागत गीत आ परिवार के अभी तक  के यात्रा पर एगो दृष्टि

12 बजे से 1. बजे तक       -  कॉलेज  के विद्यार्थी सन के सांस्कृतिक कार्यक्रम 

1से  5 बजे तक               - साहित्यिक चर्चा आ कवि सम्मेलन 

5 से 7 बजे तक              - अंतराल 

7से 7.30 तक                 - भाव नृत्य 

7.30 से  9.30                - बिदेशिया के मंचन 

9.30 से देर रात तक         - भानु श्री  जी आ टीम के सांस्कृतिक कार्यक्रम ।

         जय भोजपुरी

Comment Wall

Comment by Brij Kishor Tiwari on October 2, 2012 at 9:43pm

जय भोजपुरी आ प्रणाम ....
बहुत बढ़िया कार्यक्रम के रूपरेखा बा ...........
.
.
कार्यक्रम के सफलता हेतु शुभकामना ............
जय भोजपुरी ..

Comment by अभिनन्दन गुप्ता on October 6, 2012 at 6:59pm
का बात बा ऐजा केहु कुछ भोलत नैखे
Comment by akshay mishra "shandilya" on October 9, 2012 at 7:16pm

हम भी एह कार्यक्रम में भाग लिहल चाहतानी ,

कुछ गीत संगीत सायरी भी बोलब अगर मौका मिली त हमरा नंबर प बात क ली !!!!!!!!!
7739629773
Comment by sanjay kumar singh on October 13, 2012 at 9:53am

अक्षय  जी एह कार्यक्रम मे  राउर स्वागत बा । बडा खुशी भैल ई जान के कि रौवा गीत गवनई भी करेनी । 

जय भोजपुरी

Comment by sanjay kumar singh on October 13, 2012 at 9:57am

टेंट सामियाना , लाउडस्पीकर के साटा  हो गैल बा । विदेशिया के मंचन खातिर नया मंच एक दू दिन मे  बने के शुरुआत होखे वाला बा । लोगन मे  चर्चा  शुरु हो गैल बा ..............

जय भोजपुरी ...

Comment by नबीन भोजपुरिया ( NB ) on October 13, 2012 at 10:25am

संजय भाई , सही जा रहल बा :-) बस अईसही अपडेट करत रही :-)  

जय भोजपुरी 

Comment by akshay mishra "shandilya" on October 14, 2012 at 8:13am

जी हमनी के त पुरान लए-लकवा के मारेल हई जा!!!!!!!!!!!!

प्रोग्राम के पता और विब्रण हमके मेल का दिहल जाऊ !!!
hm ego allowncer hae....agr oh rup me v agr mile t bahut abhari rahita....
हमरा बहुत सौख ह की हमू भोजपुरी खातिर कुछ करी !!!!
Comment by akshay mishra "shandilya" on October 14, 2012 at 8:22am

अगर केहू पटना होके जाए त हमके v sathe लिया चली !!

कहे की हम सिवान कभी नइखी गइल!!!!!!!!!!!
hm apsb ke तहे दिल से आभारी रहब))

 

Comment by sanjay kumar singh on October 18, 2012 at 6:14pm

प्रभा -प्रकाश डिग्री कॉलेज पंजवार ,जहां सम्मेलन होखेवाला बा .....अपना भोजपुरियन बेटा बेटी के इंतजार में.....

Comment by शशि कुमार सिंह (SHASHI) on October 18, 2012 at 6:22pm

प्रणाम आ जय भोजपुरी संजय भईया,

पिछ्ला साल के ईयाद ताजा हो गइल फ़ोटअउआ देखा के  इनतजार बा 3  दिसंबर  के 

जय भोजपुरी

Comment

RSVP for भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन-3 to add comments!

Join JaiBhojpuri.com

Attending (15)

Might attend (2)

© 2013   Created by Admin.

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service